विकिपीडिया हटवले के नीति ई बर्णन करे ले की अइसन पन्ना जिनहन के सामग्री ज्ञानकोश लायक प्रासंगिक नइखे उनहन के कइसे चीन्हल आ विकिपीडिया से हटावल जा सके ला। विकिपीडिया पर अक्सरहा बहुत सारा पन्ना नीचे बतावल प्रॉसेस द्वारा हटावल जालें। विकिपीडिया लेख के हटवले के बाद एकर वर्तमान आ वर्शन आ सगरी पुरान वर्शन पब्लिक के देखाई पड़ल बंद हो जालें। उत्पात या बर्बरता के रूप में, पन्ना खाली कइल जाय, तब एकरा सामग्री के केहू भी संपादक वापस ले आ सकेला लेकिन पन्ना के हटावल (डिलीट कइल) , हटावल पन्ना के सामग्री देखल, आ कौनों हटावल पन्ना के वापस ले आइल, खाली प्रबंधक लोग कर सकत बाटे। अइसन सगरी कार्रवाई हटवले के लॉग में दर्ज होला। हटावे के बारे में अगर समुदाय के आम सहमती के ले के संदेह होखे, प्रबंधक लोग आमतौर पर पन्ना ना हटावे ला।
ई पन्ना पर भोजपुरी विकिपीडिया के कौनों नीति के बर्णन बा, ब्यापक रूप से मान्य आ स्वीकार मानक जिनहन के आम दसा में हर संपादन करे वाला के पालन करे के चाहीं। एह पन्ना में कइल जाए वाला बदलाव हमेशा आम सहमती से होखे के चाहीं। |
संछेप में : प्रबंधक लोग विकिपीडिया लेख आ अन्य विकिपीडिया पन्ना सभ के आम लोग के देखाई पड़े से हटावे (डिलीट करे) आ हटावल पन्ना के दोबारा वापस स्थापित करे खातिर सक्षम बा लोग एह शक्ति के इस्तमाल विकिपीडिया के स्थापित नीति, दिसानिर्देस आ समुदाय के आम सहमती के अनुसार कइल जाला। इहाँ कई दसा में हटावे के बिकल्प भी मौजूद बाड़ें। |
हटावले के नीति |
---|
हटावे खातिर चर्चा |
---|
|
लेख |
|
टेम्पलेट |
|
फाइल |
|
श्रेणी |
|
अनुप्रेषण |
|
बिबिध पन्ना |
|
जल्दी से हटावल |
हटावे के प्रस्ताव |
|
हटवले के कारण में नीचे दिहल चीज शामिल बा, हालाँकि ई एतने ले सीमित नइखे (अगर संभव होखे, सामग्री के सुधार कइल जा सके ला या फिर नीति के उल्लंघन करे वाला खंड भर के हटावल जा सकेला बजाय पूरा पन्ना हटावे के):
अगर संपादन से पन्ना में सुधार कइल जा सके, पन्ना के हटावे के बजाय इहे कइल जाए के चाहीं पन्ना के सामग्री में उत्पात के रूप में जोड़ल चीज के वापसी केहू प्रयोगकर्ता क सकत बा।
पन्ना के सामग्री पर बिबाद से निपटे खातिर आमतौर पर पन्ना हटावल कौनों उपाय के रूप में ना प्रयोग कइल जाला, अगर कौनों बहुत भारी बिबाद के दसा न होखे। सामग्री के बारे में बिबाद के संबंधित वार्ता पन्ना पर चर्चा द्वारा सोझुरावल जा सकत बा आ बिबाद निपटारा के अन्य तरीका सभ पहिले इस्तेमाल क लेवे के चाहीं, जइसे की विकिपीडिया:टिप्पणी अनुरोध द्वारा राय एकट्ठा कइल वगैरह। हटावे के चर्चा अगर बिना आम सहमती के रह जाय तब केहू तटस्थ प्रबंधक (अगर न उपलब्ध होखे तब केहू अन्य अनुभवी वरिष्ठ संपादक) चर्चा के समाप्त घोषित क के एकर निर्णय के वार्ता पन्ना या अन्य कौनों उचित फोरम में ले जा सके ला।
