विकिपीडिया नीति अउरी दिसानिर्देस सब समुदाय द्वारा विकिपीडिया संबंधी कामकाज के सबसे नीक तरीका (बेस्ट प्रैक्टिस) बतावे खातिर, सिद्धांत के साफ-साफ समझावे खातिर, बिबाद के निपटारा करे खातिर, आ अन्य दसा में हमनी के मुक्त आ बिस्वसनीय ज्ञानकोश बनावे के लक्ष्य हासिल करे के ओर आगे बढ़े खातिर बनावल गइल हवें। संपादन शुरू करे से पहिले कौनों नीति या दिसानिर्देस पढ़े के जरूरत ना बाटे। पंचशील में ज्यादातर दसा में लागू होखे वाला सिद्धांत सभ के समझावल गइल बा।
एह पन्ना पर विकिपीडिया के प्रोसीजर संबंधी नीति लिखल गइल बा। |
संछेप में : विकिपीडिया के नीति आ दिसानिर्देस सभ अइसन पन्ना हवें जे कामकाज आ बेहवार के नीक आ पालन करे जोग तारीका बतावेलें, जिनहन के बारे में विकिपीडिया के सदस्य मंडली के आम सहमति बाटे। ई नीति एह बारे में बतावे खातिर बा कि नीति पन्ना के कइसे बिकसित कइल जाय आ रखरखाव कइल जाय। |
नीति अउरी दिसानिर्देस |
---|
सिद्धांत |
|
सामग्री नीति |
|
आचार बेहवार नीति |
|
अन्य नीति श्रेणी |
डाइरेक्टरी |
|
हालाँकि, आमतौर पर विकिपीडिया के बहुत कड़ा नियम-कानून ना हवे, विकिपीडिया के नीति अउरी दिसानिर्देस पन्ना सब एकर सिद्धांत आ कामकाज के सबसे नीक तरीका बतावे लें। नीति सब अइसन मानक हईं जिनहन के पालन आम दसा में हर प्रयोगकर्ता के करे के चाहीं आ दिसानिर्देस सब अलग-अलग दसा में कामकाज के सभसे नीक तरीका बतावे लीं। नीति आ दिसानिर्देस सभ के लागू करे आ पालन करे में हमेशा तर्क आ सहज बुद्धि के इस्तमाल करे के चाहीं।
एह पन्ना पर बतावल गइल नीति, सगरी नीति, दिसानिर्देस आ अन्य अइसन पन्ना सभ के ब्यवस्था (संगठन या ऑरगेनाइजेशन), जीवन-चक्र, रखरखाव, आ पालन से संबंधित समुदाय के मानक सभ के बर्णन बाटे।
विकिपीडिया के संचालन एक ठो गैर-लाभकारी-संस्था विकिमीडिया फाउंडेशन द्वारा होला आ एही के लगे कुछ कानूनी अधिकार सुरक्षित बाटे - एकरे नीति सभ के लिस्ट खातिर विकिमीडिया फाउंडेशन के नीति पन्ना देखल जा सके ला। एकरे अलावा, विकिपीडिया के संस्थापक जिमी वेल्स के भूमिका देखल जा सकेला। अन्य दसा में, विकिपीडिया एक ठो खुद-शासित (सेल्फ-गवर्निंग) प्रोजेक्ट बाटे जे अपने प्रयोगकर्ता मंडली द्वारा चलावल जा रहल बा। नीति आ दिसानिर्देस सब, प्रयोगकर्ता लोग के आम सहमति के प्रकटीकरण हवें। एह तरीका से कुल तीन गो मुख्य किसिम के नीति अउरी दिसानिर्देस एह भोजपुरी विकिपीडिया पर लागू बाड़ें:
नीति सब संपादक मंडली में ब्यापक रूप से स्वीकार्य बाड़ी आ अइसन मानक (स्टैंडर्ड) के बर्णन करे ली जिनहन के सगरी संपादक लोग द्वारा आमतौर पर पालन होखे के चाहीं। सगरी नीति सभ विकिपीडिया:नीति अउरी दिसानिर्देस सभ के लिस्ट आ श्रेणी:विकिपीडिया नीति में बाड़ी। संछेप में इनहन के बिबरण देखे खातिर नीति सभ के लिस्ट भी देखल जाय।
दिसानिर्देस कामकाज के सभसे नीक तरीका (बेस्ट प्रैक्टिस) बतावे लें आ आम सहमती के ऊपर आधारित बाड़ें। संपादक लोग के इनहन के पालन करे के चाहीं आ इनहन के पालन में सहज बुद्धि के प्रयोग करे के चाहीं, कभी-कभार इनहन के अपवाद भी घटित हो सके ला। दिसानिर्देस पन्ना विकिपीडिया:नीति अउरी दिसानिर्देस सभ के लिस्ट आ श्रेणी:विकिपीडिया दिसानिर्देस में मिल जइहें। संछेप में इनहन के बिबरण खातिर देखल जाय दिसानिर्देस सभ के लिस्ट।
