आना दे आर्मास

आना सेलिजा दे आर्मास कासो (इस्पेनी: ; जनम 30 अप्रैल 1988) जे परसिद्ध नाँव आना दे आर्मास (अंग्रेजी: Ana de Armas) से जानल जाली, एगो क्यूबाई आ स्पेनिश ऐक्ट्रेस बाड़ी। इनके कैरियर के सुरुआत क्यूबा में रोमांटिक ड्रामा उना रोसा दे फ्रांसिया (2006) में मुख्य भूमिका से भइल। 18 बरिस के उमिर में ऊ स्पेन के मैड्रिड चल गइली आ 2007 से 2010 ले छह सीजन ले पॉपुलर ड्रामा एल इंटरनाडो में एक्टिंग कइली।

आना दे आर्मास
आना दे आर्मास
2018 में दे आर्मास
जनमआना सेलिजा दे आर्मास कासो
(1988-04-30) 30 अप्रैल 1988 (उमिर 35)
हवाना, क्यूबा
नागरिकता
  • क्यूबा
  • स्पेन
पेशाऐक्ट्रेस
सक्रियता साल2006–अबतक ले
जीवनसाथी
Marc Clotet
(बि. 2011; तला. 2013)

लॉस एंजिल्स में जाए के बाद, मनोवैज्ञानिक थ्रिलर नॉक नॉक (2015) आ कॉमेडी-क्राइम फिलिम वार डॉग्स (2016) में दे आर्मास के अंग्रेजी भाषी भूमिका रहल। ऊ साइंस फिक्शन फिलिम ब्लेड रनर 2049 (2017) में होलोग्राफिक एआई प्रोजेक्शन जोई के भूमिका से पहिचान हासिल कइली। रहस्य फिलिम नाइव्स आउट (2019) में नर्स मार्टा काब्रेरा के रोल खातिर इनके बेस्ट ऐक्ट्रेस खातिर गोल्डन ग्लोब अवार्ड खातिर नामांकित कइल गइल। एकरे बाद ऊ जेम्स बांड फिलिम नो टाइम टू डाई (2021) में बॉन्ड गर्ल पालोमा आ बायोपिक ब्लॉन्ड (2022) में नोर्मा जीन के किरदार निभवली। बाद वाला खातिर, दे आर्मास के बेस्ट ऐक्ट्रेस खातिर अकादमी पुरस्कार खातिर नामांकन मिलल, ई अइसन उपलब्धी हासिल करे वाली ऊ पहिली क्यूबाई औरत बनली।

निजी जिनगी

दे आर्मास आ स्पेनिश अभिनेता मार्क क्लोटेट के 2010 के बीच में रिलेशनशिप शुरू भइल आ जुलाई 2011 में इनहन लोगन के बियाह कोस्टा ब्रावा में भइल। 2013 के सुरुआत में इनहन लोग के तलाक हो गइल इनके कुछ समय खातिर अमेरिकी टैलेंट एजेंट फ्रैंकलिन लैट से सगाई भइल आ ई लोग 2015 के सुरुआत से 2016 के अंत ले रिलेशनशिप में रहल 2019 के अंत में डीप वाटर के सेट पर मिलला के बाद दे आर्मास अमेरिकी अभिनेता बेन अफ्लेक के मार्च 2020 से जनवरी 2021 ले डेट कइली।

दे आर्मास के क्यूबास्पेन के दोहरी नागरिकता बा। 26 बरिस के उमिर में ऊ लॉस एंजिल्स चल गइली, आ 2023 ले के जानकारी बा कि वरमोंट में रहे लीं 15 अप्रैल 2023 के सॅटर्डे नाईट लाइव के होस्टिंग करत घरी ऊ बतवली कि तीन हफ्ता में उनुका अमेरिकी नागरिकता मिल जाई।

