जे. के. रोलिंग

जोन रोलिंग (Joanne Rowling; जनम 31 जुलाई 1965) जे जे॰ के॰ रोलिंग आ रॉबर्ट गालब्रेथ नाँव से लेखन के काम करे ली, एगो ब्रिटिश लेखिका बाड़ी। लेखिका के अलावा ई मानवप्रेमी, फिलिम आ टीवी प्रोड्यूसर, आ स्क्रीनलेखिका बाड़ी आ इनके सभसे ढेर परसिद्धि हैरी पॉटर सीरीज के लिखे खातिर बा। इनके लिखल एह सीरीज के बहुत सारा किताब बिका चुकल बाड़ी आ ई सीरीज इतिहास के सभसे ढेर बिकाए वाली सीरीज बा। एह किताबन के कहानी पे फिलिम भी बनावल गइल बा आ इनहन के स्क्रीन अप्रूवल रोलिंग के लगे बा आ अंतिम फिलिम सभ के प्रोड्यूसर भी ई खुद रहली।

J. K. Rowling

CH OBE FRSL FRCPE
Rowling at the White House Easter Egg Roll, 2010
Rowling at the White House Easter Egg Roll, 2010
जनमJoanne Rowling
(1965-07-31) 31 जुलाई 1965 (उमिर 58)
Yate, Gloucestershire, England
लेखन उपनाँव
  • J. K. Rowling
  • Robert Galbraith
पेशाNovelist, producer, screenwriter
राष्ट्रियताBritish
शिक्षाUniversity of Exeter (1986, BA)
समय1997–present
बिधाFantasy, drama, young adult fiction, tragicomedy, crime fiction
प्रमुख रचनाHarry Potter series
जीवनसाथी
  • Jorge Arantes
    (बि. 1992; divorce 1995)
  • Neil Murray
    (बि. 2001)
संतान3
दसखतजे. के. रोलिंग
वेबसाइट
jkrowling.com

रोलिंग के जनम इंग्लैंड के ग्लूशेस्टरशायर के येट में भइल आ ई एम्नेस्टी इंटरनेशनल खातिर रिसर्चर आ दुभाषिया सेक्रेटरी के काम करत रहली जब 1990 में इनके मन में हैरी पॉटर के सीरीज के कल्पना उपजल जब ई एगो लेट चल रहल ट्रेन में मानचेस्टर से लंदन जा रहल रहली। एकरे बाद के सात साल में इनके महतारी के मौत भइल, पहिला संतान पैदा भइल आ पहिला पति से तलाक भइल आ गरीबी के दिन देखे के पड़ल, साल 1997 में हैरी पॉटर सीरीज के पहिला किताब हैरी पॉटर एंड दि फिलॉसफर्स स्टोन छपल। एकरा बाद छह गो सीक्वल छपलें जिनहन में आखिरी हैरी पॉटर एंड दि डेथली हालोज 2007 में छपल। ई पूरा सीरीज लइकन खातिर लिखल रहल। एकरे अलावा बड़ लोग खाती भी इनके चार गो किताब बाड़ी सऽ।

संदर्भ

Tags:

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

जनसत्ताबेरोजगारीमैक्सिकोनेटफ्लिक्समुर्गी पालनचुआर विद्रोहचंपाभरत शर्मागोरखपुर जंक्शन रेलवे स्टेशनचंद्रयान-3फुटबालआमिर खानअरविंद केजरीवालविष्णुशहर2020दलितलैटिनजतरा भगतज्योतिर्लिंगपवन सिंहमौर्य साम्राज्यझरनामेघाजमानियाहवापरभणी जिलाइंडिया टुडेसूरनकर्णाली प्रदेशनवका यमुना पुलब्रेकिंग न्यूज़चारमीनारअरावलीअस्पताललद्दाखचंद्रगुप्त मौर्यमोइन उल हक स्टेडियमशहरी भूगोलमार्चअमरनाथ गुफा मंदिर1857 के बिद्रोहआकासी बिजलीपुर्तगालशारदा नदीजापानस्वच्छ भारत अभियानमिकी माउसबिंदुसारमनोज तिवारीखेसारी लाल यादवतिरहुत प्रमंडलनाटोपरेश रावलकाला सागररामचरितमानसदिल्लीबिहार के जलवायुजमुनानेशनल हाइवे 48समुंद्र बिज्ञानयूनाइटेड किंगडमचीनी भाषाकैमूर बनजीव अभयारण्यजयप्रकाश नारायणब्राज़ीलहवा प्रदूषणसौर समयनाइट्रोजनप्राकृतिक पर्यावरणटेलीफोनईलॉन मस्कबनारस के घाटहैदराबादढाई किलो प्रेम🡆 More