भारत में कोविड-19 महामारी

भारत में 2019–20 कोरोनावायरस महामारी के पहिला केस 30 जनवरी 2020 के दर्ज कइल गइल; एह बेमारी के सुरुआत चीन के वुहान से भइल रहल। 8 अप्रैल 2024 तक ले, भारतीय मेडिकल रिसर्च काउंसिल आ स्वास्थ अउरी परिवार कल्याण मंत्रालय के द्वारा कुल 649 केस, 42 लोग के ठीक होखल, 1 ब्यक्ति के बाहर प्रवास 13 मौत सभ के जानकारी कन्फर्म कइल गइल बाटे।

भारत में कोरोनावायरस महामारी
भारत में कोविड-19 महामारी
भारत में महामारी के बिस्तार के नक्शा (25 मार्च तक ले)।
  100+ कन्फर्म केस
  50–99 कन्फर्म केस
  10–50 कन्फर्म केस
  1–9 कन्फर्म केस
भारत में कोविड-19 महामारी
भारत में महामारी से मौत (22 मार्च तक ले)।
  1–9 death cases
बेमारीकोविड-19
वायरससार्स-कोव-2
लोकेशनभारत
Index caseत्रिशूर, केरल
Arrival date30 जनवरी 2020
कन्फर्म केस649
चालू केस593
Recovered42
Deaths
13
Territories
21 राज्य, 5 संघराज्यक्षेत्र
सरकारी वेबसाइट
www.mohfw.gov.in

एह रोग के परकोप के चलते एक दर्जन से बेसी राज्य सभ में एकरा के महामारी घोषित कइल गइल बाटे जहाँ महामारी एक्ट, 1897 के बिधान लागू कइल गइल बाड़ें आ शिक्षा संस्थान आ अउरी कई किसिम के बानिज्यिक संस्था सभ के बंद कइल गइल बाटे। सगरी टूरिस्ट वीज़ा सभ के सस्पेंड क दिहल गइल बाटे काहें से के ज्यादातर मामिला सभ बाहर से आवे वाला लोगन में दर्ज कइल गइल बाटे।

22 मार्च 2020 के प्रधानमंत्री के कहनाम अनुसार 14-घंटा के ख़ुद जनता द्वारा कर्फ्यू बितावल गइल। एकरे बाद सरकारी रूप से 75 जिला सभ के बड़ शहरन में तालाबंदी लगावल गइल जहाँ-जहाँ बेसी मामिला दर्ज भइल रहलें। आगे चल के, 24 मार्च के परधानमंत्री के संबोधन के बाद 21 दिन के तालाबंदी पूरा देस में लागू कइल गइल जेकरा चलते सगरी 1.3 बिलियन लोग परभावित बा।

टाइमलाइन

भारत में कोविड-19 महामारी 
भारत में महामारी के बिस्तार के नक्शा (30 जनवरी 2020 के बाद से)
भारत में कोविड-19 के केस   ()
     मौत        ठीक भइल        सक्रिय केस
तारीख
# केस
2020-01-30
1 NA
1(=)
2020-02-02
2(+1) (+100%)
2020-02-03
3(+1) (+50%)
3(=)
2020-03-02
6(+3) (+100%)
2020-03-03
9(+3) (+50%)
2020-03-04
32‬(+23) (+256%)
2020-03-05
33(+1) (+3.1%)
2020-03-06
34(+1) (+3.0%)
2020-03-07
37(+3) (+8.8%)
2020-03-08
43(+6) (+16%)
2020-03-09
50(+7) (+16%)
2020-03-10
65(+15) (+30%)
65(=)
2020-03-12
77(+12) (+18%)
2020-03-13
85(+8) (+10%)
2020-03-14
100(+15) (+17%)
2020-03-15
110(+10) (+10%)
2020-03-16
114(+4) (+4%)
2020-03-17
140(+26) (+23%)
2020-03-18
170(+30) (+21%)
2020-03-19
198(+28) (+16%)
2020-03-20
249(+51) (+26%)
2020-03-21
329(+80) (+32%)
2020-03-22
391(+62) (+19%)
2020-03-23
468(+77) (+20%)
2020-03-24
519(+51) (+11%)
2020-03-25
606(+87) (+17%)
2020-03-26
649(+43) (+7%)
स्रोत: MoHFW अउरी Worldometers.

