मूल सामग्री नीति सभ

विकिपीडिया के सामग्री तीन ठो मुख्य नीति सभ, तटस्थ नजरिया, सत्यापनीयता आ मूल रिसर्च मनाही से निर्धारित होला। संपादन करे वाला लोग के एह तीनों नीति से परिचित होखे के चाहीं आ ई तीनों नीति एक साथे मिला के एक दुसरा के सहायता से पढ़े के चाहीं।

  1. तटस्थ नजरिया (विकिपीडिया:NPOV) – सगरी विकिपीडिया लेख या अन्य ज्ञानकोशीय सामग्री निश्चित रूप से तटस्थ नजरिया या निष्पक्ष दृष्टिकोण से लिखल जाये के चाहीं। अगर कौनों बीसी पर कई तरह के मत या राय बा त सब पक्ष उचित वजन के साथ बिना कौनों पक्षपात के लिखल जाये के चाहीं।
  2. सत्यापन जोग (विकिपीडिया:V) – जौना सामग्री पर केहू संदेह करे या कहल बात के चुनौती देवे के संभावना होखे, या केहू के कोटेशन, हमेशा बिस्वास जोग प्रकाशित (पब्लिश) स्रोत के संदर्भ के साथ लिखल जाये के चाहीं। एकर उद्देश्य ई हवे की विकिपीडिया पढ़े वाला या इहाँ संपादन करे वाला व्यक्ति जरूरत पड़े पर जाँच सके की जानकारी विश्वसनीय स्रोत से लिहल गइल बाटे।
  3. मूल रिसर्च मनाही (विकिपीडिया:NOR) – विकिपीडिया मौलिक रिसर्च आ व्यक्तिगत बिचार नाहीं प्रकाशित करे ले: विकिपीडिया के सगरी सामग्री पहिले से कौनों बिस्वस्नीय जगह पर प्रकाशित स्रोत वाली होखे के चाहीं। पहिले से प्रकाशित चीज के आधार पर भी विकिपीडिया लेख में विश्लेषण से नया राय, सुझाव या निष्कर्ष निकालल मूल शोध के रूप में मानल जाला आ एकर मनाही बाटे।

ई तीनों नीति एक साथ मिल के विकिपीडिया के सामग्री के गुणवत्ता के सम्हारे खातिर बाड़ी। चूँकि, ई तीनों नीति एक दूसरे से जुड़ल आ एक दूसरे पर आधारित बाड़ी, इन्हन के एक दुसरा के साथ मिला के पढ़े आ समझे के चाहीं। ई विकिपीडिया के मूल नीति हई आ सदस्य (प्रयोगकर्ता) लोग के आपसी सहमति से भी ना बदलल जा सके लीं आ बाकी के नीति सभ से भी ऊपर बाड़ी। इन्हन के पन्ना पर संपादन इन्हन के समझावे आ भाषा में सुधार खातिर कइल जा सकत बाटे बाकी मूल भावना के ना बदलल जा सकत बाटे।

Tags:

विकिपीडिया:तटस्थ नजरियाविकिपीडिया:मूल रिसर्च मनाहीविकिपीडिया:सत्यापन जोग

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

खेलकूदबिंबिसारबनारसइरावदी नदी1964अरुणाचल प्रदेश2000राहुल सांकृत्यायनवैनगंगा नदी1934स्विट्जरलैंडइंडिया गेटफासीवादऔरतवुलर झीलवसुधैव कुटुंबकम्इलाहाबाद के संधिअर्थगोरखपुर जंक्शन रेलवे स्टेशनपाटलिपुत्र जंक्शन रेलवे स्टेशनदिपावलीई-रिक्शालखनऊवाल्मीकि नेशनल पार्कचौखंडी स्तूपभौतिक भूगोलसर्च इंजन ऑप्टिमाइजेशनयूनानट्विटरऋषि कपूरWhat is A Dscr Loan?रीमा लागूपनामा नहरसदाबहारअखिलेश यादवएलन मस्कभूगोलएक्सवीडियोजअलेक्जेंडर कनिंघमप्रदेश संख्या 7नेपालभाबरछतरपुर मंदिरभूगोल के रूपरेखापुच्छल तारासैटेलाइट इमेजइन्नोसेंट (एक्टर)दुर्गा पूजाकोलोरैडो नदीआदित्यनाथकाजूदामोदर नदीलेबनानसंसाधन भूगोलस्ट्रेटोस्फियरट्रिपल एक्स (फिलिम सिरीज)दिल्लीशिश्नचीनीडोमप्रोटीनलोटस टेंपलस्तनपृथ्वीमलेशियासौर मंडलभारतपुराना नैनी पुलकुंचिकल झरनाजुआनागवासुकी मंदिर, इलाहाबादतुलसीदास🡆 More