बर्तोल्त ब्रेष्त

युगेन बर्तोल्त फ्रेडरिष ब्रेष्त (10 फरवरी 1898 — 14 अगस्त 1956) जिनके बर्तोल्त ब्रेष्त के नाँव से जानल जाला, जर्मन रंगमंचकार, नाटककार आ कवी रहलें। जर्मन साम्राज्य के समय में बवेरिया के औग्सबुर्ग में जनमल ब्रेष्त वीमर शासन के दौरान म्युनिख़ में थियेटरकर्मी के रूप में सफल भइलें, ओकरे बाद 1924 में बर्लिन आ गइलेन। इहाँ ऊ कुर्त वे'ल के साथे थ्रिपेनी ओपरा लिखलें आ एकरे बाद ऑस्ट्रियाई कंपोजर हान्स एइस्लर के साथे इनके जोड़ी जमल। एह दौर में ब्रेष्त मार्क्सबादी बिचारधारा अपना लिहलें। ऊ थियेटर से संबंधी सिद्धांत लिखलें (Lehrstücke)।

बर्तोल्त ब्रेष्त
बर्तोल्त ब्रेष्त
जनमEugen Berthold Friedrich Brecht
(1898-02-10)10 फरवरी 1898
Augsburg, Bavaria, German Empire
निधन14 अगस्त 1956(1956-08-14) (उमिर 58)
East Berlin, East Germany
पेशा
  • Playwright
  • theatre director
  • poet
राष्ट्रियताGerman
बिधा
  • Epic theatre
  • non-Aristotelian drama
जीवनसाथीलोग
  • Marianne Zoff
    (बि. 1922; तला. 1927)
  • Helene Weigel (बि. 1930)
दसखतबर्तोल्त ब्रेष्त

नाजी काल में, इनका के देसनिकाला में रहे के पड़ल, पहिले ई स्कैंडिनेविया में रहलें आ बाद में दुसरे बिस्वजुद्ध के समय में अमेरिका में। जुद्ध के बीते पर ब्रेष्त पूरबी बर्लिन लवटलें आ उहाँ बर्लिनर एन्सेंबल नाँव के थियेटर कंपनी शुरू कइलेन। एह में इनके मेहरारू हेलेन वी'गल साथ दिहली जे लमहर समय से इनके सहजोगीयो रहली।

संदर्भ

  • बर्तोल्त ब्रेष्त (1999). एकोत्तरशती. Translated by भट्टाचार्य, उज्ज्वल. दिल्ली: वाणी प्रकाशन. ISBN 978-81-7055-658-9ब्रेष्त के 101 कबिता सभ के हिंदी में अनुबाद।{{cite book}}: CS1 maint: postscript (link)

Tags:

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

ऑक्सीजनकेसर के पौधागोमती नदीफगुआकाल्डेराबिपाशा बसुगोरखपुर जिलामनी प्लांटहेमा मालिनीस्वतंत्रता दिवस (भारत)मोटू पतलूलालू प्रसाद यादवसूरीनामभोजपुरी साहित्यरक्षा गुप्तामकर संक्रांतिरावणयांदेक्ससनी लियोनीफागुनहैदराबादमहीनापराग्वेभूमध्य सागरमंगलयानयूनेस्कोतीस्ता नदीआटानेपालसैमसंगवियतनामअस्पतालस्पून्स सेक्स पोजीशनशिवालिकभौतिक भूगोलअलवर जिलाऔरंगजेबचारमीनारबरफमीरा कुमारविवेकानंदजगदीप धनखड़नदिया के पार (1982)आदि पराशक्तिओजोन दिवसलिंक्डइनप्रदूषणकोरोप्लेथ नक्शामनुस्मृतिघनानंदऑपरेटिंग सिस्टम1857 के बिद्रोहस्टॉकहोमममता बनर्जीशिवरंजनीरवि किशनगोरखपुर चिड़ियाघरसौर मंडलजवाहरलाल नेहरूकाजीरंगा नेशनल पार्करैदासअमरकंटकहिमालयमैकेंजी नदीअमीर खुसरोमार्च 29जगन्नाथ मंदिर, पुरीफरवरी 8डीओआईनेपाल के जिला सब के लिस्टकोलोरैडो नदीरियो डी ला प्लाटानसीरुद्दीन शाह11 सितंबरचंद्रयान-3🡆 More