पेट्रोलियम

पेट्रोलियम (अंग्रेजी: Petroleum; शाब्दिक अरथ: माटी के भा चट्टान के तेल) धरती के अंदर, चट्टान सभ के बीच में पावल जाए वाला तरल पदार्थ हवे जेकरा के शोध के पेट्रोल, डीजल, माटी के तेल (किरासन तेल) नियर ईंधन आ अउरी कई तरह के उपयोगी चीज बनावल जाला। एकरा शोधे से बने वाला चीज में मुख्य आइटम जरावे जोग ईंधने होला आ बाकी चीज गौड़ रूप से बने ला।

पेट्रोलियम
तेल के कुआँ से पंपिंग जैक द्वारा तेल निकासी
पेट्रोलियम
कुवैत में एगो रिफाइनरी

प्राचीन काल के बनस्पति आ अन्य जीवी पादर्थ सभ के परतदार चट्टान के बिचा में दबा जाए आ बहुत समय बाद एह पदार्थ सभ में से हाइड्रोकार्बन के तरल हो के चट्टान सभ के परत के बीच में एकट्ठा हो जाए से पेट्रोलियम बने ला। प्राकृतिक रूप से पावल जाए वाला एह रूप के कच्चा तेल (अंग्रेजी में क्रूड आयल) कहल जाला; एकरे अलावा एह कच्चा तेल से शोधे के बाद बने वाला पदार्थ सभ के भी पेट्रोलियम भा पेट्रोलियम प्रोडक्ट कहल जाला।

वर्तमान में ई आर्थिक कामकाज खाती एगो बहुते महत्व के संसाधन बा। हालाँकि, एह तरह के जीवाश्म ईंधन (फॉसिल फ्यूल) के कारण वायुमंडल में बढ़ रहल कार्बनडाईआक्साइड के कारण एकरे इस्तेमाल पर नियंत्रण के उपाय कइल जा रहल बाटे।

Tags:

अंग्रेजीचट्टानपेट्रोल

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

भारतीय प्रशासनिक सेवाअज़रबैजानगुलाबी सदाबहारघुमंतू लोगअजीत डोभाल2023 आईपीएलकर्क रेखाआगरा किलाएचटीटीपी कुकीशिवस्लमडॉग मिलियनायरबैकाल झीलटिहरी बान्हगैलेक्सीटाइम जोनई मेलस्कॉटलैंडराजेंद्र प्रसादहजारी प्रसाद द्विवेदीऊटीस्तनपाणिनिक्रस्टकारहावड़ा ब्रिजमहावीरवुडरो विल्सनझंडालाल चंदनराइन नदीवात्स्यायनआदित्यनाथब्रह्मपुत्र नदीअकबरपीलकऋषिकेशभारत के नेशनल पार्क सभ के लिस्टमीरा कुमारसिंधु जल समझौतायाहू!फागुनयुगांडाआकासी बिजलीमहादेवी वर्माएनेस्थीसियाविष्णुमुंबईपटना प्रमंडलमिस्ररोमनमामि गंगेमहीनागुरुद्वारा शीशगंज साहिबभारतीय संविधान के आमुखकेसर के पौधाजीएसएलवीहुगली नदीरामचरितमानसआदमीतुंगभद्रा नदीकबीरजगन्नाथ मंदिर, पुरीनाटोडोमचंपारन सत्याग्रहबिहार के जिला सभ के लिस्टममता बनर्जीबाबा नागार्जुनगूगलनेपाल के जिला सब के लिस्टनेशनल हाइवे 44सिंधु नदीगोंडवाना लैंड🡆 More