ब्रेव न्यू वर्ल्ड

कैप्टन अमेरिका: ब्रेव न्यू वर्ल्ड (अंग्रेजी: Captain America: Brave New World) मार्वल कॉमिक्स के किरदार सैम विल्सन/कैप्टन अमेरिका पर आधारित एगो आवे वाली अमेरिकी सुपरहीरो फिलिम बा, एकर निर्माण मार्वल स्टूडियो द्वारा कइल गइल बा आ वाल्ट डिज्नी स्टूडियो मोशन पिक्चर्स द्वारा बितरित कइल जाई। ई कैप्टन अमेरिका फिलिम सीरीज के चउथा किस्त होखे के वाली बा, टेलीविजन मिनीसीरीज द फाल्कन एंड द विंटर सोल्जर (2021) के आगे के कहानी में, आ मार्वल सिनेमैटिक यूनिवर्स (MCU) में ई 34वीं फिलिम होखी। एह फिलिम के डाइरेक्शन जूलियस ओनाह कइले बाड़न आ लेखक मैल्कम स्पेलमैन आ डालन मुसन बा लोग आ सैम विल्सन/कैप्टन अमेरिका के भूमिका में एंथोनी मैकी रहिहें जबकि डैनी रमिरेज़, कार्ल लम्ब्ली, टिम ब्लेक नेल्सन, शिरा हास, हैरिसन फोर्ड, आ लिव टायलर अन्य स्टार कलाकार बा लोग।

कैप्टन अमेरिका: ब्रेव न्यू वर्ल्ड
डाइरेक्टरजूलियस ओनाह
कलाकार
  • एंथनी मैकी
  • डैनी रमीरेज
  • कार्ल लुंब्ली
  • टिम ब्लेक नेल्सन
  • शीरा हास
  • हैरिसन फोर्ड
  • लिव टायलर
प्रोडक्शन
कंपनी
डिस्ट्रीब्यूटरवाल्ट डिज्नी
रिलीज के तारीख
  • मई 3, 2024 (2024-05-03)
देसअमेरिका
भाषाअंग्रेजी

कैप्टन अमेरिका: सिविल वार (2016) के कैप्टन अमेरिका के तीन गो सीरीज के अंतिम मानल जात रहल जेह में क्रिस इवांस स्टीव रोजर्स के भूमिका में रहलें, मैकी के विल्सन वाला किरदार द फाल्कन एंड द विंटर सोल्जर में नया कैप्टन अमेरिका बन गइल रहलें। स्पेलमैन आ मसन, क्रम से एह सीरीज के मुख्य लेखक आ लेखक लोग, अप्रैल 2021 के अंत ले कैप्टन अमेरिका के एगो नया फिलिम के पटकथा लिखत रहलें आ मैकी ओही समय अगस्त ले एह फिलिम खातिर साइन क चुकल रहलें। ओनाह जुलाई 2022 में एह फिलिम में शामिल भइली जबकि सितंबर में अउरी कलाकारन के खुलासा भइल। फिल्मांकन मार्च 2023 में अटलांटा, जॉर्जिया में ट्रिलथ स्टूडियो में शुरू भइल आ जून ले चलल।

कैप्टन अमेरिका: ब्रेव न्यू वर्ल्ड एमसीयू के फेज फाइव के हिस्सा के रूप में 26 जुलाई 2024 के अमेरिका में रिलीज कइल जाई।

बाहरी कड़ी

Tags:

अंग्रेजीमार्वल सिनेमेटिक यूनिवर्समार्वल स्टूडियोज

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

प्रियंका चोपड़ाट्रिपल एक्स (फिलिम सिरीज)अमरकंटकरजनीकांतमादा जननांगमथुराअरवल जिलायशवंत सिन्हाविष्णुपद मंदिरभारत के प्रशासनिक खंडनरेंद्र मोदीसंज्ञा (संस्कृत व्याकरण)मोबाइल फोनइंटरनेटकरीना कपूरगायत्री मंत्रललित होटलसर्वेऑक्सीजनपुणेमधेश प्रदेशशहरकाशी विश्वनाथ मंदिरबिंबिसारखरहाइंडोनेशियाई भाषाजानकारीस्पेनब्रह्मपुत्र नदीहरियाणाहीलियममनुस्मृतिचिंबोराजोमिठाईकारसत्यमेव जयतेचीनी भाषाग्रेट डिवाइडिंग रेंजविटामिनशुभी शर्मापवन कल्याणधनगढीअखिलेश यादवतुंगभद्रा नदीसंगमछोटा भीमपाकिस्तानबनारसजंगलचट्टानतेजस्वी यादवसचिन तेंदुलकरप्रादेशिक भूगोलकोसलबुल्गारियाअस्पतालवैनगंगा नदीअफ़ग़ानिस्तानमैरवाक्लाइटोरिसजो बाइडनपरभणीडैनी डेनियल्सइंग्लैंडयांग्त्सी नदीशिकागोकाममाइकल जैक्सनतीजरासायनिक तत्वन के लिस्टसारिकाअमेजन जंगलगायकीकृष्ण बिहारी मिश्रबिहार के भूगोलट्रिपल एक्स (2002 फिलिम)आईपी पताग्रेट बैरियर रीफ🡆 More