व्लादिमीर पुतिन

व्लादिमीर पुतिन (रूसी: Влади́мир Влади́мирович Пу́тин; IPA:  ( सुनल जाय); जनम 7 अक्टूबर 1952) रूस के राजनीतिक नेता आ 7 मई 2012 से वर्तमान राष्ट्रपति बाड़ें; एह पद प ई एकरे पहिले भी 2000 से 2008 ले रहलें। राष्ट्रपति के अलावा पुतिन रूस के परधानमंत्री के पद प भी एक बेर 1999 से 2000 ले आ दुसरा बेर 2008 से 2012 ले रहल बाड़ें।

व्लादिमीर पुतिन
Vladimir Putin (Владимир Путин)
व्लादिमीर पुतिन
रूस के 2सरा आ 4था राष्ट्रपति
पद पर मौजूद
पदभार लिहल गइल
7 मई 2012
प्रधानमंत्रीविक्टर जुबकोव (कार्यबाहक)
दिमित्री मेद्वेदेव
इनसे पहिलेदिमित्री मेद्वेदेव
कार्यकाल
7 मई 2000 – 7 मई 2008
कार्यबाहक राष्ट्रपति: 31 दिसंबर 1999 – 7 मई 2000
प्रधानमंत्रीमिखाइल कास्यानोव
विक्टर ख्रिस्तेंकोव (कार्यबाहक)
मिखाइल फ्रादकोव
विक्टर जुबकोव
इनसे पहिलेबोरिस येल्तसिन
इनके बाददिमित्री मेद्वेदेव
33वाँ आ 37वाँ परधानमंत्री
कार्यकाल
8 मई 2008 – 7 मई 2012
राष्ट्रपतिदिमित्री मेद्वेदेव
इनसे पहिलेविक्टर जुबकोव
इनके बाददिमित्री मेद्वेदेव
अन्य पद
पहिला डिप्टी, आल रसिया पीपल फ्रंट के नेता
युनियन स्टेट के मंत्रिमंडल के चेयरमैन
यूनाइटेड रूस के नेता
रूस के पहिला उपपरधानमंत्री
सिक्योरिटी काउंसिल के सेक्रेटरी
फेडरल सिक्योरिटी सर्विसेज के डाइरेक्टर
निजी जानकारी
जनमव्लादीमिर व्लादीमिरविच पुतिन
(1952-10-07) 7 अक्टूबर 1952 (उमिर 71)
लेनिनग्राद, रूसी एसएफएसआर, सोवियत यूनियन
(अब सेंट पीटर्सबर्ग, रूस)
राष्ट्रीयतारूसी
राजनीतिक पार्टीआल रसिया पीपल्स फ्रंट (2011–अबतक)
अन्य राजनीतिक
जुड़ाव
कम्युनिस्ट पार्टी (1975–91)
आवर-होम रसिया (1995–99)
यूनिटी (1999–2001)
निर्दल (1991–95; 2001–08; 2012–वर्तमान)
यूनाइटेड रसिया (2008–2012)
जीवनसाथी
ल्युदमिला पुतिना
(बि. 1983; तलाक 2014)
संतान2
निवासनोवो ओगार्योवो, मास्को, रूस
महतारी संस्थालेनिनग्राद विश्वविद्यालय
सम्मानOrder of Honor of the Russian Federation ऑर्डर ऑफ दि आनर
दस्खतव्लादिमीर पुतिन
वेबसाइटऑफिशियल वेबसाइट
Military service
Allegianceव्लादिमीर पुतिन Soviet Union
Service/branchकेजीबी
Years of service1975–1991
Rankव्लादिमीर पुतिन लेफ्टिनेंट कर्नल

सुरुआती जिनगी

पुतिन के जनम 7 अक्टूबर 1952 के सोवियत यूनियन के रूसी एसएफएसआर के लेनिनग्राद शहर में भइल (जेकरा के अब सेंट पीटर्सबर्ग के नाँव से जानल जाला)। इनके बाबूजी के नाँव व्लादिमिर स्पिरिदोनोविच पुतिन आ महतारी के नाँव मारिया इवानोवा पुतिन (बियाह से पहिले शेलोमोवा) रहल। इनके बाबा स्पिरिदोन पुतिन व्लादिमीर लेनिन आ जोसेफ़ स्टालिन के निजी रसोइया रहलें। पुतिन के जनम तिसरहा लइका के रूप में भइल जबकि इनके बड़ भाई विक्टर के निधन शिशु अवस्था में भ गइल रहल आ अलबर्ट के निधन बालपन में डिप्थीरिया से भ गइल रहे जवना समय दुसरे बिस्व जुद्ध में नाजी जर्मनी द्वारा लेनिनग्राद के घेराबंदी भइल रहे।

