नीतीश कुमार

नीतिश कुमार भारत देस के बिहार राज्य के मुख्यमंत्री बाने।

नीतीश कुमार
नीतीश कुमार
बिहार के मुख्यमंत्री
पद पर मौजूद
पदभार लिहल गइल
27 जुलाई 2017
डिप्टीसुशील कुमार मोदी
इनसे पहिलेखुद
कार्यकाल
22 फरवरी 2015 – 26 जुलाई 2017
डिप्टीतेजस्वी यादव
इनसे पहिलेजीतन राम माँझी
कार्यकाल
24 नवंबर 2005 – 17 मई 2014
डिप्टीसुशील कुमार मोदी
इनसे पहिलेराष्ट्रपति शासन
इनके बादजीतन राम माँझी
कार्यकाल
3 मार्च 2000 – 10 मार्च 2000
इनसे पहिलेराबड़ी देवी
इनके बादराबड़ी देवी
रेल मंत्री
कार्यकाल
20 मार्च 2001 – 21 मई 2004
इनसे पहिलेममता बनर्जी
इनके बादलालू प्रसाद यादव
कार्यकाल
19 मार्च 1998 – 5 अगस्त 1999
इनसे पहिलेराम विलास पासवान
इनके बादराम नाइक
खेती मंत्री
कार्यकाल
27 मई 2000 – 21 जुलाई 2001
कार्यकाल
22 नवंबर 1999 – 3 मार्च 2000
भूतल परिवहन मंत्री
कार्यकाल
13 अक्टूबर 1999 – 22 नवंबर 1999
प्रधानमंत्रीअटल बिहारी वाजपेयी
कार्यकाल
14 अप्रैल 1998 – 5 अगस्त 1999
निजी जानकारी
जनम (1951-03-01) 1 मार्च 1951 (उमिर 73)
बख्तियारपुर, बिहार, भारत
राष्ट्रीयताभारतीय
राजनीतिक पार्टीजदयु
जीवनसाथीमंजू कुमारी सिन्हा
संतान1
महतारी संस्थाबिहार कॉलेज ऑफ इंजीनियरिंग
प्रोफेशनराजनीतिग्य
पुकार नाँवसुशासन बाबू
विकास पुरुष
मिस्टर क्लीन
लार्ड टर्नअराउंड

नीतीश कुमार जनता दल (युनाइटेड) के नेता हवें। राजनीति में नीतीश के पृष्ठभूमि समाजवादी नेता के रूप में बा। अपना पहिले के मुख्यमंत्री काल में इनके समाजवादी नीति के तहत 100,000 इस्कूल मास्टरन के भर्ती, प्राथमिक स्वास्थ्य केंद्र पर डाक्टरन के उपस्थिति आ काम कइल सुनिश्चित कइल, गाँवन के बिद्युतीकरण, सड़क निर्माण, जनाना निरक्षरता के कम कइल, अपराध कम कइल आ औसत बिहारी ब्यक्ति के आमदनी में बढ़ती ले आइल कुछ मुख्य उपलब्धी गिनावल जाला। इनका मुख्यमंत्री काल में बिहार के क्यूमुलेटिव जीडीपी बढ़ती अन्य राज्यन के तुलना में सभसे ढेर रहल बा।

17 मई 2014 के मुख्यमंत्री पद से इस्थीपा दे दिहलें, एकर कारण 2014 आम चुनाव में इनके पार्टी के ख़राब परदर्शन रहल, आ इनके बाद जीतन राम माँझी मुख्यमंत्री बनलें। हालाँकि, फरवरी 2015 में दोबारा एह पद पर लवटलें जब बिहार में राजनीतिक संकट के स्थिति बन गइल रहे आ राज्य चुनाव (नवंबर) 2015 में जीतलें। 10 अप्रैल 2016 के इनके पार्टी क राष्ट्रीय अध्यक्ष चुनल गइल। भाबिस्य में, 2019में होखे वाला चुनाव में इनके कई लोग परधानमंत्री पद के जोग कैंडीडेट मानल जेह में लालू प्रसाद यादव आ तेजस्वी यादव भी सामिल रहल हालाँकि, नीतीश एह दावेदारी से इनकार कइलें।

26 जुलाई 2017 के फिर से बिहार के मुख्यमंत्री पद से इस्थीपा दे दिहलें, कारण एह महागठबंधन के हिस्सा आ उपमुख्यमंत्री तेजस्वी यादव के के खिलाफ सीबीआइ द्वारा दायर ऍफ़आईआर के बाद उपजल घटनाक्रम रहल। इस्थीपा के कुछे घंटा बाद एनडीए ज्वाइन क लिहलें आ राज्यपाल से मिल के सरकार बनावे के दावेदारी रखलें, अगिला दिने फिर से पद के सपथ लिहलें।