अगर कौनों उल्लेखनीय बिसय पर बनल लेख सत्यापन आ तटस्थ नजरिया के नीति पर सही उतरे से बहुत बुरा तरीका से फेल हो जाय, एकरा के छोट क के आधार रूप में रखल जा सकत बा, या हचर्चा में आम सहमति के बाद हटा दिहल जा सकत बाटे। समुदाय के अधिकार बाटे की अइसन संपादक लोग पर प्रतिबंध लगा सकत बाटे जे लोग पर बिसय-प्रतिबंध लागल होखे आ अइसन लेख बनावे, या लगातार गैर-तटस्थ लेख बनावे में लागल होखे।
कौनों नीति या दिसानिर्देस पर मतभेद होखला पर ओके हटावल उचित तरीका ना होला। एही तरे, प्रयोगकर्ता पन्ना पर रखल अनुचित सामग्री के प्रयोगकर्ता से बात क के सुलझावल जा सकेला (या प्रबंधक द्वारा खाली कइल जा सकेला) न की पन्ना हटावल एकलौता बिकल्प बाटे।
बिबिध प्रकार के टैग मौजूद बाने जिनहन के इस्तेमाल कौनों लेख में समस्या के चिन्हित करे खातिर कइल जा सके ला। हालाँकि, टैग लगावल कौनों स्थाई समाधान ना हवे, इनहन के मकसद, पाठक के सतर्क कइल आ बिसय में रूचि रखे वाला संपादक लोग के समस्या वाला लेख के आसानी से चिन्हित क के सुधार सुनिश्चित कइल हवे। टैग लगा के लेख के रखल जा सके ला अगर तत्काल समस्या के चिन्हित क के लेख रखल जा सके आ सुधार बाद में संभव होखे। खाली लेख के हटावे से बचावे के नीयत से टैग लगा के रखल, जबकि सुधार संभव न होखे, हटवले के बिकल्प के रूप में ना देखल जाए के चाहीं। कुछ आम टैग हेइजा दिहल बाने। इनहन में सभसे आम बाने:
गलत टाइटिल वाला पन्ना सभ के स्थानांतरण के प्रक्रिया द्वारा नाँव बदलाव बदलाव कइल जा सके ला। नाँव रखे संबंधी बिबाद के बारे में लेख के बातचीत पन्ना पर चर्चा कइल जा सके ला या स्थानांतरण अनुरोध में समुदाय के राय माँगल जा सके ला।
जिंदा लोग के जीवनी संबंधी लेख सभ पर टैग लगावत घरी हमेसा सतर्क रहीं। कुछ दसा में ई विकिपीडिया के मूल भावना के खिलाफ हो सके लें – उदाहरण खातिर केहू जिंदा ब्यक्ति पर बनल लेख पर {{उल्लेखनीयता}} के टैग लगवले के विकिपीडिया के ओर से जजमेंट पास कइले के रूप में भी देखल जा सके ला। अइसन लेख सभ पर तेजी से निर्णय खातिर आम सहमती से हटावे खातिर नामांकन कइल जा सकत बाटे।
लेख, जे बहुत छोट होखें आ बिस्तार के संभावना न लउकत होखे, बिलय द्वारा बड़हन लेख में समाहित कइल जा सके लें। उदाहरण खातिर केहू उल्लेखनीय ब्यक्ति के रिश्तेदार (अगर ऊ अपने आप में खुद उल्लेखनीय न होखे) के बारे में लेख के सामग्री के मुख्य ब्यक्ति के लेख में बिलय कइल जा सके ला। फिक्शन (गल्प) या काल्पनिक चरित्र (या चीज) के बारे में सामग्री के लिस्ट के रूप में बनल लेख या मुख्य कथा वाला लेख में बिलय कइल जा सके ला जे कथा में इनहना के बरनन होखे।
अगर दू गो पन्ना एकही बिसय पर बनल होखें, ढेर प्रचलित नाँव वाला लेख में सगरी सामग्री डाल के दुनों के इतिहास विलय कइल जा सकत बाटे आ दुसरका नाँव से अनुप्रेषण रखल जा सकत बाटे। सामग्री बिलय केहू भी संपादक क सकत बा आ इतिहास बिलय खातिर प्रबंधक के लिखल जा सके ला।
