बिटकॉइन: डिजिटल कैश सिस्टम आ संबंधित करेंसी

बिटकॉइन भा बिटक्वाइन (Bitcoin) एगो क्रिप्टोकरेंसी बा आ डिजिटल पेमेंट के सिस्टम बा:3 जेकर आबिस्कार केहू बेनाम प्रोग्रामर भा प्रोग्रामर लोग के मंडली द्वारा सातोशी नाकामोटो के नाँव से कइल गइल। ई ओपन-सोर्स सॉफ्टवेयर के रूप में साल 2009 में लॉन्च भइल।

बिटकॉइन
बिटकॉइन: डिजिटल कैश सिस्टम आ संबंधित करेंसी
बिटकॉइन के लोगो जे चलनसार बा
ISO 4217
कोडXBT
डिनॉमिनेशन
छोट इकाई
10−3मिलीबिटकॉइन
10−6माइक्रोबिटकॉइन, बिट
10−8सातोशी
चीन्हाBTC, XBT, ₿ (U+20BF, बिटकॉइन: डिजिटल कैश सिस्टम आ संबंधित करेंसी)
 मिलीबिटकॉइनmBTC
 माइक्रोबिटकॉइन, बिटμBTC
सिक्काUnspent outputs of transactions denominated in any multiple of satoshis:ch. 5
जनसंख्या आँकड़ा
चलन में आइल3 जनवरी 2009; 15 साल पहिले (2009-01-03)
इस्तेमालकर्तादुनियाभर
ढलाई/छपाई
'एडमिनिस्ट्रेशनबिकेंद्रित सिस्टम
कीमत
सप्लाई बढ़ती12.5 बिटकॉइन प्रति ब्लॉक (लगभग हर 10 मिनट) 2020 तक ले, एकरे बाद 6.25 बिटकॉइन प्रति ब्लॉक 4 साल खातिर, जबले अगिला बिभाजन न होखे। ई बिभाजन 2110–40 ले जारी रही, तबतक ले 2.10 करोड़ बिटकॉइन जारी हो गइल होखी।

ई सिस्टम पियर-टू-पियर होला, आ लेनदेन के काम डाइरेक्ट होला, बिना केहू बिचौलिया के।:4 नेटवर्क के नोड द्वारा ई लेनदेन वेरीफाई होला आ ब्लॉकचेन नाँव के पब्लिक बही में दर्ज होला। अब चूँकि, ई सिस्टम बिना कौनों एक ठो सिंगल केन्द्रीय भंडार या सिंगल प्रशासनकर्ता के होला, एकरा के दुनिया के पहिला बिकेंद्रित करेंसी के रूप में भी देखल जा रहल बा।:1

माइनिंग के बदले में हासिल करे के साथे-साथ ई दुसरा करेंसी सभ से भी बदल के हासिल कइल जा सकत बाटे, कौनों प्रोडक्ट भा सर्विस के बदले भी हासिल कइल जा सकत बाटे, भले ई ब्यापार कानूनी तौर पर होखे भा गैरकानूनी बजार में होखे।

फरवरी 2015 तक ले, 1,00,000 से अधिका ब्यापारी आ वेंडर लोग बिटकॉइन में पेमेंट स्वीकार करत रहल बा। कैम्ब्रिज इन्वर्सिटी के एगो 2017 में भइल रिसर्च में 29 से 58 लाख यूनीक उपभोक्ता लोग द्वारा क्रिप्टोकरेंसी के बटुआ इस्तेमाल करे के जानकारी सोझा आइल, एह में ज्यादातर लोग बिटकॉइन के इस्तेमाल करे वाला रहल।

हाल में एगो बिबाद सोझा आइल जेह में बतावल गइल कि क्रेग राईट आ डैवक्लाइमेन नाँव के लोग अमेरिका में एगो कंपनी सुरू कइल आ बिटकॉइन के माइनिंग सुरू कइल, 2013 में क्लाइमैन के मउअत भ गइल आ क्लाइमैन के परिवार के आरोप बाकी धोखाधड़ी से राईट सगरी अधिकार अपने नाँव क लिहलें। राईट अपना के बिटकॉइन के बनावेवाला होखे के दावा कइले रहलें बाकी कड़ाई होखे प एह बात से इनकार करे लगलें। इनका प क्लाइमेन के परिवार पाँच अरब डालर के मुकदमा कइले बा।

नोट

संदर्भ

Tags:

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

कमल हासनउत्तर प्रदेश के जिला सभ के लिस्टकंप्यूटरअरविंद केजरीवाललवंडा नाचआसाममहाकालगूगलजर्मनीसोनम कपूरसोनिया गांधीद्वारिकाधीश मंदिरपाकिस्तान के भूगोलपवन सिंहकॉपीराइटउत्तराखंडशेक्सपियरपटना कॉलेजहावड़ा ब्रिजपठारजगदीप धनखड़मौलाना मज़हरुल हक़ अरबी फ़ारसी विश्वविद्यालयअध्यक्षचंडीगढ़महादेवी वर्माप्रियंका चोपड़ाबुध (ग्रह)पूर्वांचल एक्सप्रेसवेमुर्गी पालनसंस्कृतिभौतिक भूगोलनेपाल के जिला सब के लिस्टबाघअलीगढ़ मंडलजयप्रकाश नारायणचारमीनारग्रेट बैरियर रीफमहादीपी शेल्फप्रादेशिक भूगोलसिजिगीकूलरउरुआमिर्जापुरशुभी शर्माकुल्फी कुमार बाजेवालामहाजनपदबराबर गुफासभसिनेगॉगइरावदी नदीतेलंगानाजन गण मनसतपुड़ा परबतअनुष्का शर्माबनारसकाराकोरम दर्राबाराँ जिलामदर टेरेसापकवान (इस्टाइल)मार्क ज़करबर्गगोलघरखेलकूदयूनाइटेड किंगडमजमानियाईसा मसीहलियो टालस्टायअहिंसाबरफराम मंदिर, अयोध्याशहरलखनिया दरीयूनानरामनाथ कोविंद🡆 More