टैंगानिका झील: अफिरका में एगो झील

टैंगानिका झील अफिरका के बिसाल झील सभ में से एक बा। साफपानी वाली झील सभ में, ई दुनिया के दुसरा नंबर के सभसे ढेर पानी वाली झील बाटे आ गहिराई में भी दुसरा नंबर पर बा। खाली बैकाल झील एह दुन्नो मामिला में टैंगानिका से आगे एक नंबर पर बाटे। ई दुनिया के सबसे लमहर साफपानी वाली झील भी हवे। झील कुल चार गो देसवन में पड़े ले – तंजानिया, डेमोक्रेटिक रिपब्लिक ऑफ़ कांगो, बुरुंडी, आ जांबिया। तंजानिया (46%) आ डेरि कांगो (40%) के हिस्सा एह झील में ढेर बाटे। झील से निकसे वाला पानी कांगो नदी से हो के अटलांटिक महासागर में पहुँचे ला।

टैंगानिका झील
टैंगानिका झील: भूगोल, संदर्भ, बाहरी कड़ी
अंतरिक्ष से टैंगानिका झील के तस्वीर, जून 1985
टैंगानिका झील: भूगोल, संदर्भ, बाहरी कड़ी
map
निर्देशांक6°30′S 29°50′E / 6.500°S 29.833°E / -6.500; 29.833 29°50′E / 6.500°S 29.833°E / -6.500; 29.833
झील प्रकाररिफ्ट घाटी झील
आगमरुजीजी नदी
मालागारासी नदी
कलाम्बो नदी
निकासलुकूगा नदी
थाला231,000 किमी2 (89,000 वर्ग मील)
थाला के देसबुरुंडी
डेरि कांगो
तंजानिया
जांबिया
अधिकतम लंबाई673 किमी (418 मील)
अधिकतम चौड़ाई72 किमी (45 मील)
सतह क्षेत्र32,900 किमी2 (12,700 वर्ग मील)
औसत गहिराई570 मी (1,870 फीट)
अधिकतम गहिराई1,470 मी (4,820 फीट)
आयतन18,900 किमी3 (4,500 घन मील)
जलनिवास समय5500 साल
किनारा के लंबाई11,828 किमी (1,136 मील)
सतह ऊँचाई773 मी (2,536 फीट)
आबादीकिगोमा, तंजानिया
कलेमाई, डेरि कांगो
बुजुंबुरा, बुरुंडी
संदर्भ
1 किनारा के लंबाई कौनो सटीक माप ना हवे।

"टैंगानिका" नाँव के अरथ 'मैदान नियर झील' या 'बिसाल मैदान की तरे फइलल झील' हवे।:Vol.Two,16

भूगोल

टैंगानिका झील अफिरका के पूरबी रिफ्ट घाटी के पच्छिमी शाखा, अल्बर्टाइन रिफ्ट घाटी के अंदर स्थित बाटे आ घाटी के किनारे के पहाड़न से घेराइल बाटे। ई अफिरका के सभसे बड़ रिफ्ट घाटी झील हवे आ पानी के मात्रा के हिसाब से दुनिया के दुसरे नंबर के सभसे बड़ झील भी हवे। ई अफिरका के सभसे गहिरी झील हवे आ सभसे बड़ साफपानी के झील भी हवे, जेह में दुनिया के कुल मौजूद साफ पानी के 18% हिस्सा मौजूद बाटे। ई झील, लंबाई में उत्तर-दक्खिन के 676 किमी (420 मील) लंबाई में आ 50 किमी (31 मील) चाकर बाटे। झील के कुल क्षेत्रफल 32,900 किमी2 (12,700 वर्ग मील), आ किनारा 1,828 किमी (1,136 मील) लंबा बा, एकर औसत गहिराई 570 मी (1,870 फीट) आ अधिकतम गहिराई 1,470 मी (4,820 फीट) (उत्तरी बेसिन में) बाटे। एह में कुल 18,900 किलोघन मीटर (4,500 घन मील) पानी बाटे। पानी से सतह पर तापमान औसतन 25 °C (77 °F) आ pH औसतन 8.4 बाटे।

बहुत ढेर गहिराई आ उष्णकटिबंधी लोकेशन के कारण झील के पानी के उलटपुलट (टर्नओवर) ना हो पावेला, मतलब ई कि, नीचे के गहिराई में मौजूद पानी के फॉसिल-वाटर कहल जा सके ला आ ई बिना ऑक्सीजन के होखेला। झील के बेसिन, जहाँ ले क पानी एह में गिरे ला, 231,000 किमी2 (89,000 वर्ग मील) बिस्तार वाला बाटे। दू गो मुख्य नदी एह झील में गिरे लीं आ अउरी कई ठे बहुत छोट-छोट नदी भी गिरेलिन। झील में से लुकूगा नदी बाहर निकले ले आ एकर पानी बहा के कांगो नदी में छोड़े ले।