"विलय के बाद हटावल" के ई स्थिति लाइसेंस संबंधी समस्या पैदा क सकत बाटे, बिसेस रूप से अगर बिलय कइल सामग्री के लिखे वाला के श्रेय अगर एह प्रक्रिया में गायब हो रहल होखे।
कब्बो-कबो कौनों अनुचित लेख के टाइटिल भी उपयोगी अनुप्रेषण साबित हो सकेला। अइसन दसा में, हटावल ना उचित होला; केहू भी प्रयोगकर्ता निडरता से पन्ना के खाली क के दुसरा पन्ना खातिर अनुप्रेषण बना सकत बा। अगर एह में कौनों बिबाद होखे तब अनुप्रेषण के लेख के रूप में दुबारा स्थापित करे खातिर बातचीत पन्ना आम सहमती खातिर कोसिस कइल जा सके ला।
कुछ लेख विकिपीडिया लायक ना हो सके लें लेकिन विकिपीडिया के साथी प्रोजेक्ट लायक हो सके लें। अइसन लेख सभ के ट्रांसविकि प्रक्रिया द्वारा साथी प्रोजेक्ट पर भेजल जा सके ला (अगर अइसन प्रोजेक्ट भोजपुरी में मौजूद होखें)। पहिले कोसिस करे के चाहीं की अइसन टाइटिल के कौनों संबंधित विकिपीडिया लेख पर अनुप्रेषित कइल जा सके। अगर संभव न होखे तब साथी प्रोजेक्ट के पन्ना पर सॉफ्ट अनुप्रेषण कइल जा सके ला या टाइटिल के भी हटावल जा सके ला।
पन्ना के पुरालेख (आर्काइव) बनावे खातिर हटवले के इस्तमाल ना करे के चाहीं। काहें से की, डेवलपर लोग अइसन सूचित कइले बाटे की हटावल पन्ना के सामग्री डेटाबेस से भी कब्बो हटावल जा सके ला।
हटावले के अंतर्गत चार गो आधारभूत प्रक्रिया बाड़ी सऽ आ हटवले के परिणाम के समीक्षा आ वापसी खातिर दू गो प्रक्रिया बाड़ी सऽ।
कानूनी कारण से, विकिपीडिया अइसन सामग्री नइखे रख सकत जे कॉपीराइट के उल्लंघन होखे।
{{subst:copyvio|url=कॉपीराइट उल्लंघन के पता}}
लिख दीं। साफ, पूरा पन्ना भर के कॉपीराइट उल्लंघन होखे तब पहिले पन्ना के इतिहास में बिना कॉपीराइट उल्लंघन के सामग्री खातिर जाँच करीं आ कौनों रिवीजन बिना एकरे न मिले तब लेख पर {{db-copyvio|url=...}}
के टैग लगा के जल्दी से हटावे खातिर नामांकन करीं।पन्ना सभ के तुरंत हटावल जा सके ला अगर ऊ जल्दी से हटावे के पैमाना अनुसार तुरंते हटावे लायक पावल जायँ। ई प्रक्रिया एह अइसन पन्ना सभ के हटावे खातिर हवे जिनहन के हटावे खातिर चर्चा में बचे के गुंजाइश ना होखे, अइसन दसा सभ के नोट क के ई पैमाना बनावल गइल हवें। एह तरीका से इस्तेमाल तबे होखे के चाहीं जब एकदम साफ होखे कि ई पैमाना लागू होखत बाने, अन्य दसा में पन्ना हटावे खातिर चर्चा वाला सामान्य तरीका लागू कइल जाए के चाहीं।
अगर कौनों पन्ना एक बेर चर्चा प्रक्रिया से हटावे के नामांकन के बाद भी बच चुकल बा, ओकरा के तुरंत हटावे के पैमाना के तहत ना हटावे के चाहीं, सिवाय कि ओह में अइसन नई बात पता चले कि ऊ कॉपीराइट के उलंघन में बा। पन्ना जिनहन के चर्चा खातिर रखल गइल बा, या प्रस्ताव द्वारा हटावे खातिर टैग कइल गइल बा; जल्दी से हटावे के पैमाना के तहत आवत होखें तब उनहन के बिना इंतजार के तुरंत हटावल जा सके ला; हालाँकि अगर कौनों पन्ना खातिर चर्चा चल रहल होखे, आम प्रयोगकर्ता लोग के चाहीं की चर्चा में या प्रबंधक सूचनापट पर लिखें कि पन्ना जल्दी से हटावे लायक बा आ केहू प्रबंधक उनहन के एह बात खाती समीक्षा क के जल्दी से हटा सकत बा - काहें से कि अगर आम सदस्य चर्चा के टैग हटा के जल्दी हटावे के टैग लगा दी तब ई एक तरह से चर्चा के समापन होखी जेकरा के करे के काम प्रबंधक लोग के होला।
