नेपाल के भूगोल

नेपाल के भूगोल में एशियाई देस नेपाल के भौतिक आ मानवीय पहलू सभ के भूगोलीय बिबरन सामिल बा। नेपाल एगो पहाड़ी देस हवे आ हिमालय पहाड़ के सहारे ई पूरुब-पच्छिम दिसा में 800 किलोमीटर (497 मील) लंबाई में आ उत्तर-दक्खिन दिसा में 150 से 250 किलोमीटर (93 से 155 मील) चाकर पट्टी के रूप में बिस्तार लिहले बा; कुल क्षेत्रफल 147,181 वर्ग किलोमीटर (56,827 वर्ग मील) बाटे।

नेपाल के भूगोल
नेपाल के भूगोल
महादीपएशिया
क्षेत्रदक्खिनी एशिया
लोकेशन28°00′N 84°00′E / 28.000°N 84.000°E / 28.000; 84.000
रकबाRanked 93वाँ
 • कुल147,181 किमी2 (56,827 वर्ग मील)
 • जमीन92.94%
 • पानी7.06%
तटरेखा0 किमी (0 मील)
सीमाकुल जमीनी सीमा:
2,926 किमी (1,818 मील)
चीन:
1,236 किमी (768 मील)
भारत:
1,690 किमी (1,050 मील)
सभसे ऊँच जगहमाउंट एवरेस्ट
8,848 मी (29,029 फीट)
सबसे लमहर नदीकरनाली
सबसे बड़हन झीलरारा ताल

नेपाल एगो थलरुद्ध देस हवे, मतलब कि एकर सीमा समुंद्र से ना छुआले; एकरे उत्तर में चीन देस के तिब्बत ऑटोनामस प्रदेश आ दक्खिन में भारत के उत्तर प्रदेश राज्य बा; पच्छिमी सीमा भारतीय राज्य उत्तराखंड के साथे बने ले आ पूरबी सीमा भारत आ भूटान देस के साथ; एह पूरबी सीमा पर भारतीय राज्य पच्छिम बंगाल के पातर पट्टी बा जेकरे बाद बांग्लादेश पड़े ला। भले नेपाल के बहुत सारा ब्यापार चीन के साथ होखत होखे, समुंद्र से जुड़े खाती आ माल ढोआई खाती नेपाल भारत देस पर निर्भर बाटे।

जलवायु पहाड़ी हवे, मानसून के समय में बरखा होले आ तराई आ घाटी वाला इलाका सभ में ई बरखा के मात्रा काफी होखे ले। ढेर ऊँचाई वाला पहाड़ी चोटी सभ सालो भर बरफ से तोपाइल रहे लीं। बड़हन इलाका में जंगल मौजूद बाने आ पर्यटन के नजरिया से कई पहाड़ी जगह आ घाटी सभ नेपाल के अर्थब्यवस्था खाती महत्व क चीज बाने। इहाँ, नेपाल आ तिब्बत के बाडर पर दुनिया के सभसे ऊँच परबत चोटी माउंट एवरेस्ट बा जेह पर चढ़ाई करे वाला लोग नेपाल में मौजूद बेस से आपन चढ़ाई सुरू करे ला।

संदर्भ

Tags:

एशिया के भूगोलनेपालभौतिक भूगोलमानव भूगोलहिमालय

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

सई नदीजननी जन्मभूमिश्च स्वर्गादपि गरीयसीबाणभट्टउत्तर प्रदेश पुलिसतुलसीदासमगधपर्यावरणमहाकालअज्ञेयबुर (बहुअर्थी)होली1857 के बिद्रोहविकिपीडियाआसाराममहादेवी वर्माइत् संज्ञाइंटरनेटमच्छरअल्मोड़ा जिलाउत्तर प्रदेश के जिला सभ के लिस्टकाराकोरम दर्राहीलियमरोमनेस्क कलामहाराष्ट्रलद्दाख2019जायसयूनेस्कोभारत के नेशनल पार्क सभ के लिस्टअमेजन नदीओप्पो इलेक्ट्रानिक्सभोजपुरी खानाझारखंडसंसाधन भूगोलज्योतिर्लिंगनेहा शर्मालाल किलाभागीरथीजानकारीताना भगत आंदोलनहजारी प्रसाद द्विवेदीयूरोपकामदेवअल्बर्ट आइंस्टीनहिंदी भाषाएंड्रॉइडमानव प्रजातिगोमती नदीमिस्रटाइम जोनज्याँ द्रेजशेक्सपियरमिशनरी पोजीशनटेनेसी नदीट्रिपल सीकंगना राणावततुर्कीशिकागोपंकज त्रिपाठीनीतीश कुमारवर्ग किलोमीटरउत्तर प्रदेशमुर्गी पालनरसड़ाकालिदासआमपटना नगर निगमकर्क रेखाबसंतपुर ब्लाक, सिवानकुतुबनुमाकार्ल मार्क्सईसा मसीहबर्लिनसपना चौधरीजनपद🡆 More