फिल्मोग्राफी

कुंजी
अइसन रचना सभ के बोध करावे ला जे अबहीं ले रिलीज नइखे भइल

फिलिम

बरिस टाइटिल रोल नोट
2006 उना रोजा दे फ्रांसिया मैरी
2007 मैड्रिगल स्टेला मारिस
2009 सेक्स, पार्टी एंड लाइज कैरोला मूल स्पेनिश शीर्षक मेंटिरास वाई गोर्डास
वाई डी पोस्टरे, क्यूए लइकी शार्ट फिलिम
अनिमा जूलिएटा शॉर्ट फिलिम
2011 ब्लाइंड एली रोजा / लौरा मूल स्पेनिश शीर्षक एल कालेजोन
2012 पेरिटो चिनो सबीना शॉर्ट फिलिम
2013 फैराडे इनमा मुर्गा
2014 फॉर हैंडफुल ऑफ किसेज सोल मूल स्पेनिश शीर्षक पोर अन पुनाडो डी बेसोस
2015 नॉक नॉक बेल
एनाबेल क्रिस
2016 एक्सपोज्ड इसाबेल डे ला क्रूज
हैंड्स ऑफ स्टोन फेलिसिड इग्लेसियास
वार डॉग्स इज
2017 ओवरड्राइव स्टेफनी
ब्लेड रनर 2049 जोई
2018 कोराजोन एलेना रमिरेज़ शॉर्ट फिलिम
2019 एंटरिंग रेड आना शॉर्ट फिलिम
इन्फॉर्मर सोफिया कोस्लो
वैस्प नेटवर्क एना मार्गरीटा मार्टिनेज
नाइव्ज आउट मार्टा काब्रेरा
2020 सर्जियो कैरोलिना लारियरा
नाइट क्लर्क आंद्रेया रिवेरा
2021 नो टाइम टु डाई पालोमा
2022 डीप वाटर मेलिंडा वैन एलन
ग्रे मैन दानी मिरांडा
ब्लौंड नोर्मा जीन
2023 गोस्टेड सैडी रोड्स
2024 बैलेरीना रूनी / द बैलेरीना पोस्ट प्रोडक्शन के काम चल रहल बा

टेलीविजन

साल टाइटिल रोल नोट
2007 एल एडेन पेर्डिडो ग्लोरिया टेलीविजन फिल्म
2007-2010 एल इंटरनाडो कैरोलिना लील सोलिस 56 एपिसोड
2010-2011 हिस्पैनिया, ला लेयंडा नेरिया 17 एपिसोड
2023 सॅटर्डे नाईट लाइव खुद (मेजबान) एपिसोड: "आना दे अरमास/ कैरोल जी"।

म्यूजिक वीडियो

साल टाइटिल रोल कलाकार लोग
2009 "मुंडो फ्रैगिल" नीना साइडकार
2018 "एवरीडे" चिका ओरिशास
2020 "एंटेस क्यू एल मुंडो से अकाबे " खुद रेजिडेंट

संदर्भ

Tags:

आना दे आर्मास निजी जिनगीआना दे आर्मास फिल्मोग्राफीआना दे आर्मास संदर्भआना दे आर्मास बाहरी कड़ीआना दे आर्मासअंग्रेजीमैड्रिडस्पेन

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

इस्तांबुलखटियाकाशी विद्यापीठगाँवगिनीजिबूतीवर्डप्रेसएल्बकैरीबा झीलपवन सिंहआदित्यनाथट्विटरआसारामपच्छिम बंगालqhl4hइंटरनेटमुंबईमाइकल जैक्सनखेलकूदमेहराबरिसर्च मेथोडोलॉजीआर्मीनियापृथ्वी के घूर्णनट्रिपल एक्स (फिलिम सिरीज)हिन्दुस्तान (अखबार)मास्कोमुर्गी पालनमई दिवसजंगलगायकीशेक्सपियरमनोज तिवारीखिचड़ीभारत के सीमाबरेहीपानी झरनासनातनीविकिपीडियाजवाहरलाल नेहरूमार्क ज़करबर्गसतुआनकलमयांग्त्सी नदीनागवासुकी मंदिर, इलाहाबादविष्णुपद मंदिरहंगरीमहात्मा गाँधी सेतुअंटार्कटिकाकंचनजंघानार्वेस्पेनगोवामोटू पतलूउत्तर प्रदेश के जिला सभ के लिस्टशाही पुलभरत शर्माअकबरनेपालबिस्कोमान भवनपुच्छल तारातराईसलमान खानकुँवर सिंहपर्यावरण भूगोलप्रजातिभोजपुरी खानाप्राकृतिक पर्यावरणकालिदासमाहेश्वर सूत्ररामभद्राचार्यसूखावाल्मीकि नेशनल पार्कअमरकंटकहिंदी पट्टी🡆 More