अगर केहू संपादक के लागे कि कौनों पन्ना के एह ज्ञानकोश में कौनों जगह ना बा आ निर्बिबाद रूप से हटावल जा सके ला, भले ऊ तुरंत हटावे खातिर बतावल पैमाना अनुसार ना होखे, अइसन पन्ना के प्रस्ताव द्वारा हटावे खातिर टैग कइल जा सके ला। एतराज होखे पर केहू भी अन्य संपादक ई टैग हटा के नामांकन रद क सकत बा। अगर कौनो ऐतराज न होखे, अइसन नामांकित पन्ना के सात दिन के बाद हटावल जा सके ला। ई पैमाना खाली मुख्य नाँव स्थान में आ फाइल नाँवस्थान में बनल पन्ना सभ पर लागू होला। अनुप्रेषण पन्ना एह पैमाना के तहत ना हटावल जा सके ला।
{{subst:prod|reason}}
कारण के साथ नामांकन करीं; या औजार ट्विंकल के "हप्रस्ताव" बिकल्प से नामांकन करीं।
प्रस्ताव द्वारा जियत लोग के जीवनी हटावे में सगरी अइसन जियत लोग के जीवनी के हटावल जा सके ला जेकरे लेख में एकहू विस्वसनीय संदर्भ ना दिहल गइल होखे। अइसन लेख के {{prod blp}} से टैग कइल जा सके ला। अगर केहू आगे ना आवे (संदर्भ जोड़ के एतराज करे खातिर) तब सात दिन बाद पन्ना के कब्बो हटावल जा सके ला।
जवन पन्ना ऊपर बतावल तीनों तरीका से हटावे लायक ना होखे उनहन के उचित चर्चा के जगह पर चर्चा क के समुदाय के आम सहमती से हटावल जा सके ला। अइसन बिधि से हटावल पन्ना सभ के समीक्षा भी ([[#हटावले के समीक्षा|नीचे देखीं) कइल जा सके ले। हचर्चा में, जल्दी हटावे के नामांकन से हटावल या प्रस्ताव द्वारा हटावल पन्ना सभ पर एतराज होखे पर भी चर्चा हो सके ले।
एह प्रक्रिया में समर्थन भा विरोध के गिनती ना कइल जाला, काहें की ई वोटिंग ना हवे। चर्चा में तर्क, संदर्भ आ विकिनीति सभ के ऊपर आधरित बात के वजन देखल जाला। चर्चा आम दसा में सात दिन चले ले आ एकरे बाद प्रबंधक हटावे के प्रक्रिया अनुसार निर्णय करे ला लोग।
चर्चा के परिणाम घोषित करे आ पन्ना हटावे या रखे के प्रक्रिया विकिपीडिया:हटावे के प्रक्रिया अनुसार लागू होला आ कुछ बिसेस प्राबिधान अलग-अलग किसिम के चर्चा पन्ना (नाँवस्थान अनुसार) सभ के अनुसार भी हो सके ला।
अगर आपके बुझाता कि हटावे के चर्चा के समापन करे वाला चर्चा के ठीक से बिना बुझले समापन क दिहल आ सहमती के मामिला में गलती से मूल्यांकन क के परिणाम घोषित कइल; आप अइसन चर्चा समापन पर हटवले के समीक्षा के अनुरोध क सकत बानी। एकरा पहिले चर्चा के समापन करे वाला से उनके वार्ता पन्ना पर चर्चा जरूर कइल जाए के चाहीं, एह चर्चा के बिफल होखे पर समीक्षा के अनुरोध होखे के चाहीं।
