आईएसबीएन

आइ॰एस॰बी॰एन॰ या पूरा नाँव इंटरनेशनल स्टैंडर्ड बुक नंबर (अंग्रेजी: International Standard Book Number) एगो यूनीक नंबर होला जवन किताब के पहिचानक होला।

इंटरनेशनल स्टैंडर्ड बुक नंबर
International Standard Book Number
{{{image_alt}}}
एगो 13-अंक के आइ॰एस॰बी॰एन॰, 978-3-16-148410-0, EAN-13 बार कोड के रूप में भी देखावल गइल बा]]
छोट नाँवआइ॰एस॰बी॰एन॰ (ISBN)
सुरू भइल1970 (1970)
संगठन
जे मैनेज करे ला
इंटरनेशनल आइ॰एस॰बी॰एन॰ एजेंसी
अंक संख्या13 (पहिले 10)
जाँच अंकभारित जोड़
उदाहरण978-3-16-148410-0
वेबसाइटwww.isbn-international.org

हर किताब के अलग-अलग संस्करण (रिप्रिंट के ना) के एक ठो अकेल आ एकलौता आइ॰एस॰बी॰एन॰ दिहल जाला। उदाहरण खातिर कौनों किताब अगर पेपरबैक, हार्डकवर आ ई-बुक के रूप में छपे तब तीनों के अलग-अलग आइ॰एस॰बी॰एन॰ होखी। ई तेरह अंक के लंबाई वाला संख्या होला अगर 1 जनवरी 2007 के बाद दिहल गइल होखे आ 10 अंक के होला अगर एह से पहिले दिहल गइल होखे। एह निसानी देवे के तरीका में अलग-अलग देस में भी कुछ अंतर मिले ला आ प्रकाशन संस्था अपना क्षेत्र में केतना नामी बाते एहू के भी धियान में रखल जाला।

आइ॰एस॰बी॰एन॰ के फ़ायदा ई बाटे कि एकरा द्वारा दुनियाँ में कहीं छपल किताब के एक ठो बिसेस पहिचान हासिल हो जाले जेकरा मदद से एकरा के खोजल आ एकर जानकारी साझा करे में सुबिधा हो जाला।

एकर सुरुआती रूप 1967 में लागू 9-अंक के स्टैंडर्ड बुक नंबर (एसबीएन) रहल। 10 अंक के लंबाई वाला कोड के सुरुआत अंतरराष्ट्रीय मानकीकरण संस्था (ISO) द्वारा बनावल गइल आ पहिली बेर ISO 2108 के रूप में छपल।

एही के नियर एक ठो पहिचानक जर्नल आ पत्रिका सभ खातिर भी बा जेकरा के आई॰एस॰एस॰एन॰ (ISSN) कहल जाला, आ संगीत से संबंधित चीज के पहिचानक आई॰एस॰एम॰एन॰ (ISMN) होला।

इतिहास

स्टैंडर्ड बुक नंबरिंग (SBN) कोड एक ठो नौ अंक के कामर्शियल किताब पहिचानक हवे जेकरा के ट्रिनिटी कॉलेज, डब्लिन के एमेरिटस प्रोफ़ेसर, गौर्डन फोस्टर ईजाद कइलेन, 1965 में आ ई किताब बेचे वाला आ स्टेशनरी बेचे वाला लोग खातिर बनावल गइल रहल। 1967 में यूनाइटेड किंगडम में डेविड वाइटकर आइएसबीएन कंफिगरेशन पहिचान बनवलें (जिनके "आइएसबीएन के पिता" कहल जाला) आ 1968 में अमेरिका में एमरी कोल्टे द्वारा बनावल गइल जे बाद में अमेरिकी आइएसबीएन एजेंसी के डाइरेक्टर भी बनलें।

10-अंक वाला आइएसबीएन के पहिली बेर अंतर्राष्ट्रीय मानकीकरण संस्था (ISO) द्वारा बनावल गइल आ ई 1970 में ISO 2108 में छपल। अमेरिकी लोग 9-अंक वाला SBN कोड के 1974 तक ले इस्तेमाल कइल। आइएसओ द्वारा इंटरनेशनल आइएसबीएन अथॉरिटी के एह काम खातिर नियुक्त कइल गइल कि ऊ पूरा दुनिया भर में आइएसबीएन के रजिस्ट्रेशन करी आ एकरा खातिर स्टैंडर्ड के निर्माण टेक्नीकल कमेटी 46/उपकमेटी 9 (TC 46/SC 9) के अधीन भइल। आइएसओ के ऑनलाइन सुबिधा खाली 1978 तक ले के किताबन के पहिचान उपलब्ध करावे ले एकरे पहिले के ना।

एसबीएन कोड के पाहिले "0" जोड़ के एकरा के आइएसबीएन बनावल जा सके ला, उदाहरण खातिर, किताब Mr. J. G. Reeder Returns के दुसरा संस्करण होडर प्रकाशन द्वारा 1965 में छपल आ एकर "SBN 340 01381 8" – 340 प्रकाशक के पहिचान, 01381 सीरियल नंबर, आ 8 जाँच संख्या हवे। एकरा के बदल के ISBN 0-340-01381-8 बनावल जा सके ला।

1 जनवरी 2007 से, आइएसबीएन सभ 13 अंक के हो गइल, ई फॉरमेट बुकलैंड यूरोपियन आर्टिकल नंबर EAN-13 सभ के साथ फिट बइठे ला।


इहो देखल जाय

नोट

संदर्भ

Tags:

आईएसबीएन इतिहासआईएसबीएन इहो देखल जायआईएसबीएन नोटआईएसबीएन संदर्भआईएसबीएन बाहरी कड़ीआईएसबीएनअंग्रेजी

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

फासीवादउत्तर प्रदेश के भूगोलडॉगी स्टाइलकैमूर बनजीव अभयारण्यअज़रबैजानतंजानियामहतारीबाइबिलपेयसर्वेसमुंद्रचंडीगढ़चंद्रगुप्त मौर्यमहारानी के घोषणापत्रकोल्ड ड्रिंकजननी जन्मभूमिश्च स्वर्गादपि गरीयसीबिपिन रावतदलितमैंगीफेरा इंडिकाअलका याग्निकसौर मंडलगुलाबी सदाबहारचायजूही बब्बरमहाराष्ट्रबिस्मिल्ला ख़ाँसोशल मीडियाफ्रांसीसी क्रांतिक्रिस्टियानो रोनाल्डोमहुआ टीवीहरियाणालार्ड कार्नवालिसरसड़ाऋषिकेशआलोक धन्वाबारहखड़ीआम आदमी पार्टीमुर्गाप्रजातिहनुमानअल्बर्ट आइंस्टीनतिरंगारिमोट सेंसिंगउत्तर प्रदेश के जिला सभ के लिस्टनेनुआविदिशा जिलामौसम आ जलवायुहाजीपुरटेम्स नदीबिहार के भूगोलसैफ अली खानमाधुरी दीक्षितगाँवकलमखरहामई दिवसअनवर मक़सूदसंगमगोवापाब्लो पिकासोसंत रविदास नगर जिलाभोजपुरी क्षेत्रओमानइलाहाबाद के संधिमहाराजगंज, बिहारमोहम्मद अली जिन्नाक्लियोपैट्राकंबोडियामदर टेरेसाहुगली नदीराहुल गांधीबाणभट्टगाँठ गोभीih8cj🡆 More