निबंध केहू अनुभवी संपादक या संपादक लोग के राय या या नीति के ओ लोग समझ से मतलब बतावे वाला पन्ना हवें। इनहन पर आम सहमति ना होखे इहो हो सकेला। ई पूरा विकिपीडिया समुदाय के राय के प्रतिनिधित्व ना करे लें आ बिना कौनों परमीशन के लिखल जा सके लें आ केहू अन्य संपादक द्वारा संपादित कइल जा सके लें। अइसन निबंध जिनहन खातिर लेखक के आग्रह होखे कि लेखक के अलावा अउरी केहू न संपादित करे या जवन आम सहमति आ परंपरा के साथ कुछ बिरोध रखत होखें, प्रयोगकर्ता नाँवस्थान पर रखे के चाहीं।
अन्य प्रबंधन संबंधी पन्ना जे विकिपीडिया: नाँवस्थान में रखल गइल बाड़ें, इनहन में शामिल बा:
ई अन्य पन्ना सभ नीति भा दिसानिर्देस ना हवें, लेकिन इनहन में विकिपीडिया के समझ बढ़ावे खातिर महत्वपूर्ण जानकारी हो सकत बाटे।
सहज बुद्धि के इस्तमाल से नीति सभ के ब्याख्या करीं आ इनहन के लागू करे करवावे में एही बिबेक के परिचय देईं; नियम सभ के कुछ अपबाद भी हो सकेला। एकरे उलटा, अइसन लोग जे नियम के मूल भावना के उल्लंघन करत पावल जाई उनहन लोग पर कार्रवाई होखी, भले तकनीकी रूप से नियम के उल्लंघन न भइल होखे।
कौनों नीति नियम या दिसानिर्देस सभसे नीक आचरण बेहवार बाटे की ना, एह बात के निर्णय विकिपीडियन समाज के लोग के आम सहमती से होखी। एकरे अलावा, तटस्थता के उल्लंघन, सत्यापन जोग बात के अलावा कुछ लिखल आ विकिपीडिया के कौनों किसिम के परचार इत्यादि के माध्यम बनावल कौनों भी दसा में स्वीकार ना होखी, काहें की ई विकिपीडिया के मूल भावना हवें आ इहाँ लिखल नीति नियम सभसे पहिले से परंपरा द्वारा स्थापित बाड़ें।
कई बेर कौनों नीति या दिशानिर्देस के जिकिर करत समय उहाँ के शॉर्टकट वाला नाँव लिख के इशारा कइल जा सकत बाटे; धियान रहे की कौनों शॉर्टकट खुदे नीति ना हवे।
विकिपीडिया पर एन्फोर्समेंट (नीति नियम लागू कइल) बाकी सामाजिक आपसदारी के बेहवार नियर बाटे। अगर कौनों संपादक समाज के स्थापित अच्छा पैमाना सभ के उल्लंघन करत होखे तब केहू अन्य सदस्य संपादक ओह ब्यक्ति के नीति आ दिसनिर्देश के पालन करे खातिर कह सकत बा। बड़हन आ सीरियस उलंघन या लगातार उलंघन पर विकिपीडिया के प्रबंधक लोग नीति लागू करवावे खातिर एक्शन ले सकत बा। कहले क मतलब ई बा की हर विकिपीडिया संपादक एह पर एह नीति नियम सभ के लागू करवावे के जिम्मेवारी बाटे आ इनहन के उल्लंघन (ना मानल) कौनों दसा में स्वीकार ना हो सकेला। हँऽ बाकी सदस्य लोग के एह बात खातिर सहमत जरूर करावल जा सके ला की कौनों बिसेस कारण से कौनों नीति के अपबाद के रूप में काम के जरूरत बा।
अइसन केस में, जहाँ केहू जानबूझ के आ लगातार नीति सभ के ना मान रहल होखे आ इनहन के उल्लंघन में संपादन कर रहल होखे, ओह लोग के कुछ समय खातिर या अनिश्चित काल खातिर संपादन करे से प्रबंधक द्वारा रोकल जा सकत बा या लगातार विकिपीडिया खातिर समस्या बन चुकल लोग के समुदाय द्वारा आपसी सहमती से प्रतिबंधित कइल जा सकत बाटे।
This article uses material from the Wikipedia भोजपुरी article विकिपीडिया:नीति अउरी दिसानिर्देस, which is released under the Creative Commons Attribution-ShareAlike 3.0 license ("CC BY-SA 3.0"); additional terms may apply (view authors). सामग्री CC BY-SA 4.0 की तहत उपलब्ध बा जबले कि अलगा से बतावल न गइल होखे। Images, videos and audio are available under their respective licenses.
®Wikipedia is a registered trademark of the Wiki Foundation, Inc. Wiki भोजपुरी (DUHOCTRUNGQUOC.VN) is an independent company and has no affiliation with Wiki Foundation.