बिहार में प्रशासन

बिहार भारत के एगो राज्य ह जवन उत्तर भारत में स्थित बा। इ राज्य के पूरब में पछिम बंगाल पड़ेला त,, पछिम में उत्तर प्रदेश बा, दखिन में झारखंड बा त उत्तर में नेपाल स्थित बा।

बिहार में प्रशासन
बिहार में प्रशासन
बिहार के राज चिन्ह्
सरकार के गद्दी
पटना
कार्यकारी अधिकारी
गवर्नरफागु चौहान
बिहार के मुख्यमंत्रीनीतीश कुमार
विधायी
बिहार विधान सभा
सभापतिविजय कुमार चौधरी
सभा में सदस्य कुल243
बिहार विधान परिषद
अध्यक्षअवधेश नारायण सिंह
परिषद में सदस्य कुल75
न्यायतंत्र
पटना उच्च न्यायालय
उच्च न्यायालय के मुख्य न्यायाधीश लोगजस्टिस अमरेश्वर प्रताप शाही
जिला अदालत
पंचायत
प्रशासनिक विभाजन
बिहार के प्रमंडल सभ9
बिहार के जिला सभ38
बिहार के अनुमंडल सभ101
शहर130
ब्लॉक534
पंचायत8,406
गांव45,103
पुलिस चौकी853
Police Districts43
bihar.nic.in

इतिहास

1905 से पहिले बिहार ब्रिटिश ईस्ट इंडिया कम्पनी के बंगाल प्रेसीडेंसी के एगो हिस्सा रहल। 1905 में बंगाल के विभाजन भइल आ दुगो नया प्रदेश सभ के जन्म भइल: पूरबी बंगाल आ पछिमी बंगाल। उ बेरा ले बिहार पछिम बंगाल के हिस्सा रहल। 1911 में पछिम बंगाल आ पूरबी बंगाल फिर से एक हो गइल लेकिन ओहि बेरा बिहार आ उड़ीसा के लोग अपना खातिर अलग राज्य के मांग करे लगले जा जवन धरम के आधार पर ना बल्कि भाषा के आधार पर बने। 1912 में "बिहार आ उड़ीसा" नाम के एगो नया प्रदेश के स्थापना भइल जवन बंगाल प्रेसीडेंसी के पछिमि हिस्सन के अलग कर के बनल रहल। 1936 में, "बिहार आ उड़ीसा" नाम के प्रदेश के तोड़ के दूगो अलग अलग प्रदेश बनल: बिहारउड़ीसा

बिहार में प्रशासन 
1905 में बिहार के क्षेत्र बंगाल प्रेसीडेंसी में देखल जा सकत बा।

बिहार आ उड़ीसा

उ प्रमंडल सभ जवन 1912 में "बिहार आ बंगाल" नाम के प्रदेश बनत समय बंगाल प्रेसीडेंसी से अलग भइल रहल:

  • भागलपुर प्रमंडल (भागलपुर जिला, मुंगेर जिला, पूर्णिया जिला आ संथाल परगना जिला)
  • पटना प्रमंडल (गया जिला, पटना जिला आ शाहबाद)
  • तिरहुत प्रमंडल (दूनो चंपारण जिला, दरभंगा जिला, मुजफ्फरपुर जिला आ सारण जिला)
  • छोट नागपुर प्रमंडल (हजारीबाग, मानभूम, पलामू, रांची आ सिंहभूम)
  • उड़ीसा प्रमंडल (अंगुल, बालासुर, कटक, पूरी आ संबतपुर)

1 अप्रैल 1936 के "बिहार आ उड़ीसा" नाम के प्रदेश के दू टुकड़ा भइल आ दुगो नया प्रदेश बनल: 1. बिहार प्रदेश 2.उड़ीसा प्रदेश

बिहार में प्रशासन 
1912 में बिहार आ उड़ीसा प्रदेश

बिहार प्रदेश

1936 में, बिहार नाम के एगो अलग प्रदेश बनल जवना में हाल के झारखंड भी शामिल रहल।

स्वतंत्रता के बाद 1951 में, बिहार (झारखंड सहित) में कुल मिला के 18 गो जिला सभ रहले, आ 1991 में बढ़ के 55 गो जिला हो गइल।

बिहार राज्य

2000 ई० में बिहार राज्य के फिर से विभाजित होखे के पड़ल: हाल के बिहार आ झारखंड। 2001 में बिहार में कुल 38 गो जिला सभ रहे।

प्रशासनिक बनावट

बनावट के हिसाब से बिहार प्रमंडल, जिला, प्रखंड, नगर निगम, नगरपालिका (नगर परिषद) आ नगर पंचायत में बंटल बा।

राज्य 9 गो प्रमंडल, 38 गो जिला आ 534 गो प्रखंड (ब्लॉक) में बंटल बा। ई के साथ साथ 12 गो नगर निगम, 49 गो नगर परिषद आ 80 गो नगर पंचायत में भी बंटल बा।


 
 
 
 
 
 
 
भारत
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
बिहार
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
प्रमंडल
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
जिला
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
प्रखंड
(तहसील)
 
नगर परिषद
(महानगरपालिका)
 
 
 
नगरपालिका
 
नगर पंचायत
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
गांव
(ग्राम)
 
 
 
 
 
 
 
वार्ड

प्रमंडल सभ

बिहार में कुल मिला के 9 गो प्रमंडल बा:

जिला सभ

बिहार में 38 गो जिला सभ बाड़े जवन 9 गो प्रमंडल सभ में वर्गीकृत बाड़े।

अनुमंडल सभ

बिहार के अनुमंडल उपजिला के तरह बा, एगो जिला एक से अधिक अनुमंडल में बंटल हो सकत बा। बिहार में हाल में 101 अनुमंडल बाड़े।

