Wiki भोजपुरी

फेसबुक – ट्विट्टर

बढ़ियाँ लेख
फ्रीडा पिंटो
फ्रीडा पिंटो

फ्रीडा पिंटो (जनम 18 अक्टूबर 1984) एक ठो भारतीय अभिनेत्री बाड़ी जे अबतकले मुख्य रूप से अमेरिकी आ ब्रिटिश फिलिम सभ में काम कइले बाड़ी। मुंबई में पलल-बढ़ल पिंट, बचपने में ऐक्ट्रेस बने के सोच लिहली आ पढ़ाई के बाद, मॉडल आ टीवी प्रस्तुतकर्ता के काम कइली आ फिलिम ऐक्ट्रेस बन गइली।

पिंटो के 2008 में आइल ब्रिटिश फिलिम 'स्लमडॉग मिलियनेयर' में लतिका के रोल से पहिचान मिलल, पहिलिये फिलिम के बावजूद काम के बहुत तारीफ भइल, पाम स्प्रिंग इंटरनेशनल फिलिम फेस्टिवल में ब्रेकथ्रू परफौरमेंस अवार्ड मिलल, आ बाफ्टा के कई ठे श्रेणिन में नामांकन भइल। एकरे बाद ऊ कई ठे अमेरिकी आ ब्रिटिश फिलिम सभ में लउकली आ इनके सभसे बड़ सफलता मिलल 'साइंस फिक्शन' फिलिम राइज ऑफ दि प्लैनेट ऑफ एप्स (2011) से। पिंटो, माइकल विंटरबॉटम के फिलिम तृष्णा (2011) में मुख्य रोल कइली आ डेजर्ट डांसर (2014) में इनके परफारमेंस के समालोचक लोग भी सराहल।

बिदेसी फिलिम सभ में भारतीय नारी के रूढ़ पहिचान तूरे खातिर भारतीय मीडिया में इनके तारीफ जरूर भइल बाकी भारतीय सिनेमा में उनके कमे पहिचान मिलल बाटे। फिलिम कैरियर के आलावा ऊ नारी सशक्तीकरण आ मानवतावादी मुद्दा सभ के परमोशन से भी जुड़ल बाड़ी।

समाचार में
Chandrayaan-3 Integrated Module in clean-room
  • चंद्रयान-3 (इंटीग्रेटेड मॉड्यूल के फोटो) के सफल लैंडिंग के बाद चंद्रमा के दक्खिनी ध्रुव इलाका में सॉफ्ट लैंडिंग करावे वाला भारत पहिला देस, आ चंद्रमा पर उतरे वाला चउथा देस बन गइल।
  • 2023 आईपीएल के सुरुआत हो चुकल बा जे 28 मई ले चली। पहिली बेर एह में भोजपुरी भाषा में कमेंट्री हो रहल बा।
  • नाटू नाटू गीत के 95वाँ अकादमी अवार्ड्स में 'ओरिजिल सॉन्ग' की श्रेणी में ऑस्कर अवॉर्ड मिलल बाटे, ई एह इनाम के पावे वाला पहिला भारतीय आ एशियाई गीत बाटे।
  • जापान के पूर्व परधानमंत्री शिंजो आबे के निधन भ गइल, उनुका के गोली मारल गइल रहल।
का आपके मालुम बा?
  • ...कि सदाबहार फूल वाला पौधा सभ के एगो जाति हवे जेह में आठ गो प्रजाति होलीं आ इनहन में से सात गो मैडागास्कर के मूल प्रजाति हईं जबकि एक ठो भारत-श्रीलंका के प्रजाति हवे।
  • ...कि रसगुल्ला एगो भारतीय मिठाई ह जेकरे उत्पत्ती के अस्थान पर पच्छिम बंगालउड़ीसा राज्यन के बीच में बिबाद बा आ बंगाली रसगुल्ला के जीआइ टैग मिलल बा?
  • ...कि दानयांग-कुनशान ग्रांड पुल चीन के सुझोऊ प्रांत में बाटे आ 164.8-किलोमीटर (102.4-मील) लमहर ई पुल दुनियाँ के सभसे लमहर पुल बाटे।
  • ...कि केल्ट-9बी नाँव के बाहरीग्रह, अबतक ले खोजल गइल ग्रह सभ में सभसे गरम ग्रह बाटे।

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

रसगुल्लाअमीर खुसरोदीया और बाती हमकाठमांडो घाटीमन की आवाज-प्रतिज्ञाभारत के भूगोलऑक्सीजनछठललित निबंधसतलजमहीनागुलाबी सदाबहारयोनीनील नदीश्रीदेवीचीनी भाषातंजानियासिवान अनुमंडलभैरो बाबाहिमालयकैलेंडरबिहार के प्रमंडल सभ के लिस्टजमानिया1857 के बिद्रोहधुआँगंगा जमुना सरस्वतीझंडाइस्कान मंदिर, दिल्लीसिंधु नदीमुख्य पन्नाकैलिफोर्नियामैरवावल्ड वाइड फंड फॉर नेचरबिसुवत रेखागोमती नदीगोरखपुर जंक्शन रेलवे स्टेशनभारतीय संस्कृतिसंभोगदक्कन पठारसिक्किमबौद्ध मंदिरमहारानी के घोषणापत्ररोमानियाजनपदअमेजन जंगलभारत के लोगदि टाइम्स ऑफ इंडियामानव भूगोलनोमोनिक प्रोजेक्शनफागुनजगदीप धनखड़तुर्कीकुआरजनसत्ताडोमकंचनपुर जिलास्वेज नहरटाइम जोनअरविंद केजरीवालसोनाक्षी सिन्हाउर्दूबिहार के अनुमंडल सभछेनासामूहिक सेक्समनुस्मृतिआजमगढ़वृंदावननाइट्रोजनआलिया भट्टइंटरनेटलद्दाखराम मंदिर, अयोध्यास्तन🡆 More