मैंग्रोव

मैंग्रोव अइसन छोट झाड़ी नियर पौधा चाहे फेड़ होलें जे समुंद्र के तटीय इलाका सभ के खारा पानी चाहे कुछ कम खारा पानी (ब्रैकिश वाटर) में होखे लीं। मैंग्रोव शब्द के इस्तेमाल अइसन उष्णकटिबंधी इलाका भा क्षेत्र सभ खातिर भी होला जहाँ एह तरह के बनस्पति पावल जालीं। मैंग्रोव बनस्पति पूरा दुनियाँ भर में उष्णकटिबंध आ उपोष्णकटिबंध के इलाका में पावल जालीं, इहाँ तक कि कुछ समशीतोष्ण इलाका सब में भी मिले लीं; हालाँकि, इनहन के मुख्य एरिया 30° N आ 30° S हवे आ सभसे बेसी कंसंट्रेशन भूमध्यरेखा के 5° दुनों ओर के बीचा में देखे के मिले ला।

मैंग्रोव
मैंग्रोव के सोर भाटा के समय पानी से ऊपर उतराइल रहे लीं
मैंग्रोव
केरल के कन्नूर में मैंग्रोव बनस्पति

मैंग्रोव के उत्पत्ती लेट क्रीटैशियस से पैलियोसीन के बीचा में भइल मानल जाला आ ई पूरा बिस्व में फइल गइल, बिसेस रूप से प्लेट टैक्टॉनिक्स संबंधी मूवमेंट के चलते।

मैंग्रोव सभ नमक के सह सके लें (इनहन के हैलोफाइट कहल जाला), आ लहर सभ के मार झेल सके लें; एही कारण ई समुंद्र के तीरे के के कठिन पर्यावरण में अपना के एडाप्ट क सके लें। इनहन में एक किसिम के जटिल सिस्टम होखे ला जे नमक के छान सके ला आ इनहन के सोर (जड़) नमकीन पानी में बूड़े आ लहर के झटका झेले खातिर बिसेस रूप से तइयार रहे ले। ई कम ऑक्सीजन वाला पानी के जमाव वाला दलदली कीचड़-कानो वाला क्षेत्र सैम में भी रह सके लें हालाँकि, अंतरज्वारीय क्षेत्र के ऊपरी हिस्सा में इनहन के बढंती बिसेस रूप से होखे ला।

पर्यावरण खातिर मैंग्रोव बन सभ के बिसेस महत्त्व बाटे। ई समुंद्र तट के सुरक्षा करे लें, इनहन के सोर (जड़) कई किसिम के जीवधारी सभ के आवास बने लीं; इनहन के दलदली इलाका कार्बन के सोख के नीला कार्बन में बदले ला आ जलवायु बदलाव के रोके में सहायक होला। गंगा-ब्रह्मपुत्र डेल्टा में, भारतबांग्लादेस में फइलल सुंदरबन दुनिया के सभसे बड़ एकलगातार मैंग्रोव बन हवे। एहिजे के एगो खास मैंग्रोव बनस्पति heritiera fomes के सुंदरी के पेड़ कहल जाला।

इहो देखल जाय

बाहरी कड़ी

Tags:

उष्णकटिबंधखारा पानीनुनछाह पानीबिसुवत रेखा

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

स्ट्रॉम्बोलीयूक्रेनबिस्मिल्ला ख़ाँकेरलट्विटर1992जमानियालाइब्रेरीआंध्र प्रदेशट्रांस हिमालयबिहार बोर्डफ्लोरिडागोरखपुर जंक्शन रेलवे स्टेशनमनी प्लांटपनामा नहरभतुआमार्चश्रीदेवीदानयांग-कुनशान ग्रांड पुलसोनाक्षी सिन्हासौर मंडलतेजपुरद डोर्ससंधिमकर रेखाअटल बिहारी वाजपेयीसुर्खेत जिलाजयप्रकाश नारायणबद्रीनाथ मंदिरदेहातनॉमिनल जीडीपी के अनुसार बिस्व के देस सभ के लिस्टबंगलौरबरौनी रिफाइनरीमौर्य साम्राज्यरीमा लागूनारियलओजोन परतअलेक्जेंडर कनिंघमभूटानभारत के नेशनल पार्क सभ के लिस्टस्टेपदि गार्जियनफ्रिजस्पून्स सेक्स पोजीशनअखंड भारतगरमी (सीजन)वेदब्राज़ीलमोतीलाल नेहरूक्लियोपैट्रामहादीपकोलोरैडो नदीचारमीनारआर्मीनियाट्रिपल एक्स (2002 फिलिम)मिया खलीफागुवाहाटीवात्स्यायनकुसुमी जंगलमाहेश्वर सूत्रगुरु गोबिंद सिंहगणनाएंड्रॉइडचंपासमुद्रगुप्तभिखारी ठाकुरलिसोथोज्ञानकोशभारत छोड़ो आंदोलनजनपदपवन कल्याणपबजी🡆 More