समाज

एगो समाज अइसन व्यक्ति लोग के समूह होला जे लोग आपस में सामाजिक अंतर्क्रिया में शामिल होला। दुसरा रूप में समाज कौनों भूगोलीय क्षेत्र बिसेस में रहे वाला लोग के अइसन समूह हवे जे एक नियर भाव-बिचार, रहन-सहन आ संस्कृति के अन्दर रहि के आपस में संबंधित होला, हालाँकि कौनों बड़हन समाज में एकरे अन्दर छोट-छोट समूह भी पावल जा सके ला।

समाज के बिसेसता सभ में एकर रीति-रिवाज आपसी बेहवार के तरीका निश्चित करे ला; समाज के कार्य-प्रणाली एकरा के संस्था के रूप देला आ ब्यवस्था बनावे के काम करे ला; अधिकार आ जिम्मेवारी के बँटवारा एकरे काम करे के ढंग आ व्यवस्थित रूप से बनल रहे में मदद करे ला; आपसी सहजोग एकरे पैदाइश आ बनल रहे के मूल आधार होला आ समूह के लोग पर कुछ नियंत्रण रखे ला आ कुछ तरह के स्वतंत्रता भी देला।

एह तरीका से, समाज, लोगन के समूह द्वारा आपसी सहजोग के आ आपस में बेहवार के निश्चित तरीका आ रूप देवे वाली एगो संस्था हवे जवन सामाजिक संबंध के जाल पर खड़ा बाटे।

संरचनावादी बिचारधारा में समाज के निरूपण अइसन सांस्कृतिक अवसंरचना भा आर्थिक, सामाजिक, औद्योगिक अवसंरचना के रूप कइल जा सकत बाते जवन लोगन के एकट्ठा भइले से बनल बा, फिर भी एकरा से अलग कुछ बा। एह बिचार के अनुसार समाज खाली दूसरे लोग के साथ आचार बेहवार पर आधारित न होला बलुक लोगन के अपने भौतिक पर्यावरण आ अपने से अन्य लोग के साथ संबंध से बनल संरचना होला।

समाज के अध्ययन करे वाला बिसय समाज शास्त्र हवे। समाज मनोबिज्ञान भा सामाजिक मनोबिज्ञान नाँव के बिसय समाज में लोग के आपसी आदान-प्रदान के आ संबंध के मनोबिज्ञान के ब्याख्या करे ला। एकरे आलावा समाज कई ठो अउरी संस्था सभ के मूल इकाई भी होला आ राजनीति आ अंतर्राष्ट्रीय संबंध में महत्व के बिसय होला।

संदर्भ

Tags:

संस्कृति

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

स्वतंत्रता दिवस (भारत)अमीर खुसरोअंगूरबाड़मेर जिलाग्रेट लेक्सखानवाशिवभारतीय मसाला सभ के लिस्टबुध (ग्रह)रिसर्च मेथोडोलॉजीबुल्गारियाहवाई फोटोग्राफीमधेश प्रदेशहिंडन नदीसुनामीझेलम नदीसंघ लोक सेवा आयोगजगन्नाथ मंदिर, पुरीकावेरी नदीभोजपुरी क्षेत्रगोरखनाथमुख्य पन्नाअंकगणितकुतुब मीनारस्तन2024 के भारतीय आम चुनावएचटीटीपी कुकीचट्टानभगत सिंहचायप्राकृतिक संसाधनराजधानीपाणिनिमई दिवसतोतापरी आमभूमिका चावलानाटोआसारामलिंक्डइनगायत्री मंत्रसेमराजपुर, मऊमायाविन्सेंट वान गॉगअनवर मक़सूदक्रिस गेलमानव कामुकताबेल्जियमपैरिसमरी (हिल स्टेशन)नासाचंद्रशेखर आज़ाद रावणइंडोनेशियायांदेक्सभारतीय राष्ट्रीय कांग्रेस1965 के भारत-पाक युद्धजोधपुर जिलाकनाडास्लमडॉग मिलियनायरट्रिपल एक्स (फिलिम सिरीज)शाहाबाद जिलासोन नदीप्रेम चोपड़ागुलाबगुप्त साम्राज्यहेरोडोटसमगधचंद्रयान-3सतुआनवर्ग किलोमीटरएंजाइमआसाम में बाढ़फिजीबिस्मिल्ला ख़ाँबाबा नागार्जुन🡆 More