अक्षांश

भूगोल में, अक्षांश (Latitude-लैटिट्यूड) पृथ्वी के सतह पर मौजूद कौनों बिंदु (जगह) के भूमध्य रेखा से उत्तर भा दक्खिन ओर लोकेशन बतावे वाला कोणीय माप हवे, ई पृथ्वी पर जगह सभ के सटीक लोकेशन निश्चित करे खातिर बनावल तरीका भूगोलीय निर्देशांक सिस्टम क हिस्सा हवे। भूमध्य रेखा के तल, से ऊपर-नीचे, वर्टिकल प्लेन पर, अक्षांश के कोण नापल जाला, एह तरह से, भूमध्यरेखा के अक्षांसी मान सुन्य अंश आ दुनों ध्रुव के मान 90° होला। बाकी सभ जगहन के अक्षांश 0° से 90° की बिच में होला आ एकर उत्तरी भा दक्खिनी गोलार्ध में स्थिति बतावे बदे उत्तर या दक्खिन लिखल जाला, या शार्ट फ़ार्म में N भा S लिखल जाला।

अक्षांश
पृथ्वी के गोला मान के बनावल ग्लोब पर समानांतर रेखा आ मेरिडियन सभ के जाल - ग्रैटिक्यूल। उत्तरी आ दक्खिनी ध्रुव के मिलावे वाली रेखा सभ, सामान देसांतर के मेरिडियन होलीं आ भूमध्य रेखा के समानांतर खींचल वृत्त सभ सामान अक्षास वाला समानांतर रेखा। एह उदाहरण में मेरिडियन सभ के 6° इंटरवल आ समानांतर रेखा सभ के 4° इंटरवल पर खींचल गइल बा।

एकही अक्षांसी मान वाला जगह सभ के मिलावे वाली लाइन के कल्पना कइल जाव त ई सगरी ग्लोब पर वृत्त (सर्किल) के रूप में खींचल जा सके लीं जवन की भूमध्य रेखा के समानांतर होखे लीं, इनहन के समानांतर रेखा कहल जाला। भूमध्य रेखा खुद एगो बड़ा वृत्त होला जबकि बाकी अक्षांसन के समानंतर रेखा सभ छोटहन वृत्त होलीं आ दुनों ध्रुव बिंदु के रूप में होलें। एह तरीका से ग्लोब पर, 0° के इंटरवल पर कुल 179 समानांतर रेखा खींचल जालीं।

अक्षांश के साथ देशांतर के मान बता के कौनों अस्थान क सटीक लोकेशन बतावल जा सकेला। अक्षांस-देशांतर के एक जोड़ा, निर्देशांक भा भूगोलीय निर्देशांक होला। अक्षांस सभ के समानांतर रेखा आ देशांतर सभ के मेरिडियन सभ के जाल के ग्रैटीक्यूल कहल जाला।

जबले स्पष्ट रूप से पूरा नाँव न बतावल जाय, अक्षांस शब्द से मतलब जियोडेटिक अक्षांस से होला। एकरे अलावा, छह प्रकार के सहजोगी अक्षांस (ऑक्जिलरी लैटिट्यूड) भी होखे लें - ऑथेलिक अक्षांस, समरूपी (कॉनफॉर्मल) अक्षांश, भूकेंद्रित अक्षांस, आइसोमीट्रिक अक्षांस, पैरामीट्रिक अक्षांस (भा रिड्यूस्ड अक्षांस), आ रेक्टिफाइंग अक्षांस आ।

इहो देखल जाय

संदर्भ

Tags:

गोलार्धजगहध्रुवपृथ्वीभूगोलभूगोलीय निर्देशांक सिस्टमभूमध्य रेखा

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

प्रजातिओजोन दिवसहिंदुस्तान टाइम्सपाकिस्तानयोनीअमरकंटककियारा आडवानीनेपोलियनसनी लियोनीनीलम गिरीहिन्दुस्तान (अखबार)मैदानविकिपीडिया सभ के सूचीकल्पना पटवारीनवका यमुना पुलआराभंटासैफ अली खानरैदासअज़रबैजानभारत के नेशनल पार्क सभ के लिस्टसलमान खानगेहुँअनवर्चुअल प्राइवेट नेटवर्कहीलियमचौसा आमबियफेयातायातझारखंडशिवाजीशहरनार्वेप्राकृतिक संसाधनदूरबीनबुध (ग्रह)द्वारिकाधीश मंदिरक्राइम पेट्रोलललित होटलसतुआनसेक्स पोजीशनअस्पतालआलोक धन्वाlk78tशिवदासपुरभगत सिंहउर्दूलखनऊ मेट्रोपराग्वेरबींद्रनाथ टैगोरसंसाधन भूगोलचंद्रगुप्त मौर्यअलीगढ़ मंडल26 अप्रैलक्लाइटोरिसयूरोपियन यूनियनगोरखपुर चिड़ियाघरहेरोडोटसगुवाहाटीआदमीब्रह्मांडह्वांग होआसारामपर्यावरणी गिरावटक्लियोपैट्राबिहार के अनुमंडल सभधनगढीमध्य प्रदेशदुसरा बिस्व जुद्धजगन्नाथ मंदिर, पुरी1857 के बिद्रोहअलका याग्निकहरियाणागिनीकुआरलीमागोलघरकृष्ण बिहारी मिश्र🡆 More