अखंड भारत

अखंड भारत (बिना बिभाजन भा बँटवारा के भारत) चाहे अखंड हिंदुस्तान, एगो टर्म ह जे बिसाल-बड़हन भारत (ग्रेटर इंडिया) के बिचार के ब्यक्त करे ला। एह बिचार के तहत ई कहल जाला की आज्काल्ह के अफगानिस्तान, पाकिस्तान, भारत, नेपाल, तिब्बत, भूटान, बांग्लादेश, बर्मा (म्यांमा), श्रीलंका आ मालदीव एकही नेशन (राष्ट्र) हवें।

अखंड भारत
अखंड भारत के कांसेप्ट देखावत दक्खिन एशिया के नक्शा।

भारत के आजादी के लड़ाई के दौरान कन्हैयालाल माणिकलाल मुंशी अखंड हिंदुस्तान खातिर आवाज उठवलें आ महात्मा गाँधी एह बिचार के सपोर्ट कइलें — ई मान के कि ब्रिटिश लोग भारत के "बाँटऽ आ राज करऽ" नीति पर चल के आपन राज बरकरार रखल चाहत बाटे। भारत के बँटवारा के खिलाफ मुंशी आवाज उठवलें आ एकर अगुआई गाँधी कइलें जब हरिजन पत्र में मुंशी के स्पीच अखंड हिंदुस्तान के नाँव से छपल। पाकिस्तानी पत्रकार आ लेखक मज़हर अली खान लिखे लें कि खान बंधू लोग हिंदू-मुस्लिम एकता के समर्थन करे आ मुस्लिम लीग के ललकारल कि अलगा से इलेक्टोरेट के माँग से पहिले एह मुद्दा खातिर लड़ल जरूरी बाटे।

आज्काल्ह एह बिचार के समर्थन दक्खिनपंथी हिंदुत्ववादी लोग द्वारा, खास क के आरएसएसभाजपा के नेता लोग द्वारा कइल जा रहल बा। कई सेकुलरो लोग एह बिचार के समर्थन करे ला आ भारत के दोबारा एकीकरण (रीयूनीफिकेशन) के वकालत करे ला; जइसे इंडियन रीयूनिफिकेशन एसोसिएशन (आईआरए) जेकर चेयरमैन भारत क पूर्ब चीफ जस्टिस मार्कंडेय काटजू बाड़ें।

संदर्भ

Tags:

अफगानिस्तानतिब्बतनेपालपाकिस्तानबड़हन भारतबांग्लादेशभारतभूटानमालदीवम्याँमारश्रीलंका

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

लंदनजननी जन्मभूमिश्च स्वर्गादपि गरीयसीलैटिनमैंगीफेरा इंडिकाअज्ञेयशाहजहाँबिहार में प्रशासनविकिपीडियाढोला-सदिया पुलचीनीताप्तीसुर्खेत जिलाअक्षांशभारतीय मसाला सभ के लिस्टसिरोही जिलाअरवल जिलागुट-निरपेक्ष आंदोलनएक्सवीडियोजहरियाणाउदित नारायणबिंदुसारलोकेशनग्रेट लेक्सकंचनजंघाबारहखड़ीमहाकालइसरोजनपदजिम्बाब्वेभारतीय संस्कृतिश्रीहर्षअनामदास का पोथासतुआनसोनपुर मेलासीजनमंगल ग्रहपड़रौनादुसरी बौद्ध संगीतिजतरा भगतअमरनाथ गुफा मंदिरसर्वेअंगूरभारत छोड़ो आंदोलनआईएसबीएनडैनी डेनियल्सभरतनाट्यमबनारस के घाटपुणेटाइम जोनखसरारैडिसन ब्लूहावड़ा ब्रिजनाटो के सदस्य देशहिमालयप्रजातिकेसरिया रंगपूर्वांचल एक्सप्रेसवेखेलकूदप्रेम चोपड़ाचंडीगढ़ऑपरेटिंग सिस्टमपठारस्पेनलाओसकुंचिकल झरनारानी चटर्जीमीता वशिष्ठ2024 के भारतीय आम चुनावरैदासभागलपुर जिलापर्ल नदीगोलघरकाल बैसाखी🡆 More