पुतिन के महतारी कारखाना में काम करे वाली औरत रहली आ इनके बाबूजी सोवियत नेवी में काम करें जहाँ 1930 के दशक के सुरुआत में ऊ पनडुब्बी बेड़ा के हिस्सा रहलें। दुसरे बिस्व जुद्ध के सुरुआती दौर में ऊ एनकेवीडी नाँव के बिध्वंसक बटालियन के हिस्सा रहलें। बाद में उनके रेगुलर आर्मी में ट्रांसफर हो गइल आ 1942 में उनके गम्हीर चोट आइल। एही दौरान 1941 में पुतिन के नानी के तवेर क्षेत्र के जर्मन कब्ज़ा के दौरान निधन भ गइल आ इनके मामा लोग दुसरे बिस्व जुद्ध में पूरबी मोर्चा पर चल रहल लड़ाई में गायब हो गइल लोग।

1 सितंबर 1960 में पुतिन के पढ़ाई घर के नगीचहीं बास्कोव लेन के 193 नं. इस्कूल में शुरू भइल। पुतिन इस्कूल के कुछे अइसन लगभग 45 गो बिद्यार्थी लोगन में से एक रहलें जे यंग पायोनियर ग्रुप के हिस्सा ना रहल लोग। 12 बरिस के उमिर में पुतिन मार्शल आर्ट के साम्बो आ जूडो सीखे के सुरुआत कइलें। अपना खाली समय में ऊ कार्ल मार्क्स, फ्रेडरिक एंगेल्स आ लेनिन के साहित्य पढ़ें। पुतिन सेंट पीटर्सबर्ग के हाई इस्कूल 281 में जर्मन भाषा पढ़लें आ दुसरी भाषा के रूप में जर्मन भाषी बन गइलें।

लेनिनग्राद स्टेट यूनिवर्सिटी (अब सेंट पीटर्सबर्ग स्टेट यूनिवर्सिटी) से पुतिन कानून के पढ़ाई कइलें आ 1975 में इहाँ से ग्रेजुएट भइलें। एहीजे ऊ सोवियत यूनियन कम्युनिस्ट पार्टी के सदस्य बनलें आ 1991 में एकरे अंत ले एकर सदस्य बनल रहलें। एहिजे पुतिन के मुलाकात अनातोली सोबचाक से भइल जे ओह समय बिजनेस कानून के असिस्टेंट प्रोफेसर रहलें; दुनों लोगन के एक दुसरे पर परभाव पड़ल।

संदर्भ

Tags:

Ru-Vladimir Vladimirovich Putin.oggचित्र:Ru-Vladimir Vladimirovich Putin.oggमदद:IPA for Russianरूसी भाषा

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

जनपदप्राकृतिक पर्यावरणश्रीदेवीमगध प्रमंडलधनगढीभाबरमनोरंजनजी चाहता हैमनी प्लांटवायुमंडलटेनिसभागीरथीभूटानसतुआननोटोकॉर्डकैलिफोर्नियागुट-निरपेक्ष आंदोलनताना भगत आंदोलनअमरावती जिलाविकिमीडिया फाउंडेशनसतावरकल्पना पटवारीपराग्वेबाणभट्टताराचिरईपुरुषार्थमुंबईगोंडवाना लैंडशिकागोशारदा नदीमांसपेशीलीचीमैथ्यू अर्नाल्डप्रादेशिक भूगोलकर्णाली प्रदेशनवंबरहिल स्टेशनअज़रबैजानआकासी बिजलीआम आदमी पार्टीगौतम बुद्धजामा मस्जिद, दिल्लीलोक संगीतमनुस्मृतिसाइबेरियामंगरभारत के बायोस्फियर रिजर्व सभ के लिस्टबनारस हिंदू विश्वविद्यालयडीओआईसत्यमेव जयतेभोजपुरी साहित्यमहादीपमन की आवाज-प्रतिज्ञापृथ्वी नारायण शाह1857 के बिद्रोहआईएसबीएनविकिपीडिया सभ के सूचीलार्ड कार्नवालिसवीडियो ऑन डिमांडलोकेशनबाघबैजंतीहुगली नदीहैदराबादसंगमरमरनाटोहिंदू पतराशेर शाह सूरीबिस्मिल्ला ख़ाँराजेंद्र प्रसाद🡆 More