कीवू झील से आवे वाली रुजीजी नदी, 10,000 साल पहिले अस्तित्व में आइल जवन टैंगानिका में उत्तर के ओर से आ के गिरे ले। दुसरी प्रमुख नदी मालागरासी नदी बा, जे तंजानिया के दूसरी सभसे लमहर नदी हवे, पूरुब ओर से आ के गिरे ले। ई नदी टैंगानिका झील से पुरान हवे आ जब झीलिया ना रहल तब सीधे कांगो नदी में जा के मिले।

झील के लोकेशन उष्णकटिबंध में होखे के कारण बास्पीकरण बहुत होला। एही कारण, कीवू झील से बाहर निकल के आवे वाली रुजीजी नदी के पानी के बहाव पर ई निर्भर बा कि टैंगानिका से पानी बाहर बहे। कीवू झील से रुजीजी के रूप में होखे वाला बहाव बहुत पुरान ना हवे आ लगभग 12,000 साल से ई हो रहल बाटे, जब लावा के जमाव के कारण कीवू के पुरनका, एडवर्ड झील से हो के नील नदी में जाए वाला बहाव बंद हो गइल। झील के प्राचीन किनारा के अध्ययन ई सुझावे ला की टैंगानिका के पुरान लेवल वर्तमान से 300 मीटर नीचे रहल होखी आ पानी के कौनों निकास समुंद्र में ना पहुँचत रहल होखी। इहाँ ले कि एकर वर्तमान निकास भी परमानेंट ना हवे, हो सकेला कि जब 1858 में पच्छिमी लोग एकरा खोज कइल तब ई बहाव न रहल होखे।

समय के अलग अलग दौर में एह झील में पानी के आगम आ निकास दुनों में कुछ अंतर भी रहल हो सके ला। ऊँचाई पर मौजूद रुकवा झील से आगम, मलावी झील ले पहुँच, आ नील नदी में एह झील से पानी के निकास, ई सगरी बात इतिहास में कौनों दौर में होखे के प्रस्ताव बिद्वान लोग द्वारा कइल गइल बाटे।

दीप

टैंगानिका झील में कई ठो दीप बाने, जिनहन में मुख्य-मुख्य के नाँव नीचे दिहल गइल बा:

  • कवाला दीप (कांगो डेमोक्रेटिक रिपब्लिक)
  • माम्बा-कयेंदा दीप (कांगो डेमोक्रेटिक रिपब्लिक)
  • मिलिमा दीप (कांगो डेमोक्रेटिक रिपब्लिक)
  • किबिशाई दीप (कांगो डेमोक्रेटिक रिपब्लिक)
  • मुटोनोव दीप (जांबिया)
  • कुम्बुला दीप (जांबिया)

संदर्भ

Tags:

टैंगानिका झील भूगोलटैंगानिका झील संदर्भटैंगानिका झील बाहरी कड़ीटैंगानिका झीलअटलांटिक महासागरकांगो नदीजांबियाडेमोक्रेटिक रिपब्लिक ऑफ़ कांगोतंजानियाबुरुंडी

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

जायसीअस्पतालभारत के नेशनल पार्क सभ के लिस्टयुगांडाछेनाचंद्रमापूजा गौरसलमान खानलीचीस्पेनमानव कामुकताक्लोरीननेपाल के नगरपालिका सभ के लिस्टबैतूल जिलाबाबरशिवमूर्तिअहिंसामेगस्थनीजबीयामाइकल जैक्सनआलिया भट्टमौर्य साम्राज्यतेजपुरमिया खलीफाचिनाब नदीरसगुल्लाइंफ्रास्ट्रक्चररोहतास जिलाबद्रीनाथ मंदिरसंत रविदास नगर जिलासतुआनमैरवाहिंदू धर्मभोजपुरीभागलपुर प्रमंडलगोरखपुर जंक्शन रेलवे स्टेशनजमीननासा2020राहुल सांकृत्यायनतिब्बत के पठारडैनी डेनियल्ससारनाथपानीदिपावलीइंडिया गेटखेलकूदगरमी (सीजन)मकर संक्रांतिएशियाकिली पॉलजमुनालेबनानफेसबुकमेघाग्लोबल वॉर्मिंगयाहू!नरेंद्र मोदीलोकसभाकोसी नदीहिमाचल प्रदेशअमीर खुसरोभारत के लोगलाइब्रेरीमहुआ टीवीअमेरिकास्विट्जरलैंडवायुमंडलअमेजन (कंपनी)दिल्लीटॉरनैडो🡆 More