प्रखंड सभ

बिहार 534 गो प्रखंड/तहसील/तालुका/ब्लॉक में बंटल बा जे के सामुदायिक विकास खंड भी बोलल जाले।

नगर परिषद सभ

नगरपालिका

नगर पंचायत

न्यायालय

उच्च न्यायालय

पटना उच्च न्यायालय बिहार राज्य के उच्च न्यायालय ह। इ न्यायालय के स्थापना 3 फरवरी 1916 में भइल रहल आ बाद में भारत सरकार 1915 के अधिनियम के तहत संबद्ध कर दिहल गइल। इ न्यायालय के मुख्यालय पटना में बा।

22 मार्च 1912 के भारत के गवर्नर जनरल द्वारा उच्च न्यायालय बनावे के घोषणा करल गइल। 1 दिसंबर 1913 के पेनशर्स्ट के महामहिम स्वर्गीय भारत के वाइसराय आ गवर्नर जनरल चार्ल्स हार्डिंगे द्वारा नींव के पत्थर रखल गइल। 3 फरवरी 1916 के पटना उच्च न्यायालय के निर्माण पूरा होखला पर चार्ल्स हार्डिंग द्वारा इ के औपचारिक रूप से खोल दिहल गइल। माननीय श्रीमान न्यायाधीश एडवर्ड मेनार्ड डेस चैंप चेमियर पटना उच्च न्यायालय के पहिलका मुख्य न्यायाधीश रहनी।

इ उच्च न्यायालय 2 गो मुख्य न्यायाधीश दिहले बा: माननीय श्रीमान न्यायाधीश भुवनेश्वर प्रसाद सिन्हा, छट्ठा भारत के मुख्य न्यायाधीश आ माननीय श्रीमान न्यायाधीश ललित मोहन शर्मा, 24 वां भारत के मुख्य न्यायाधीश

माननीय मुख्य न्यायाधीश श्रीमान राजेन्द्र मेनन पटना उच्च न्यायालय के वर्तमान के मुख्य न्यायाधीश बानी। उहां के 15 मार्च 2017 के आपन कार्यालय अधिग्रहण कईनी।

शहरी अदालत/नगरीय न्यायालय

विधान मंडल

बिहार भारत के उ सात राज्य सभ में से एगो ह जहां द्विसदनीय विधान के व्यवस्था बा। द्विसदनीय विधान वाला अन्य दुसर राज्य कुल बाड़े: उत्तर प्रदेश, कर्नाटक, महाराष्ट्र, जम्मू अउर कश्मीर, तेलंगाना आ आंध्र प्रदेश. इ राज्य कुल में विधान परिषद ऊपरी सदन आ विधान सभा निचली सदन के रूप में काम करेला।

विधान सभा

बिहार विधान सभा पहिलका बार 1937 में अस्तित्व में आइल। वर्तमान में इ सदन में 243 सदस्य सभ के व्यवस्था बा।

विधान परिषद

1911 में अलग "बिहार आ उड़ीसा" प्रदेश बनला के बाद, 1912 में अलग अलग वर्ग से नियुक्त 43 सदस्यन के एगो विधान परिषद बनल। परिषद के पाहिलका बैठक 20 जनवरी 1913 के बैठल रहल। 1936 में बिहार उड़ीसा से अलग हो गइल। भारत सरकार अधिनियम 1919 के तहत एकसदनिय विधान द्विसदनीय विधान में बदल गइल।

इहो देखल जाय

बाहरी कड़ी

संदर्भ

Tags:

बिहार में प्रशासन इतिहासबिहार में प्रशासन प्रशासनिक बनावटबिहार में प्रशासन न्यायालयबिहार में प्रशासन विधान मंडलबिहार में प्रशासन इहो देखल जायबिहार में प्रशासन बाहरी कड़ीबिहार में प्रशासन संदर्भबिहार में प्रशासनउत्तर प्रदेशउत्तर भारतझारखंडनेपालपछिम बंगालबिहारभारत

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

चंद्रगुप्त मौर्यहवा क्वालिटी इंडेक्सप्लेबैक सिंगरमादा जननांगनमामि गंगेकामदेवक्लोरीनपूर्वांचलकोसी नदीसर्च इंजन ऑप्टिमाइजेशनएनेस्थीसियाव्लादिमीर पुतिनहिंदी पट्टीमगध प्रमंडलजंगलकालिदासवेंकैया नायडूलक्समबर्गदामोदर नदीजर्मनीचीनीदुर्गा सप्तशतीपृथ्वी के घूर्णनब्राज़ीलराष्ट्रीय गीतबाबा नागार्जुनबिहार बोर्डहिंदी भाषाढोला-सदिया पुलशेर शाह सूरीऋषि कपूरमिस्रकैमूर श्रेणीलाओसरजनीशबिजनेसकैरीबा झीलअहिंसाअमेरिकाउत्तर प्रदेश के मंडल सभ के लिस्टटॉरनैडोचट्टानज्वालामुखीयूआरएलकृष्ण बिहारी मिश्रजमीनकुचिपुड़ीआईपी पताआमभारत के सीमाद इंडिपेंडेंटकनाडाकेसरिया रंगअवधी भाषादेसी मुर्गाअखिलेश यादवबाणभट्टग्लेशियरऔरततुर्की2023पुनीत राजकुमारसिंधक्राइम पेट्रोलजामा मस्जिद, दिल्लीइजराइलगाँवआल्प्ससेक्स पोजीशनयूरोपियन यूनियनबिहारी भाषाबकरीद🡆 More