आर्कियोलॉजी (अंग्रेजी: archaeology) पुराना समय के मनुष्य जीवन आ कामकाज वाली बचल भौतिक चीजन के बैज्ञानिक अध्ययन हवे। एह भौतिक चीज सभ में इतिहासी समय के छोट-छोट औजार, हथियार से ले के बड़हन मशीन, आम घरेलू इस्तेमाल के चीज, घर, भवन आ बिल्डिंग नियर सगरी चीजन के अध्ययन कइल जाला आ उनहन के समय निर्धारण आ उनहन के बनावट के आधार पर ओह जमाना के मनुष्यन के सभ्यता-संस्कृति के बारे में जानकारी हासिल कइल जाला। एह तरीका से ई बिज्ञान के अइसन शाखा हवे जे पुरान इतिहासी महत्व के बचल भौतिक चीजन के अध्ययन से ओह जमाना के इतिहास के बारे में जारकारी हासिल करे ला।
एह बिज्ञान के अध्ययन करे वाला आ अइसन किसिम के बैज्ञानिक अध्ययन करे वाला लोगन के आर्कियोलॉजिस्ट कहल जाला। हिंदी में एह बिज्ञान के पुरातत्वशास्त्र चाहे पुरातत्व बिज्ञान कहल जाला आ एकरे बैज्ञानिक लोगन के पुरातत्वशास्त्री, पुरातत्ववेत्ता चाहे पुरातत्व वैज्ञानिक कहल जाला।
अइसन जगह जहाँ से पुराना जमाना के अइसन महत्व वाली चीज मिलें, आर्कियोलॉजिकल साइट कहालीं।
विकिमीडिया कॉमंस पर संबंधित मीडिया Archaeology पर मौजूद बा। |
This article uses material from the Wikipedia भोजपुरी article आर्कियोलॉजी, which is released under the Creative Commons Attribution-ShareAlike 3.0 license ("CC BY-SA 3.0"); additional terms may apply (view authors). सामग्री CC BY-SA 4.0 की तहत उपलब्ध बा जबले कि अलगा से बतावल न गइल होखे। Images, videos and audio are available under their respective licenses.
®Wikipedia is a registered trademark of the Wiki Foundation, Inc. Wiki भोजपुरी (DUHOCTRUNGQUOC.VN) is an independent company and has no affiliation with Wiki Foundation.