अगर कौनों लेख के जल्दी से हटा दिहल गइल रहे, आ आपके लागत बा कि आप ओह बिसय पर बेहतर लेख बना सकत बानी, आगे बढ़ीं आ लेख के निर्माण करीं, अइसन दसा में पुरनका के हटवले के समीक्षा के जरूरत ना बा।
हटवले के समीक्षा, वोटिंग से ना बलुक आम सहमती से तय होले। यानी समीक्षा में अगर आम सहमति होखे कि पन्ना के हटावे में प्रक्रिया के ठीक से पालन ना भइल बा तब पन्ना के वापस ले आवल जा सके ला आ प्रक्रिया के अनुसार उचित परिणाम (ई हमेशा पन्ना रखे के रूप में ना होला बलुक, अनुप्रेषण, बिलय वगैरह भी हो सके ला) घोषित कइल जा सके ला। समीक्षा के प्रक्रिया आमतौर पर सात दिन ले चले ले आ ई लागे कि कुछ समय अउरी दिहल जाय आ आम सहमती तक पहुँचे के करीब मामिला बा तब एकरा खातिर कुछ समय (एक हप्ता अउरी) आगे बढ़ावल जा सके ला।
हटावे के समीक्षा के बाद वापस ले आइल गइल पन्ना के दुबारा हचर्चा में नामांकन हो सके ला, अगर केहू के लागत बा कि पन्ना हटावे लायक बा।
अइसन पन्ना हटावे के प्रक्रिया जेह में बिना समुदाय के चर्चा के पन्ना एगो सारांश (हटावे के कारण) दे के हटा दिहल जाला (तुरंत पैमाना पर, या प्रस्ताव द्वारा), इनहन के वापस ले आ के स्थापित करे खातिर अनुरोध प्रबंधक सूचनापट प कइल जा सके ला। अइसन अनुरोध पर प्रबंधक ओह पन्ना के या त मुख्यनाँव स्थान में वापस ले आ सके ला आ चर्चा खाती नामांकित क सके ला (एह में सुधार करे खाती भी मौका रही जबले चर्चा चल रहल बा), या फिर बनावे वाला के प्रयोगकर्ता उपपन्ना के रूप में स्थानांतरण क सके ला ताकि आगे सुधार कइल जा सके। एह दुनों में का कइल जाय ई वापस ले आवे वाला प्रबंधक के बिबेक पर बा। चर्चा द्वारा हटावल पन्ना के वापस ले आवे खातिर एह तरीका के इस्तेमाल ना कइल जा सके ला, ओकरे खाती चर्चा के समुदाय द्वारा समीक्षा (समीक्षा के तरीका प्रक्रिया पन्ना पर बा) आ वापस ले आवे के सहमती के बादे पन्ना वापस ले आवल जा सके ला। तुरंत पैमाना पर पर हटावल गइल पन्ना में भी ई अनुरोध कुछे दसा में कइल जा सके ला, उदाहरण खाती, ल7, व4, व5, व10, व11, आ व12/वफ9 वगैरह के दसा में अइसन अनुरोध ना कइल जा सके ला।
==पन्ना [[:कखग]] के वापस स्थापित करे के अनुरोध==
बना के आ नीचे आपन कारण लिख के दसखत (~~~~
जोड़ के) अनुरोध करीं।
This article uses material from the Wikipedia भोजपुरी article विकिपीडिया:हटावे के नीति, which is released under the Creative Commons Attribution-ShareAlike 3.0 license ("CC BY-SA 3.0"); additional terms may apply (view authors). सामग्री CC BY-SA 4.0 की तहत उपलब्ध बा जबले कि अलगा से बतावल न गइल होखे। Images, videos and audio are available under their respective licenses.
®Wikipedia is a registered trademark of the Wiki Foundation, Inc. Wiki भोजपुरी (DUHOCTRUNGQUOC.VN) is an independent company and has no affiliation with Wiki Foundation.