पूर्वांचल: भारत के क्षेत्र

पूर्वांचल भारत के उत्तरी हिस्सा में मौजूद एक ठो क्षेत्र बाटे जहाँ के मुख्य भाषा भोजपुरी हवे। ई क्षेत्र में वर्तमान राज्य उत्तर प्रदेश के पूरबी हिस्सा आवे ला आ एकरा के एक ठो अलग राज्य के दर्जा देवे के माँग भी लंबा समय से उठ रहल बाटे। अलग-अलग प्रस्तावन के अनुसार एह राज्य में 17 गो से ले के 27 गो ले जिला सभ के सामिल करे के माँग उठावल गइल बा, कुछ प्रस्ताव में एह में पच्छिमी बिहार के भी कुछ जिला सभ के सामिल करे के बात कहल गइल बा।

पूर्वांचल
क्षेत्र
Location of Purvanchal
Location of Purvanchal
देशपूर्वांचल: भारत के क्षेत्र भारत
क्षेत्रउत्तर भारत
मंडल बिभाजन
भाषाभोजपुरी, हिंदी, उर्दू, अवधी

भूगोलीय क्षेत्र के रूप में ई हिस्सा उत्तर में नेपाल, पूरुब में बिहार, दक्खिन में बघेलखंड, आ पच्छिमी ओर अवध क्षेत्र से घेराइल बाटे। ई इलाका दुनिया के सभसे घन बसल इलाका सभ में से एक बा। गंगा के मैदान के ठीक बीचोबीच स्थित ई इलाका उपजाऊ जमीन के चलते पुरान समय से घन खेती वाला इलाका हवे। हालाँकि, जनसंख्या के दबाव, खनिज संसाधन के कमी आ उद्योगीकरण के आभाव में ई इलाका आर्थिक बिकास के दौड़ में पिछड़ल बाटे। एकरे अलावा राजनीतिक उपेक्षा के भी एह इलाका के पिछड़ापन के कारण मानल गइल बा।

एह इलाका के बिकास लम्बा समय से राजनीतिक मुद्दा रहल बा हालाँकि एकर माँग बहुत जोर के नइखे। 1991 में उत्तर प्रदेश सरकार पूर्वांचल बिकास निधि के स्थापना कइलस बाकिर एकरे लाभ के बँटवारा आ उचित उपयोग पर सवाल उठल बा। पहिले भी उत्तर प्रदेश के बिभाजित करि के कई गो राज्यन के गठन के बात चल चुकल बा आ हाल के समय में तेलंगाना राज्य के गठन के बाद से पूर्वांचलो के माँग के सुगबुगाहट तेज भइल बाटे।

संदर्भ

संदर्भ स्रोत

    किताब

Tags:

उत्तर प्रदेशबिहारभारतभोजपुरी

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

कुसुमी जंगलसुर्खेत जिलानहरकूलररवि किशनबिजनेसयोनीसैम मानेकशॉस्कार्लेट जोहानसनसुपरमूनआदि पराशक्तिसर्च इंजन ऑप्टिमाइजेशनमदन मोहन मालवीयकैमूर श्रेणीनेहा सिंह राठौरअहिंसाहिंदू पतराभारत के भूगोलछेना के पानीकैथीझंडामहाराजगंज, बिहारपिरेनीज परबतवल्ड वाइड वेबमाधुरी दीक्षितताजिकिस्तानजन गण मनमहानंदा नदीचंबल नदीजोधपुर जिलाराकस तालमनोरंजनबिपिन रावतयूआरएलबिहारी भाषावीरेन्द्रनगरआंध्र प्रदेशविजय नायक रामायणअबू धाबीसूडानकन्हैया कुमारहवा प्रदूषणऊटीगाँड़केसरिया रंगअमरकंटककाराकोरम दर्राजकार्ताउत्तर प्रदेश पुलिसअरविंद केजरीवालअकबरभतुआरवीन्द्र कुमार 'राजू'मीटरग्लोबबकरीदहंगरीभागलपुर जिलाकजरी1965 के भारत-पाक युद्धनई दिल्ली रेलवे स्टेशनआईपी पतानर्मदा नदीबुध (ग्रह)मानव यौन गतिविधिबद्रीनाथ मंदिरगाँवकुँवर सिंहकाजीरंगा नेशनल पार्कमहात्मा गाँधी सेतुमैरवा🡆 More