पटना: बिहार के राजधानी आ भारत के प्रमुख शहर

पटना (कैथी: 𑂣𑂗𑂢𑂰) भारत में बिहार प्रान्त क राजधानी ह। पटना क प्राचीन नाँव पाटलिपुत्र रहे। आधुनिक पटना दुनिया की कुछ अइसन गिनल-चुनल प्रचीन नगरन में से बा जेवन बहुत प्राचीन काल से आज ले आबाद बाड़ें। अपने आप में ए शहर क बहुत इतिहासी महत्व बाटे।

पटना
𑂣𑂗𑂢𑂰
ऊपर ले घड़ी के उलटा दिशा मे: दक्खीन-पक्खिम गांधी मैदान मार्ग, बुद्ध स्मृति पार्क के स्तूप,बिस्कोमान भवन, पटना संग्रहालय, गांधीजी के मूर्ति, गांधी मैदान, मीठापुर पुल आ गंगा नदी
ऊपर ले घड़ी के उलटा दिशा मे: दक्खीन-पक्खिम गांधी मैदान मार्ग, बुद्ध स्मृति पार्क के स्तूप,बिस्कोमान भवन, पटना संग्रहालय, गांधीजी के मूर्ति, गांधी मैदान, मीठापुर पुल आ गंगा नदी
देसपटना: प्राचीन काल, मौर्यकाल, गुप्ता आ मुग़ल काल भारत
राज्यबिहार
क्षेत्रमगध
प्रमंडलपटना
जिलापटना
वार्ड72 वार्ड
Founded byअजातशत्रु
Area
(2001)
 • Urban
135.79 किमी2 (52.43 बर्ग मील)
 • Metro
234.70 किमी2 (90.62 बर्ग मील)
 • City99.45 किमी2 (38.40 बर्ग मील)
Elevation
53 m (174 ft)
Population
 (2011)
 • Density16,925/किमी2 (43,840/बर्ग मील)
 • Urban
2,046,652 (IN: 18th)
 • Metro
2,231,554
 • City
1,683,200 (IN: 19th)
DemonymPatnaite
भाषा
 • Spokenभोजपुरी, अंग्रेजी, हिंदी, मगही
Time zoneUTC+5:30 (IST)
पिनकोड
800 XXX
Vehicle registrationBR 01
Sex ratio1.13 ♂/♀
Literacy84.71%
Lok Sabha constituenciesPatna Sahib and Pataliputra
Vidhan Sabha constituenciesDigha (181), Bankipur (182), Kumhrar (183), Patna Sahib (184), Fatuha (185), Danapur (186), Maner (187), Phulwari-SC (188), Masaurhi (189), Paliganj (190)
जलवायुCwa (कोपेन)
बरखा1,100 मिलीमीटर (43 इंच)
औसत सालाना तापमान26 °C (79 °F)
औसत गर्मी के तापमान30 °C (86 °F)
औसत जाड़ा के तापमान17 °C (63 °F)
Websitepatnanagarnigam.in
patna.bih.nic.in

मेगस्थनीज (३५० ईपू-२९० ईपू) अपनी भारत भ्रमण की बाद लिखल पुस्तक इंडिका में ए नगर क उल्लेख पलिबोथ्रा (पाटलिपुत्र) की रूप में कइलें जेवन गंगा अउरी अरेन्नोवास (सोनभद्र-हिरण्यवाह) की संगम पर बसल रहे। ओ पुस्तक की आकलन की हिसाब से प्राचीन पटना (पलिबोथा) 9 मील (14.5 कि.मी.) लम्बा तथा 1.75 मील (2.8 कि.मी.) चौड़ा रहल होई।

आधुनिक पटना बिहार राज्य क राजधानी ह आ गंगा नदी की दक्षिणी किनारा पर अवस्थित बा। सोलह लाख (16,00,000) से अधिक आवादी वाला ई शहर, लगभग 15 कि.मी. लम्बा आ 7 कि.मी. चौड़ा बाटे।

प्राचीन बौद्ध आ जैन तीर्थस्थल वैशाली, राजगीर या राजगृह, नालन्दा, बोधगया अउरी पावापुरी पटना शहर की आसे-पास बाड़ें। पटना सिक्ख लोगन खातिर पवित्र अस्थान हवे। सिक्ख लोगन क 10वें आ अंतिम गुरु गुरू गोबिंद सिंह क जन्म एहिजा भइल रहे| हर बरिस देश-विदेश से लाखन गो सिक्ख श्रद्धालु पटना में हरमंदिर साहब क दर्शन करे आवेला लोग आ मत्था टेकेला लोग।

एतिहासिक आ प्रशासनिक महत्व की अलावा पटना शिक्षा आ चिकित्सा क भी प्रमुख केंद्र हवे। देवारिन से घिरल नगर क पुराना क्षेत्र, जेवना के पटना सिटी कहल जाला अगो प्रमुख वाणिज्यिक केन्द्र हवे।

पूर्वी भारत में कोलकाता की बाद पटना दूसर सबसे बड़ शहर ह। 2011 में 16 लाख से ज्यादा आबादी की साथ ही भारत क 19वां सबसे बड़ शहर रहे। एईजा पटना हाई कोर्ट आइल बा।

2009 में वर्ल्ड बैंक पटना के भारत में नया व्यवसाय कइले की मामला में­ दिल्ली की बाद एके नंबर 2 देले रहे।

ए शहर क नांव वक्त गुजरले की साथ बदल गइल। ई भारत क प्राचीन शहरन में से एगो ह, पटना की आधुनिक नांव की साथ कईगो किवंदती जुडल बा, जैसे की,