भारत में सभसे पहिला तीन केस इहाँ के केरल राज्य में मिललें, ई तीनों जने चीन के वुहान से आइल बिद्यार्थी रहल लोग। रोग के संक्रमण के बढ़ती तेज तब भइल जब मार्च के महीना में पूरा देस भर से कई मामिला सोझा अइलें। इनहना में जादेतर केस अइसन लोग से जुड़ल रहलें जे लोग एह बेमारी से ग्रसित देस सभ के यात्रा कइले रहे। 10 मार्च के कुल केस के संख्या 50 पहुँच गइल। 12 मार्च के एगो 76-साल के ब्यक्ति जे सऊदी अरब से आइल रहलें एह रोग से मरे वाला पहिला ब्यक्ति बनलें। कुल केस 15 मार्च के 100 पहुँचल आ 20 मार्च के 250 भइल, आ 24 मार्च के ई गिनती 500 पार क गइल। 24 मार्च तक ले कुल मौत 10 रहल।

जबाबी स्थिति

परधानमंत्री के जबाबी काम

सार्क कांफ्रेंस

'Prepare, but don't panic' has been India's guiding mantra in dealing with the virus outbreak. Our region has reported less than 150 coronavirus cases, but we need to remain vigilant. Step-by-step approach helped avoid panic, made special efforts to reach out to vulnerable groups.

—Prime Minister Narendra Modi during the video conference with SAARC nations, 15 March 2020.

13 मार्च के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी ई प्रस्ताव रखलें कि सार्क देस सभ आपस में मिल के एह महामारी से लड़ें आ उनके अइसन आइडिया के नेपाल, मालदीव, श्री लंका आ भूटान के देसन द्वारा स्वागत कइल गइल। 15 मार्क के सार्क देस सभ के नेता लोग के साथे एगो वीडियो कांफ्रेंसिंग के सार्क देसन खातिर परधानमंत्री 74 करोड़ (US$10 मिलियन) के COVID-19 इमरजेंसी फंड बनावे के घोषणा कइलेन।

SAARC conference on COVID-19 (बाहरी बीडियो)
भारत में कोविड-19 महामारी  File:PM Modi interacts with SAARC leaders on measures to deal with COVID-19.webm

जी20 कांफ्रेंस

मोदी जी20 समूह के एगो वर्चुअल कांफ्रेस करे के कहलें जवना से कि COVID-19 के निपटे के तरीका पर चर्चा हो सके आ बैस्विक अर्थब्यवस्था के एकरे परभाव से बचावे पर बात हो सके। उनका एह कदम के तारीफ भइल आ रूस, अमेरिका आ सऊदी अरब नियर देस एकर समर्थन कइलेन।

देस के संबोधन

PM Modi's address to the nation on Coronavirus on 19 March 2020

19 मार्च के मोदी लोगन से अतवार, 22 मार्च के सबेरे 7 बजे से 9 बजे रात ले 'जनता कर्फ्यू' (माने ख़ुद अपने ऊपर कर्फ्यू मान लेवे) के कहलें। ऊ सभ भारतीय लोग से अपना घरे में रहे के कहलें कि कुछ हप्ता घर से काम करें। अपना घर के बालकनी आ छत पर आ के ओही दिन 5 बजे ताली या थरिया बना के इमरजेंसी सर्विस सभ में काम करे वाला लोग के, डाक्टर लोग, पुलिस वाला आ सरकारी कर्मचारी, होम डिलीवरी करे वाला नियर सभ लोग के उत्साह बढ़ावे खातिर कहलें। कोविड आर्थिक रिस्पांस टास्क फोर्स के गठन करे के घोषणा भी एह लाइव संबोधन में कइल गइल।

