प्रशांत महासागर

प्रशांत महासागर बिस्व के सबसे बड़हन महासागर बा। एकर बिस्तार एशिया महादीप के पुरबी किनारे से ले के अमेरिका महादीपवन की पच्छिमी किनारे ले बा आ ई उत्तरी आ दक्खिनी दुनो गोलार्ध में फइलल बाटे।

प्रशांत महासागर
प्रशांत महासागर के ग्लोब पर बिस्तार

एकर कुल क्षेत्रफल 165.25 मिलियन वर्ग किलोमीटर (63.8 वर्ग मील) बा जेवन पुरा बिस्व की जलमंडल के 46 % बा आ ई पूरा पृथ्वी के लगभग एक तिहाई हिस्सा पर फइलल बाटे।

पर्यावरणी मुद्दा

एगो अनुमान के मोताबिक, उत्तरी प्रशांत महासागर में उतिराइल छोट-छोट प्लास्टिक के टुकड़ा सभ के मात्रा में 1972 से ले के 2012 की बीचा में 100 गुना के बढ़ती भइल। लगातार बढ़त जा रहल प्रशांत महासागरीय बिसाल कचरा ढेर जे कैलीफोर्नियाजापान के बीचा में बाटे, अब अतना बढ़ चुकल बा की ई फ्रांस देस के लगभग तीन गुना रकबा वाला हो गइल बाटे। एगो एस्टीमेट के मोताबिक, 80,000 मीट्रिक टन एह महासागरीय कचरा ढेर में बा जेह में 1.8 ट्रिलियन टुकड़ा प्लास्टिक के बाड़ें।

समुंद्री प्रदूषण खातिर नदी में प्रदूषक तत्व सभ के छोड़ल काफी हद तक जिम्मेदार होला जेकरा चलते तरह-तरह के जहरीला पदार्थ समुंद्र में पहुँच जालें। बहुधा नदी से हो के रासायनिक खाद के मात्रा समुंद्र में पहुँच जाले आ आक्सीजन के कमी के कारण बने ले जेकरा चलते समुंद्र में मुर्दा इलाका (डेड ज़ोन) पैदा हो जालें।

एह किसिम के प्रदूषण के अलावा प्रशांत महासागर में कई गो आर्टिफिशियल उपग्रह भी धँसावल गइल बाड़ें जिनहना के मलबा एही में प्रदूषण के रूप में मौजूद बाटे।

संदर्भ

Tags:

एशिया महादीपगोलार्धमहासागर

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

मुहम्मदगोरखपुर विश्वविद्यालयनेशनल हाइवे 44पर्यावरणवादहिल स्टेशनमिया खलीफाबुर (बहुअर्थी)महारानी के घोषणापत्रबिहार के संस्कृतिरुपनदेही जिलागाँवडीओआईमदर टेरेसादेवरिया जिलागोदावरी नदीमहुआ टीवीभागलपुर प्रमंडलशिवरंजनीभीमराव अंबेडकरइलाहाबाद के संधिभूटानजंतर मंतर, दिल्लीमानव कामुकताबनारसएडोल्फ हिटलरअस्पतालसोनम कपूरनील नदीकाला सागरराजाजी नेशनल पार्कपरेश रावलसैफ अली खानछोटानागपुर पठारकोशी प्रदेशजमीन उपयोगटाइम जोनराजघाट पुलआसारामइंटरनेटपोर्नोग्राफीबौद्ध मंदिरमिशनरी पोजीशनमोतीलाल नेहरूआस्ट्रेलियागंगा नदी बेसिनभाबरकुतुब मीनारमोहम्मद अली जिन्नाआईएसबीएननोनीया सागप्रेम चोपड़ाकालिदासमार्कंडेय काटजूराइन नदीढाई किलो प्रेमकजरीहवा प्रदूषणग्रेट लेक्सपटना विश्वविद्यालयराजेंद्र प्रसादसत्यमेव जयतेमांसपेशीनेनुआगुरु गोबिंद सिंहआजमगढ़रावणबुध (ग्रह)यूनानआदित्यनाथखसराफिनलैंडधान🡆 More