मोटू पतलू: भारतीय टीवी शो

मोटू पतलू एक ठो भारतीय एनीमेशन सीरीज बाटे। पारिवारिक भा छोट लड़िकन के कार्टून सीरीज हवे। ई निक टीवी पर देखावल जाला। मूल रूप से हिंदीमें बनल ई कार्टून वर्तमान में अंग्रेजी के सामिल क के कुल नौ गो भारतीय भाषा सभ में देखावल जा रहल बाटे।

Motu Patlu
मोटू पतलू: किरदार, इहो देखल जाय, संदर्भ
धारावाहिक के टाइटिल रोल वाला मोटूपतलू
बिधाकॉमेडी,
रचनाकृपाशंकर भारद्वाज
बिकासकर्ताकॉसमोस-माया
लेखकनीरज विक्रम
डाइरेक्टरसुहास कादव
क्रिएटिव डाइरेक्टर(लोग)रणंजॉय चक्रवर्ती
स्टारिंगमोटू, पतलू, जॉन दि डॉन, घसीटा राम, डाक्टर झटका, इंस्पेक्टर चिंगम
वॉइस ऑफसौरव चक्रवर्ती
ओमी शर्मा
संकल्प
ब्रायन डी कोस्टा
राजा
रेनू शारदा
विकाश कुमार
थीम संगीतकारसंदेश शांडिल्य
सुरुआती थीम"मोटू और पतलू की जोड़ी"
अंत थीम"मोटू और पतलू की जोड़ी"
संगीतसंदेश शांडिल्य
उत्पत्ती देसभारत
मूल भाषा(सब)हिंदी
अंग्रेजी
सिंहल
तेलुगु
तमिल
मलयालम
कन्नड़
तुलू
बंगाली
सीजन संख्या4
एपिसोड नं.262
प्रोडक्शन
एक्सीक्यूटिव प्रोड्यूसरअनु सिक्का
प्रोड्यूसरदीपा साही
अनीस मेहता
प्रसारण काल10–11 मिनट (एक एपिसोड)
प्रोडक्शनकंपनीकॉसमॉस एंटरटेनमेंट, सिंगापुर
डिस्ट्रीब्यूटरकॉसमॉस एंटरटेनमेंट, सिंगापुर
रिलीज
मूल नेटवर्कनिकेलोडियन
निक एचडी
ऑडियो फॉरमेटडाॅल्बी डिजिटल
पहिला प्रदर्शन16 अक्टूबर 2012 (2012-10-16)
ओरिजिनल रिलीज16 अक्टूबर 2012 (2012-10-16) – अबतक
बाहरी कड़ी
[www.cosmoa-maya.com प्रोडक्शन वेबसाइट]

एह टीवी सीरीज के सुरुआत निकेलोडियन आ मीडियाकॉर्प वसंतम के सहजोग से भइल। सीरीज के प्रोड्यूसर कोसमोस-माया बा। ई सीरीज मूल रूप से लोटपोट नाँव के पत्रिका में छपे वाली कॉमिक स्ट्रिप के टीवी एनीमेशन रूपांतर हवे। एकर सुरुआत 16 अक्टूबर 2012 के भइल, पहिला एपिसोड रहल "जॉन बनेगा डॉन"। एह शो में दू गो दोस्त मोटू आ पतलू लोग मुख्य पात्र हवे जे एगो काल्पनिक शहर फुरफुरी नगर में रहे ला; इनहन लोग के हरकत काफी मजेदार होला।

सीरीज के डाइरेक्टर सुहास कादव बाड़ें आ थीम के म्यूजिक डाइरेक्टर संदेश शांडिल्य हवें। प्रोड्यूसर दीपा साही आ आशीष जेएस मेहता बा लोग। गाना "मोटू और पतलू की जोड़ी" के गायक सुखविंदर सिंह बाड़ें। ई लइकन के टीवी शो सभ में भारत के सभसे पापुलर शो बाटे।

== कहानी

नी == सीरीज के हर एपिसोड के कहानी मोटू आ पतलू नाँव के दू गो दोस्त लोग के इर्द-गिर्द रहे ले जे लोग फुरफुरी नगर के निवासी हवे। कहानी अकसरहा अइसन होखे ले कि दुनों दोस्त अपना के हँसी आवे लायक तरीका से कौनों न कौनों मुसीबत में डाल लेला लोग आ ओह मुसीबत से बस भाग-भरोसे कौनों तरीका से बच जाला। मोटू के पसंदीदा पकवान "समोसा" हवे आ ऊ शहर के चायवाला के दुकान से हमेशा समोसा चोरी करे के प्लान बनावे लें जे पूरा शहर में सभसे नीमन समोसा बनावे ला। समोसा खाए के बाद मोटू के शरीर में कई गुना ताकत बढ़ जाला। दुनों दोस्त लोग में मोटूए अक्सर समस्या खड़ा करे लें आ फँस जाए पर पतलू के कोसिस से लोग उबर पावे ला। कभी कभार अउरी बाकी पात्र घसीटाराम, डाक्टर झटका, आ चिंगम सर भी कहानी के हिस्सा के रूप में जुड़ जाला। डाक्टर झटका एगो अइसन बैज्ञानिक के रूप में देखावल गइल हवें जिनकर बनावल गैजेट आ औजार अक्सरहा या त फेल हो जालें भा कवनों मुसीबत खड़ा कर देलें, घसीटाराम झटका के तारीफी करे वाला उनके दोस्त हवें।