कर्फ्यू के दिने साँझ के बेरा मोदी जी कई गो ट्वीट कइलेन: "जनता कर्फ्यू COVID-19 के खिलाफ लड़ाई के एगो सुरुआत भर बाटे"। लोगन के एकरा के पूरा करे खातिर कहलें आ एकरे भर के सफलता न मान लेवे के कहलें। जहाँ जिला में तालाबंदी लागू रहल उहाँ लोगन से घरे से बाहर न निकले के कहलें।

24 के मोदी एक बेरी अउरी देस के संबोधित कइलेन। एह संबोधन में ऊ कहलें कि, "आप सभ ई देख रहल बाड़ीं कि दुनिया के सभसे एडवांस देस सभ ले एह महामारी के सोझा एकदम बेसहारा बाड़ें...सगरी तइयारी आ कोसिस के बावजूद कोरोनावायरस एतना तेजी से फइल रहल बाटे कि ई देस सभ क्राइसिस के मैनेज करे में मुश्किल में बाड़ें।" कहलें कि एकलौता तरीका बाटे कि एकरा चक्र के सोशल डिस्टेंसिंग से तूरल जाय। ऊ पूरा देस भर में तालाबंदी के घोषणा कइलेन जे 21 दिन खाती लागू रही। एह समय में लोग से अपना घर में रहे के कहल गइल बाटे।

उनके द्वारा सेहत सुबिधा सेक्टर खातिर 15,000 करोड़ (US$2.1 बिलियन) मदद के घोषणा कइल गइल बाटे। एह पइसा के इस्तमाल टेस्ट सुबिधा बनावे, पर्सनल प्रोटेक्टिव एक्विपमेंट (पीपीई) बनावे, आइसीयू बनावे आ वेंटिलेटर बनावे खाती कइल जाई अउरी मेडिकल कर्मचारी लोग के ट्रेनिंग देवे खाती इस्तमाल होखी।

इहो देखल जाय

संदर्भ

Tags:

भारत में कोविड-19 महामारी टाइमलाइनभारत में कोविड-19 महामारी जबाबी स्थितिभारत में कोविड-19 महामारी इहो देखल जायभारत में कोविड-19 महामारी संदर्भभारत में कोविड-19 महामारी2019–20 कोरोनावायरस महामारीभारतवुहान

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

अमरीश पुरीहिंदी भाषा के लेखक लोग के लिस्टभीमराव आंबेडकरनवरातरमनेर शरीफहिमालयचंपारन सत्याग्रहनागवासुकी मंदिर, इलाहाबादछोटानागपुर पठारअरवल जिलासउदी अरबउत्तर प्रदेश के मंडल सभ के लिस्टवृंदावनराजस्थान2015पंजाबी भाषालंदनऋषि कपूरआशा भोसलेपाकिस्तानपवन सिंहइंटरनेटबेरोजगारीप्रेमचंदपहाड़मेगस्थनीजमिया खलीफामजाबेल्जियमलाल सागरअरावलीकुँवर सिंहआम आदमी पार्टीअखिलेश यादवमोहम्मद अली जिन्नाआदित्यनाथआल्प्सकवितावलीअस्पतालस्विट्जरलैंडमच्छरछठनडियादसिद्धार्थनगर जिलाचीनीमैनाआस्ट्रेलियाधर्मेंद्रप्रियंका गांधीसंगमइजराइलगाँठ गोभीनारायणी नदीकांगो नदीभोजपुरी सिनेमाबुनीसी. राजगोपालाचारीपटना प्रमंडलमहादीपतीस्ता नदीगोमती नदीसनी लियोनीमांसपेशीवल्लभभाई पटेलजवाहरलाल नेहरूअजातशत्रुभारतीय राज्यन के वर्तमान मुख्यमंत्री लोग के लिस्टत्रिपुराकार्ल मार्क्सगाजीपुर जिलाजी20ओजोन दिवसईसवी सनशाहजहाँ🡆 More