भारतीय संस्कृति: भारत के संस्कृति

भारतीय संस्कृति भा भारत के संस्कृति भारत के लोग के जीवन जिए के तरीका हवे। भारत के धर्म, भाषा, डांस, संगीत, भवन निर्माण, खानपान, आ रीति-रिवाज एक इलाका से दुसरा इलाका के बीच बहुत बिबिधता लिहले बा। भारत के ई संस्कृति इहाँ से लाखन बरिस पुरान इतिहास के परिणाम बाटे। भारत के एह बिबिधता वाली संस्कृति के, खासतौर पर धर्म आ दर्शन अउरी खानपान के बिबिधता के पुरा दुनिया पर परभाव देखे के मिले ला।

भारत दुनिया की प्राचीनतम सभ्यता और दुनिया में सबसे अधिक आबादी वाले देशन में से एगो ह। भारत  क संस्कृति कई चीज़ के मिला-जुला के बनेले, जेमें  भारत क लम्बा इतिहास, विलक्षण भूगोल और सिन्धु घाटी क सभ्यता के दौरान बनल और आगे चलकर  वैदिक युग में विकसित भइल, बौद्ध धर्म एवं स्वर्ण युग  क शुरुआत और ओकरी अस्तगमन की साथ फलल-फूलल आपन खुद क प्राचीन विरासत शामिल बा। एकरी साथे-साथ ही पड़ोसी देशन क रिवाज़, परम्परा और विचारन क भी एमें समावेश बा। पिछला पाँच सहस्राब्दियन से अधिक समय से भारत क रीति-रिवाज़, सब भाषा, प्रथा और परंपरा, एकर एक-दूसरे से परस्पर संबंधन में महान विविधता क एगो अद्वितीय उदाहरण देली स। भारत कई धार्मिक प्रणाली, जैसे कि हिन्दू धर्म, जैन धर्म, बौद्ध धर्म और सिख धर्म  क जनक ह। ए मिश्रण से भारत में उत्पन्न भइल विभिन्न धर्म और परम्परा  से  विश्व क अलग - अलग हिस्सा काफ़ी प्रभावित कइले बा।

धर्म

भारतीय संस्कृति: भारत के संस्कृति 
हरिद्वार में हिंदू पूजा में आरती अनुष्ठान

भारत  हिन्दू धर्म, बौद्ध धर्म, सिख धर्म, जैन धर्म आदि क जन्म स्थली ह, एके कुल मिलाके भारतीय धर्म कहल जाला। आज, हिन्दू धर्म और बौद्ध धर्म क्रमशः दुनिया क तीसरा और चौथा सबसे बड़ा धर्म हंव स, जेमें 2 बिलियन से ज्यादा अनुयायी बान स। हिन्दू धर्म, बौद्ध धर्म, सिख धर्म, जैन धर्म क अनुयायी भारत क 80-82% जनसंख्या बनेले।

विश्व भर में भारत में धर्म में विभिन्नता सबसे ज्यादा बा, जेमें से कईगो सबसे कट्टर धार्मिक संस्था और संस्कृति शामिल बा। आजो धर्म एइजा की ज़्यादा-से-ज़्यादा लोगन की बीच मुख्य और निश्चित भूमिका निभावेला। एईजा 80% से ज्यादा लोगन क धर्म हिन्दू धर्म ह। कुल भारतीय जनसँख्या का 14.2% हिस्सा  इस्लाम धर्म के मानेला, इसाई 2.3%,  सिख धर्म 1.7%,   बौद्ध धर्म 0.7% और जैन धर्म क अनुयायी 0.4% बान स।

लेकिन भारतीय जीवन में धर्म क मज़बूत भूमिका की बावजूद नास्तिक और  अज्ञेयवादियन  क भी प्रभाव लउकेला।

संदर्भ

Tags:

भारत

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

पनामा नहरटॉरनैडोहजारी प्रसाद द्विवेदीफ्रांसीसी क्रांतिईसवी सनहाजीपुरट्रांस हिमालयमंगरइलडोमभैरो बाबाकृष्णा सोबतीमानव भूगोलनाइट्रोजनअहरौराधुआँमहात्मा गाँधीस्लमडॉग मिलियनायरखेलकूदरामचरितमानसनेपालशिवाजीसिवान अनुमंडलविष्णुधमेक स्तूपचारमीनारभरत शर्मागंगा नदीकरुणाबिहार के भूगोलआसमानचंद्रशेखर आज़ाद रावणमुंबईउत्तर प्रदेश के जिला सभ के लिस्टयूरोप के संस्कृतितिरंगाशिल्पा शेट्टीआकासी बिजलीबाल दिवसपृथ्वीराज चौहानफेसबुकक्लाइटोरिसमहुआ टीवीअहिंसामऊरानीपुरजॉर्डनक्लियोपैट्राकोशी प्रदेशअखंड भारततेजपुरचंबल नदीटीवी प्रस्तुतकर्ताकलकत्ताजॉन लॉकतुगलकाबाद किलाराजेंद्र प्रसाददेव आनंदनेशनल हाइवे 44गोरखपुर जंक्शन रेलवे स्टेशनमदर टेरेसाअवधमोइन उल हक स्टेडियममैथ्यू अर्नाल्डगोवामहादीपमहीनापहाड़सोन नदीभारत के सीमाराजाजी नेशनल पार्कझंडाचंद्रगुप्त मौर्यभारत के बायोस्फियर रिजर्व सभ के लिस्टसमस्तीपुर जिला🡆 More