पाण्डेय कपिल: भोजपुरी भाषा के साहित्यकार

पाण्डेय कपिलदेव नारायण सिन्हा (24 सितंबर 1930 — 2 नवंबर 2017), जिनका पाण्डेय कपिल नाँव से जानल जाला, भोजपुरी भाषा के एगो साहित्यकार रहलें। उनुका के भोजपुरी साहित्य के परसिद्ध रचना फुलसुंघी उपन्यास खाती आ भोजपुरी सम्मेलन पत्रिका के संपादक के रूप में जानल जाला। एकरा अलावे ऊ बिबिध बिधा सभ के रचना कइलें आ भोजपुरी साहित्य के समृद्ध बनावे में योगदान कइलें। पाण्डेय के भोजपुरी अकादमी पुरस्कार आ अउरी कई गो पुरस्कार मिलल रहलें।

पाण्डेय कपिल
पाण्डेय कपिल के जवानी के समय के तस्वीर
पाण्डेय कपिल के जवानी के समय के तस्वीर
जनमपाण्डेय कपिलदेव नारायण सिन्हा
(1930-09-30)सितंबर 30, 1930
निधननवंबर 2, 2017(2017-11-02) (उमिर 87)
पेशाअनुवादक, राजभाषा उपनिदेशक (राजभाषा बिभाग, बिहार सरकार)
भाषाभोजपुरी
महतारी संस्थाकाशी विश्वविद्यालय, बिहार विश्वविद्यालय
प्रमुख रचनाफुलसुंघी (उपन्यास)

जिनगी

पाण्डेय कपिल के जनम बिहार के सारन जिला के शीतलपुर (वाया बरेजा) गाँव में 24 सितंबर 1930 के भइल। उनुके बाबूजी पाण्डेय जगन्नाथ प्रसाद सिंह खुद भोजपुरी के लेखक रहलें आ महतारी लालचुन्नी देवी एगो कुशल शिल्पी रहली। पाण्डेय के पढ़ाई-लिखाई काशी विश्वविद्यालय (बीए), बिहार विश्वविद्यालय (एमए, हिंदी साहित्य) में भइल आ बिहार सरकार के राजभाषा बिभाग में अनुवादक के रूप में नोकरी शुरू कइलें आ ओहिजे से राजभाषा उपनिदेशक के रूप में रिटायर भइलें।

2 नवंबर 2017 के पाण्डेय के पटना स्थित आवास पर, लमहर बेमारी आ इलाज के बाद, निधन भ गइल।

रचना

मौलिक

पाण्डेय कपिल: जिनगी, रचना, संदर्भ 
फूलसुंघी के अंग्रेजी संस्करण के कभर पन्ना
  • आभास (हिंदी कविता संग्रह)
  • फूल और कलियाँ (लड़िकन खातिर हिंदी कविता संग्रह)
  • हीरे के टुक‌डे (बालोपयोगी हिंदी कविता संग्रह)
  • हवा और पानी (बालोपयोगी हिंदी कविता संग्रह)
  • नवीन सुबोध व्याकरण (हिंदी व्याकरण)
  • भोर हो गइल (भोजपुरी कविता संग्रह)
  • फुलसुंघी (भोजपुरी उपन्यास)
  • कह ना सकलीं (भोजपुरी गजल संग्रह)
  • जीभ बेचारी का कही (भोजपुरी दोहा संग्रह)
  • परिन्दा उड़ान पर (भोजपुरी गजल संग्रह)
  • दुनिया के शतरंज बिछल बा (कविता संग्रह)

अनुबाद

  • आरा में दो मास (जान जेम्स हाल्स लिखित ' दू मंथ्स इन आरा इन 1857 ' के हिंदी अनुवाद)

संपादित

  • नवांजलि (नौ गो युवा कवियन के हिंदी कविता संग्रह)
  • सारण्यक (सारन जिला के बारह वयोवृद्ध कवियन के हिंदी कविता के प्रतिनिधि संकलन)
  • आचार्य महेंद्र शास्त्री: कृतित्व एवँ व्यक्तित्व (आचार्य महेंद्र शास्त्री के कृतित्व आ व्यक्तित्व पर विविध लेखकन के 92 गो लेख के आउर महेंद्र शास्त्री के हिंदी आ भोजपुरी के 175 कवितन के संग्रह)
  • दसरतन (विविध लेखकन के लिखल दस गो व्यक्तिपरक निबंधन के संग्रह)
  • योग रामायण (योगी आत्माराम के लिखल योग-विवेचन)
  • एक मुठ्ठी लाई (लघुकथा -संकलन)
  • भोजपुरी कहानी हाल साल के (कहानी संकलन)
  • भोजपुरी सतसई (दोहा संकलन)
  • धार के खिलाफ (भोजपुरी गीत संकलन)
    पत्रिका
  • भोजपुरी सम्मेलन पत्रिका, अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन

संदर्भ

Tags:

पाण्डेय कपिल जिनगीपाण्डेय कपिल रचनापाण्डेय कपिल संदर्भपाण्डेय कपिल बाहरी कड़ीपाण्डेय कपिलभोजपुरीभोजपुरी साहित्य

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

बसंतपुर ब्लाक, सिवानमुट्ठीगंजमक्का (शहर)माधुरी दीक्षितभारतीय लोक संगीतमानव भूगोलबराबर गुफासभजामा मस्जिद, दिल्लीनमीरासायनिक तत्वन के लिस्टबाड़मेर जिलासउदी अरबसामा चकेवाजॉर्डनकार्बन मोनोऑक्साइडरजनीकांतउत्तर प्रदेश के नाचअंकोर वाटआदमीकलमहिंदी भाषाकीवअमरनाथ गुफा मंदिरअरवल जिलायूरोपियन यूनियनआसामइलाहाबाद के संधि1992अवधी भाषालाल किलासाम्यवादअंग्रेजीबीजिंगसिवान अनुमंडलमैक्सिकोनागपुर जिलाऑक्सीजनधनगढीमार्क ज़करबर्गसिंधु जल समझौताकलकत्ताईसा मसीह2 अप्रैलकैथीलखनिया दरीहवा प्रदूषणनिकोलो मैकियावेलीरामभद्राचार्यडोमशिवाजीलोकसभाबिब्लियोथिक नेशनाले डी फ्रांसपूनम पांडेहजारी प्रसाद द्विवेदीबाबा नागार्जुननेहा सिंह राठौरखंभात के खाड़ीमिशनरी पोजीशनरोहित शर्माबिहार कृषि विश्वविद्यालयवल्ड वाइड फंड फॉर नेचरभारतीय रिजर्व बैंकवेबैक मशीनहांगकांगकार्बनकिर्गिज़स्तानमादा जननांगअवधयोनीमगधधनबाद जिलायूट्यूबएन्साइक्लोपीडिया ब्रिटैनिका🡆 More