दूधसागर झरना

दूधसागर भारतीय राज्य गोवा में मांडवी नदी पर एगो झरना बाटे। चार सीढ़ी के रूप में बहे वाला ई झरना भारत के कुछ सभसे ऊँच झरना सभ में से एक हवे। झरना गोवा के राजधानी पणजी से लगभग 60किमि के दूरी पर बाटे। नगीचे के प्रमुख शहर मडगाँव हवे। इहाँ सड़क के रास्ता से पहुँचल जा सके ला। एगो रेलवे ट्रैक झरना के ठीक सोझा से हो के जाला बाकी ई अब आम जनता खातिर खुला नइखे। ई गुंटकल-वास्को डी गामा लाइन कहाला जे आंध्र प्रदेश से कर्नाटक होखत गोवा ले बाटे।

दूधसागर झरना
दूधसागर प्रपात (हिंदी)
दूधसागर झरना
अगस्त के महीना में दूधसागर झरना
Locationगोवा-कर्नाटक बाडर के लगे गोवा में।
Coordinates15°18′46″N 74°18′51″E / 15.31277°N 74.31416°E / 15.31277; 74.31416 74°18′51″E / 15.31277°N 74.31416°E / 15.31277; 74.31416
Typeसीढ़ीदार
Total height320 मीटर (1017 फीट)
Number of drops5
Average width30 मीटर (100 फीट)
Watercourseमांडवी नदी

एही मांडवी नदी पर, अउरी ऊपर की ओर कर्नाटक के बेलगाम के लगे एगो अउरी झरना बाटे जेकरा के वज्रपोह चाहे वज्रपोहा कहल जाला। दूधसागर झरना एह तरीका से मांडवी नदी पर दुसरा झरना हवे। नदी पच्छिमी घाट के पहाड़ी से उतर के अरब सागर में गिरे ले। दूधसागर झरना कर्नाटक-गोवा के बाडर बनावे ला आ ई महावीर अभयारण्य आ मोल्लेम नेशनल पार्क के हिस्सा हवे। झरना के चारों ओर के इलाका में घन बन बाड़ें आ जीवबिबिधता बहुत बा। झरना आमतौर पर पातर धारा सभ के रूप में रहे ला हालाँकि, बरसात के सीजन में बरखा के पानी से ई बिसाल रूप ले लेला।

संदर्भ

  • दूधसागर, गोवा पर्यटन विभाग के वेबसाइट पर।

Tags:

गोवा

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

डार्क वेबचायचिनाब नदीसट्टापर्यावरणपबजीमाउंट एटनासिंधु जल समझौताबनमुर्गीअमरकंटकरेपसीडजून 5लार्ड कार्नवालिसगुलाबभोजपुरी संस्कृतिमोबाइल फोनमहात्मा गाँधी सेतुमहतारीसावनडोम17 सितंबरकंचनजंघामादा जननांगचीनीगोरखपुर जंक्शन रेलवे स्टेशनकुँवर सिंहकाशी विश्वनाथ मंदिरमंगलयानमेघाकिताबजामा महजिद, जौनपुरशतरंजसरसोमाउंट एवरेस्टगोंडवाना लैंडअगस्त 7कुतुबनुमाबहरीनव्लादिमीर पुतिनकेसरिया रंगतुगलकाबाद किलाबिटकॉइनटेनिससमाजमार्च 30भारतीय संस्कृतिग्लोबनेटफ्लिक्सबनारस के घाट1981भारतीय संविधानतंजानियामहाराजगंजविकिमीडिया फाउंडेशनझेलम नदीसोनपुर मेलामैंगनीजअलीगढ़ मंडलसंसाधन भूगोलमई 31मार्चनेशनल हाइवे 44बियफे30 सितंबरवाराणसी मंडलबैकाल झीलभारतीय राष्ट्रीय प्रतिज्ञाव्लादीमिर लेनिनभेलीजगन्नाथ मंदिर, पुरीअमर्त्य सेनड्रैगनश्रीदेवीए. ओ. ह्यूमपूर्वांचलज्वालामुखीकाजीरंगा नेशनल पार्क🡆 More