  • ई पाटन देवी जे हिन्दू लोगन क देवी कहाली की नांव पर से पड़ल बा।
  • कई अदमी माने ला की पटना नांव एगो पाटली नांव की पेड़ की प्राजाति पर से पड़ल बा, इ पेड़ ए एतिहासिक शहर में ढेर देखे के मिलेला।
  • इ शहर एकरी 2000 साल की जीवंत इतिहास में कईगो नांव से जानल गइल जैसे की, पाटलीग्राम, पाटलीपुत्र, कुसुमापुरा, कुसुमध्वजा पुष्पापुरम, पद्मावती, अजीमाबाद और अब पटना।

प्राचीन काल

पटना क महत्व शोभा 490 ईपू सामने आइल जब अजातशत्रु, जे मगध क राजा रहन, वैशाली की लिच्छवी समुदाय पर युद्ध में फायदा खातिर आपन राजधानी पहाड़ी राजगढ़ (अब राजगीर) से एगो रणनीतिक रूप से फायदा वाला जगह पर ले जईले क तय कईन। गौतम बुद्ध अपनी जीवन की आखिरी बरस में ए जगह पर यात्रा कइलें रहन ऐसन कहल जाला।

मौर्यकाल

मेगास्थिनस एगो ग्रीक इतिहासकार जवन की चन्द्रगुप्त मौर्य की दरबार में राजदूत रहे, ए शहर क एगो प्राचीन विवरण दिहले बा। उ लिखेला की ई शहर गंगा आ सोनभद्र की संगम तट प बसल रहे, आ 14 किमी लम्बा आ 2.82 किमी चौड़ा रहे। मेगास्थिनस ए शहर के भारत की सफलतम समय में धरती क एगो महान शहर बतवले रहे। बाद में इ शहर शुंगा समुदाय की हाथ में गइल जे पाटलिपुत्र प 100 वरस ले राज कईने।

गुप्ता आ मुग़ल काल

आगे की सालन में, कई शासक ए देश पर राज कईने जवने में गुप्ता और पाला राजा रहें। गुप्ता शासकन से अलग होखले की बाद पटना एगो अनिश्चित समय से गुजरल। बख्तियार खिलजी 12वीं सदी में बिहार प कब्ज़ा क लिहने और एइजा क कई कईगो प्राचीनतम शिक्षा केंद्र के तबाह क दिहने, नतीजतन पटना क राजनितिक और सांस्कृतिक केंद्र होखले क गर्व बिला गइल।

मध्यकाल में पठान सम्राट शेरशाह सूरी क राज इतिहास में यादगार मनाला, ए समय में पटना क ख़ूब विकास भइल।

ब्रिटिश काल

17वीं सदी में पटना अन्तर्राष्ट्रीय व्यापार क केंद्र बन गइल रहे।1620 में अंग्रेज़ी ईस्ट इंडिया कम्पनी कैलिको और रेशम क व्यापार करे खातिर पटना में एगो कारखाना स्थापित कईलस। बहुत जल्द ई शोरा क व्यापार केंद्र बन गइल रहे।

1912 में बंगाल विभाजन की समय, पटना बिहार और उड़ीसा में ब्रिटीश राज क राजधानी बनल।

भारत क आजादी आन्दोलन

आजादी आन्दोलन में पटना क लोग बहुत अधिक संख्या में भाग लिहलें। एमें सबसे ज्यादा स्मरणीय चम्पारण और 1942 भारत छोड़ो आन्दोलन रहल। ई शहर कईगो राष्टीय नेता दिहलस, जैसे की स्वामी सहजानंद सरस्वती, पहिला राष्ट्रपति डॉ. राजेन्द्रप्रसाद, लोकनायक जयप्रकाश नारायण वगैरह।

आजादी की बाद

1947 में भारत की आजादी की बाद पटना बिहार क राजधानी बनल रहल, यहाँ तक की सन 2000 में झारखंड बिहार से अलग होके अलग राज्य बन गइल तबो भी।

शिक्षा

पटना कॉलेज

इहो देखल जाय

नोट

संदर्भ

Tags:

पटना प्राचीन कालपटना मौर्यकालपटना गुप्ता आ मुग़ल कालपटना ब्रिटिश कालपटना भारत क आजादी आन्दोलनपटना आजादी की बादपटना शिक्षापटना इहो देखल जायपटना नोटपटना संदर्भपटनाकैथीबिहारभारतराजधानी

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

मॉरिटानियाविवेकानंदगुजरातचंपादिसंबरललित होटलझंडामार्क्सवादसंसारज्योतिकापंजाबी भाषाराहुल गांधीओजोन कटाव आ ओजोन छेदसाइमन लाप्लासपूनम सिन्हासपना चौधरीनेपाल के नगरपालिका सभ के लिस्टएंजाइमगजपुरनाकुतुब मीनारनेनुआसियोलफोटोग्राफीरजनीकांतनीस्टर नदीगूगलअगस्त 7इस्लामी सुलेखजकार्तावैनगंगा नदीअनुष्का शर्माटाइम जोनसैटेलाइट इमेजकालिदासपृथ्वी के घूर्णनस्वेज नहरकिरिबातीनेटफ्लिक्सइत् संज्ञाक्रिस गेलभारत के सीमासेक्स पोजीशनमिठाईशेखपुरा जिलाघनानंदसिकंदरपुरसई नदीचायमार्च 15कनाडाएरोसोलदरभंगा हवाईअड्डाफ्लोरिडानवका यमुना पुलहिंदूयातायातरैदासनेशनल हाइवे 44कोलोरैडो नदीलंदनभारतक्रिस्टियानो रोनाल्डोहवा प्रदूषणगोमती नदीअशोकदानयांग-कुनशान ग्रांड पुलईशान किशनभारतीय मसाला सभ के लिस्टजानकारीमैदानमेलबर्नघुमंतू लोगबिहारी भाषा🡆 More