कहानी में मुख्य विलेन "जॉन दि डॉन" हवें जिनके दू गो मंदबुद्धी सहजोगी नंबर वन आ नंबर टू हवें सऽ। जॉन अपना के डॉन बने के कोसिस करे ला, हर बेर मोटू आ पतलू मिल के ओकरा प्लान के फेल क देलें लोग।

किरदार

मोटू

मोटू, पतलू के साथै एह सीरिज के हीरो हवें। मोटू के नाँव मोटू एह कारन परल हवे काहें से की ऊ गोल मटोल आ मोट बाड़ें। लाल रंग के कमीज पहिरे लें आ मोटू के खाना बहुत पसंद हवे। ओहू में समोसा इनके सभसे ढेर पसंद हवे आ सभ काम छोड़ के समोसा देखते ई ओही पर टूटी परे लें। मोटू के दिमाग काम ना करे ला जब इनके भूख लागल होखे। गुस्सा आवे आ समोसा खा लेवे के बाद मोटू के ताकत कई गुना बढ़ जाला।

पतलू

पतलू, नाँव अनुसार, एगो पातर आदमी हवें। ई एह सीरियल में सभसे बुद्धिमान ब्यक्ति के रूप में देखावल गइल बाने। अक्सर मोटू आ पतलू दुनों जाना जब मुसीबत में फँसे ला तब दिमाग इस्तेमाल करे के काम पतलू करे लें। आमतौर पर पतलू के इहे बिचार रहे ला कि कौनों किसिम के मुसीबत से लम्मे रहल जाय बाकी मोटू के दोस्ती में अक्सर उनके मोटू के मदद करे के परे ला। पतलू के समोसा एकदम पसंद ना हवे। इनके अखबार पढ़ल नीक लागे ला।

पतलू के भेसभूसा में पीयर रंग के ट्यूनिक आ लाल रंग के पैजामा रहे ला। ई गोल फ्रेम वाला चश्मा लगावे लें।

डाक्टर झटका

डाक्टर झटका एगो साइंटिस्ट (बैज्ञानिक) हवें आ किसिम किसिम के आबिस्कार करत रहे लें। उनके आबिस्कार सभ बिचित्र होला बाकी कब्बो बहुत परभाशाली ना होला आ अक्सरहा एह आबिस्कार सभ के कारन झंझटे पैदा होला, कुछ गड़बड़ी जरूर हो जाला।

डॉ. झटका एगो पीयर रंग के उड़े वाली कार में चलें लें। हरियर रंग के बुशर्ट, बैंगनी टाई आ नीला रंग के जींस पहिरे लें।

घसीटा राम

घसीटा राम के बंगाली लहजा वाला कैरेक्टर के रूप में देखावल गइल बा आ ई हर एक काम खाती कहें लें कि "(एह काम में) उनुके बीस साल के एक्सपीरिएंस बा", हालाँकि उनके ई अनुभव कौनों ख़ास कामे ना आवे ला।

इनके नीला ट्यूनिक, बैंगनी धोती आ गहिरा भूअर कमरबंद आ एही रंग के जूता में देखावल गइल बा।

इहो देखल जाय

संदर्भ

Tags:

मोटू पतलू किरदारमोटू पतलू इहो देखल जायमोटू पतलू संदर्भमोटू पतलूअंग्रेजीभारतीय भाषाहिंदी भाषा

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

विकिपीडिया सभ के सूचीआंध्र प्रदेशसारनाथछत्तीसगढ़भेलीदेवरिया सदर रेलवे इस्टेशनयूआरएलग्रान चाकोवृंदावनक्रोएशियान्यूजीलैंडवायुमंडलबिहार के अनुमंडल सभमुगलसराय जंक्शन रेलवे स्टेशनछोटा भीमसैम मानेकशॉकिताबखारा पानीगुट-निरपेक्ष आंदोलनऑक्सीजनपैरिसअरवल जिलासंभोगशहर1960फुटबालगुरुद्वारा शीशगंज साहिबआलिया भट्टसेवासदनविकिमीडिया फाउंडेशनरजनीशछपराकावेरी नदीबिहार कृषि विश्वविद्यालयक्रिस गेलकाल्डेराअमेजन (कंपनी)इंफ्रास्ट्रक्चरक्लियोपैट्रानिकोलो मैकियावेलीरबींद्रनाथ टैगोरचंद्रयान-3अर्थशास्त्रयूनानकेसर के पौधामाधुरी दीक्षितइलाहाबाद बैंकमनोरंजनदक्कन पठारसनातनीनार्वेबेलारूस1979विष्णुपद मंदिरफासीवादमालाबार तटअवधी भाषासतुआनचंपाभोजपुरी फिलिम के हिरोइन सभअमरकंटकग्लूटेनसंगमशारदा नदीमहबूब उल हक़ज्ञानकोशलवंडा नाचनमामि गंगेहाजीपुरबिस्मिल्ला ख़ाँसुभाष चंद्र बोसजापानमिर्जापुरसाओ फ़्रांसिस्को नदीमिशनरी पोजीशन🡆 More