बैकाल झील: रूस में ताजा पानी के झील

बैकाल झील (अंग्रेजी: Baikal lake) चाहे बयकाल झील (रूसी: о́зеро Байка́л ओज़ेरो बयकाल, बुर्यात भाषा: Байгал нуур बयगाल नुउर; मतलब: प्रकृति क झील) रूस में मौजूद एगो ताजा (मीठा) पानी के झील बा। ई दुनिया क सबसे गहिरी झील हवे आ दुनिया में सबसे बड़हन ताजा पानी क झील भी हवे। रिफ्ट झील के उदाहरण ई झील दुनियाँ के सभसे पुरान झील सभ में सामिल हवे।

बैकाल झील
Lake Baikal
बैकाल झील: रूस में ताजा पानी के झील
बैकाल झील: रूस में ताजा पानी के झील
लोकेशनसाइबेरिया, रूस
निर्देशांक53°30′N 108°0′E / 53.500°N 108.000°E / 53.500; 108.000 108°0′E / 53.500°N 108.000°E / 53.500; 108.000
झील प्रकाररिफ्ट झील
आगमसेलेंगा नदी, बार्गुझिन नदी, ऊपरी अंगारा नदी
निकासअंगारा नदी
थाला560,000 किमी2 (6.027789833×1012 वर्ग फु)
थाला के देसरूसमंगोलिया
अधिकतम लंबाई636 किमी (395 मील)
अधिकतम चौड़ाई79 किमी (49 मील)
सतह क्षेत्र31,500 किमी2 (3.39×1011 वर्ग फु)
औसत गहिराई744.4 मी (2,442 फीट)
अधिकतम गहिराई1,642 मी (5,387 फीट)
आयतन23,615.39 किमी3 (5,670 घन मील)
जलनिवास समय330 years
किनारा के लंबाई12,100 किमी (1,300 मील)
सतह ऊँचाई455.5 मी (1,494 फीट)
जम जालेजनवरी–मई
दीप27 (ओल्खोन दीप)
आबादीसेवेरोबैकाल्स्क, स्लाईयुदाइंका, बैकाल्स्क, उस्त-बार्गुझिन
पैमानाप्राकृतिक: vii, viii, ix, x
संदर्भ754
इंस्क्रिप्शन1996 (20वाँ सेशन)
रकबा (एरिया)8,800,000 हे॰
1 किनारा के लंबाई कौनो सटीक माप ना हवे।

बैकाल झील रूस देस के साइबेरिया इलाका के दक्खिनी हिस्सा में बाटे। ई रूस के संघीय राज्य इर्कुत्स्क ओब्लास्त (Irkutsk Oblast) आ बुर्यातिया (Buryatia) में स्थित बाटे। एकरे थाला में, मने कि जहाँ तक के पानी बह के एह में गिरे ला ओह बेसिन में रूस देस आ मंगोलिया के कुछ हिस्सा आवे लें।

कुल 23,615.39 किमी3 (5,670 घन मील) पानी वाली ई झील, पानी में मात्रा भा अपने आयतन के हिसाब से दुनियाँ के सभसे बड़हन ताजा पानी के झील हवे, भले कैस्पियन सागर कुल पानी के मामिला में सभसे बिसाल होखे, ओकर पानी खारा पानी हवे; पृथिवी के ध्रुवन पर के आ ऊँच पहाड़न पर के बरफ आ जमीन भीतरी मीठा पानी के हटा दिहल जाय, तब धरती के कुल सतह पर मौजूद ताजा पानी के 22-23 % हिस्सा यही झील में बा जे अमेरिका के बिसाल झील (ग्रेट लेक्स) के सगरी पानी से बेसी बाटे। ई दुनियाँ के सभसे गहिरी झील भी हवे जेकर गहिराई 1,642 मी (5,387 फीट) हवे दुनियाँ के सभसे प्राचीन झील भी हवे, जेकर उमिर 25-30 मिलियन बरिस (अढ़ाई-तीन करोड़ साल) अनुमानित कइल गइल बा। बैकाल झील के कुल सतह के रकबा 31,722 किमी2 (12,248 वर्ग मील) हवे—पूरा बेल्जियम देस से कुछ बेसिए, चाहे भारतीय राज्य मेघालय (22,429 वर्ग किलोमीटर) से काफी बड़ बाटे—आ एह तरीका से ई सतह के रकबा के हिसाब से दुनियाँ के सातवीं सभसे बड़हन झील हवे। इ झील दुनियाँ के सभसे साफ़ (किलियर देख्लाई पड़े वाला पानी वाली) झील सभ में भी गिनल जाले।

बैकाल झील हजारन गो पौधा आ जानवरन के प्रजाति सभ के निवास के जगह हवे जेह में बहुत सारा एहिजे के मूल निवासी प्रजाति हईं। इ बुर्यात जनजाति के लोगन के मूल अस्थान हवे जे लोग बकरी, ऊँट, मवेशी, भेड़ आ घोड़ा पोसे ला आ एह झील के पुरुबी तीरे के इलाका में रहे ला, जहाँ औसत तापमान जाड़ा के मिनिमम तापमान −19 °C (−2 °F) से गर्मी के अधिकतम 14 °C (57 °F) तक ले होला।

बैकाल के पूरुब के इलाका ट्रांसबैकालिया चाहे ट्रांसबैकाल (मने, बैकाल पार के इलाका) के नाँव से जानल जाला, आ एह झील के आसपास के इलाका कुछ मोटा-मोटी परिभाषित क्षेत्र के रूप में बैकालिया के नाँव से जानल जाला। यूनेस्को द्वारा एह झील के बिस्व धरोहर स्थल सभ में 1996 में शामिल कइल गइल।

संदर्भ

Tags:

अंग्रेजीझीलताजा पानीरिफ्ट झीलरूसी भाषा

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

विक्रम संवतईलॉन मस्कविकिमीडिया फाउंडेशनविष्णुपद मंदिरप्रकाश राजगोरखपुर विश्वविद्यालय1933लवंडा नाचबराबर गुफासभमुकेश अंबानीविष्णुकैलिफोर्नियासमाजटाइम जोनवैनगंगा नदीदानयांग-कुनशान ग्रांड पुलमेघना नदीरूसघनानंदनीदरलैंडचंपाक्रिस्टियानो रोनाल्डोकाशी विश्वनाथ मंदिरराहुल सांकृत्यायनमंगोलियालोहामहात्मा गाँधी सेतुसारनाथभीलवाड़ा जिलाभौतिक भूगोलतुलसीदासनेपालअमेजन नदीसूखाकमलमोइन उल हक स्टेडियमग्रेनाइटनारियलसंगमरमरमलावीस्विट्जरलैंडसपना चौधरीलार्ड कार्नवालिसधर्मो रक्षति रक्षितःपुरुषार्थयूरेनस ग्रहवेबसाइटसंज्ञा (संस्कृत व्याकरण)मगधमिया खलीफापुर्तगालताजमहलप्राकृतिक उपग्रहगेहुँअनगीतगोविंदम्लोरियालतीजसैफ अली खानलाहौरफ्री सॉफ्टवेयरवियतनामजानकारीशशिकांत गुप्ताग्लोबयातायातमादा जननांगचंडीगढ़पटना जंक्शनबंगाल के खाड़ीहरियाणासमुद्रगुप्तसतुआन18 मार्चब्लिजार्ड🡆 More