सुरुआती जीवन

नीतीश कुमार के जनम बिहार के नालंदा जिला के हरनउत (कलियाँबीघा) में कबिराज रामलखन सिंह आ परमेश्वरी देवी के घरे भइल। इनके बाबूजी स्वतंत्रता सेनानी रहलें आ गाँधीवादी नेता आ आधुनिक बिहार के निर्माता मानल जाए वाला "बिहार विभूती" अनुग्रह नारायण सिंह के करीबी रहलें। नीतीश कुमार 1972 में बिहार कॉलेज ऑफ इंजीनियरिंग से इलेक्ट्रिकल इंजीनियरी में डिग्री लिहलें पढ़ाई के बाद ऊ बिहार राज्य बिद्युत निगम में आधा-अधूरा मन से नौकरी ज्वाइन कइलेन आ बाद में राजनीति में उतर गइलें।

अवार्ड आ पहिचान

  • अणुव्रत सम्मान, श्वेतांबर तेरापंथ महासभा (जैन संस्था) द्वारा, बिहार में शराबबंदी लागू करे खातिर, 2017
  • जेपी मेमोरियल अवार्ड, नागपुर मानव मंदिर, 2013
  • फॉरेन पॉलिसी मैगजीन के टॉप 100 बैस्विक चिंतक लोग में 77वाँ नमर पर, 2012.
  • XLRI, जमशेदपुर द्वारा, "सर जहाँगीर गांधी मेडल" , 2011.
  • "एमएसएन इंडियन ऑफ दि इयर", 2010"
  • एनडीटीवी इंडियन ऑफ दि इयर – राजनीति, 2010
  • फ़ोर्ब्स "इंडियन पर्सन ऑफ दि इयर", 2010
  • सीएनएन-आईबीएन "इंडियन ऑफ दि इयर अवार्ड" – राजनीति, 2010
  • एनडीटीवी इंडियन ऑफ दि इयर – राजनीति, 2009
  • इकोनॉमिक टाइम्स "बिजनेस रिफार्मर ऑफ दि इयर", 2009
  • 'पोलियो उन्मूलन चैम्पियनशिप अवार्ड' 2009, रोटरी इंटरनेशनल द्वारा
  • सीएनएन-आइबीएन "ग्रेट इंडियन ऑफ दि इयर" अवार्ड – राजनीति, 2008

इहो देखल जाय

संदर्भ

पहिले
राष्ट्रपति शासन
बिहार के मुख्यमंत्री
24 नवंबर 2005 – 17 मई 2014
बाद में
जीतन राम माँझी
पहिले
जीतन राम माँझी
बिहार के मुख्यमंत्री
22 फरवरी 2015 – 26 जुलाई 2017
बाद में
Vacant

Tags:

नीतीश कुमार सुरुआती जीवननीतीश कुमार अवार्ड आ पहिचाननीतीश कुमार इहो देखल जायनीतीश कुमार संदर्भनीतीश कुमार बाहरी कड़ीनीतीश कुमारबिहारभारतमुख्यमंत्री

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

भंटापूजा गौरसिरफलबुल्गारियाचंद्रगुप्त मौर्यअरुण जेटलीइस्लामी सुलेखचीनी भाषापरेश रावलमानव प्रजातिसलमान खानकबीरऋषिकेशलूसिफ़र (टीवी सीरीज)धर्मो रक्षति रक्षितःपेरियारगुट-निरपेक्ष आंदोलनकल्पना पटवारीशिवमूर्तिदामोदर नदीनंदुरबार जिलालिट्टीपटना कॉलेजविष्णुसिवान जिलाहांगकांगजॉन लॉकभारतीय संविधान के आमुखमेगस्थनीजबगसर जिलाग्लोबबिंबिसारनरेंद्र मोदीबाड़मेर जिलापंजाबी भाषासंगमकृष्णा सोबतीअंटार्कटिकारासायनिक तत्वन के लिस्टहिल स्टेशनपूर्वांचल एक्सप्रेसवेआसमानपीलकअताउल्लाह ख़ानसतलजमार्चनेपालफागुनअंग्रेजीदुपहरियाकुआरभारतीय मसाला सभ के लिस्टमनेर शरीफभोजपुरी साहित्यस्तूपकर्णाली प्रदेशबोरॉनसपना चौधरीसोशल मीडियाट्विटरझारखंडहाजीपुरबांग्लादेशबारहखड़ीदेव आनंदनारायणी नदीगंगा नदी बेसिनसेक्स पोजीशनपवन सिंहघुमंतू लोगकुँवर सिंहपृथ्वी के घूर्णन🡆 More