महादीप आस्ट्रेलिया: महाद्वीप सब

141°E / 26°S 141°E / -26; 141

ऑस्ट्रेलिया महादीप, जेकरा के कब्बो-काल्ह साहुल के टेक्निकल नाँव से बोलावल जाला, चाहे ऑस्ट्रेलिया देस से अलगा बूझे खातिर ऑस्ट्रेलीनिया कहल जाला, या फिर मेगानेशिया कहल जाला, अइसन जमीनी हिस्सा सभ के इलाका हवे जे ऑस्ट्रेलियाई महादीपी प्लेट पर बाड़ें। एह में ऑस्ट्रेलिया देस के मुख्य जमीन, तस्मानिया दीप आ न्यू गिनी दीप शामिल बाड़ें। न्यू गिनी दीप पर पापुआ न्यू गिनी नाँव के देस बा आ इंडोनेशिया देस के हिस्सा पच्छिमी न्यू गिनी बाटे। भूगोलीय रूप से ई महादीप ओशेनिया नाँव के क्षेत्र के हिस्सा हवे आ महादीप सभ के जवन बिभाजन ब्रिटिश जमाना में भइल ओह हिसाब से ई सात महादीप सभ में से सभसे छोट महादीप हवे।

आस्ट्रेलिया
महादीप आस्ट्रेलिया: महाद्वीप सब
क्षेत्रफल8,600,000 किमी2 (3,300,000 वर्ग मील) (7th)
जनसंख्या39,000,000 (ऑस्ट्रेलिया, पापुआ न्यू गिनी, पापुआ आ पच्छिमी पापुआ के 2019 के अनुमान अनुसार आबादी, 6वाँ)
जनघनत्व4.2/किमी2 (11/वर्ग मील)
निवासी-नाँवऑस्ट्रेलियाई, ऑस्ट्रेलियन
देस सभ3 (ऑस्ट्रेलिया, पापुआ न्यू गिनी आ इंडोनेशिया के हिस्सा)
इंटरनेट टीएलडी.au, .pg आ .id

महादीपी शेल्फ़ पर कई गो छीछिल सागर बाड़ें जे एह महादीप के जमीनी हिस्सा के कई भाग में बाँट देलें। ऑस्ट्रेलिया देस के मुख्य जमीनी हिस्सा आ न्यू गिनी दीप के बीचा में अराफुरा सागर आ टोरेस जलजोड़ बाड़ें, जबकि बास जलजोड़ एह मुख्य जमीनी हिस्सा के तस्मानिया दीप से अलगा करे ला। प्लीस्टोसीन काल में जब बर्फानी जुग आइल रहल आ लगभग 18,000 ईसा पूर्ब में ई अपना चरम पर रहल तब समुंद्र के लेवल घट गइल रहे आ ई सगरी इलाका एकही जमीनी हिस्सा के रूप में रहे; पछिला 10,000 साल में समुंद्र तल में बढ़ती भइल आ निचला हिस्सा सभ में पानी भर के ऑस्ट्रेलिया के मुख्य जमीनी हिस्सा आ न्यू गिनी आ तस्मानिया समुंद्री पानी के चलते अलगा हो गइलेन। मुख्य आस्ट्रेलियाई जमीन निचाई वाला जमीन हवे आ अधिकतर हिस्सा सूखल रेगिस्तान हवे जबकि ई दुनों दीप पहाड़ी इलाका हवें।

ऑस्ट्रेलिया महादीप इंडो-ऑस्ट्रेलियन प्लेट के ऊपर हवे (अउरी सटीक कहल जाव तब ऑस्ट्रेलियन प्लेट के ऊपर) आ ई बाकी सभ के तुलना में सभसे कम ऊँचाई वाला, सभसे सपाट, आ सभसे पुरान जमीनी हिस्सा (लैंडमास भा भूखंड) हवे। ई भूबिज्ञानी इतिहास में सभसे अस्थाईयो रहल बाटे, भूगर्भ के हलचल के सभसे कम परभाव एह महादीप पर देखे के मिले ला। न्यूजीलैंड ऑस्ट्रेलिया महादीप के हिस्सा ना हवे बलुक एगो अलगे महादीप ज़ीलैंडिया पर हवे जेकर कि अधिकतर हिस्सा समुंद्र में बूड़ल बाटे। न्यूजीलैंड आ ऑस्ट्रेलिया एक साथ ऑस्ट्रेलेशिया नाँव से जानल जाला जे अउरी बिसाल भूगोलीय क्षेत्र ओशेनिया के उपक्षेत्र हवे; न्यू गिनी के तब मेलानेशिया उपक्षेत्र में गिनल जाला।

"ओशेनिया" नाँव के उत्पत्ती कुछ बाद में भइल जेह में बड़हन इलाका शामिल कइल गइल आ अइसन छोट-छोट दीप सभ के शामिल क लिहल गइल जे पहिले के महादीप के बिभाजन में सामिल ना रहलें; पुराना सात गो महादीप के जवन कांसेप्ट रहल ओह में ऑस्ट्रेलिया महादीप के जगह ओशेनिया चलन में आ गइल।

Tags:

भूगोलीय निर्देशांक सिस्टम

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

संगम काल1946महीनाजैश-ए-मोहम्मदलार्ड कार्नवालिसनेशनल हाइवे 27जयप्रकाश नारायणछोटा भीमकबीरसिंध1992रिपब्लिकन पार्टी (अमेरिका)पहाड़ीचारमीनारअरबी भाषाअज़रबैजानसुंदरलाल बहुगुणाभोजपुरी क्षेत्रएचटीटीपी कुकीऑक्सीजनगोरखपुर जंक्शन रेलवे स्टेशन1994कंबोडियालोटनीगाजीपुरआर्मीनियाबियफेग्लेशियरकलकत्ता विश्वविद्यालयदरौली (सामुदायिक विकास खंड)स्पेनिश भाषाअंग्रेजीनिकास (हाइड्रोलॉजी)महाकालवाट्सएपटॉरनैडोनासापुराणवेंकैया नायडूसिकंदरपुरपबजीमैदानशिवाजीगोदावरी नदीइत् संज्ञामहाकाल मंदिरमोरक्कोसोनिया गांधीनर्मदा नदीविद्या बालनजनपदनेपाल के जिला सब के लिस्टअनिल कपूरसारनाथइंडस्ट्रीपाइथनटेनेसी नदीआमचौसा आमधर्मेंद्रकटिहारराहत फतेह अली खानचीनीबिहार कृषि विश्वविद्यालयइरफ़ान ख़ानगोमती नदीज्याॅइडधौलागिरिइलाहाबाद बैंकअंगोलागुंटूर जिलागौतम अडानीशिवगुजरातइंडिया गेटमानव प्रजातिबाघ🡆 More