यूनाइटेड किंगडम यूरोपियन यूनियन सदस्यता रायशुमारी, 2016

यूनाइटेड किंगडम यूरोपियन यूनियन सदस्यता रायशुमारी (United Kingdom European Union membership referendum), जवना के यूनाइटेड किंगडम में ईयू रिफरेंडम के नाँव से भी जानल गइल, एगो गैर-बाध्यकारी रायशुमारी रहल जवन मंगलवार, 23 जून 2016 के यूके आ जिब्राल्टर में ई जाने खातिर भइल कि देस के केतना लोग यूरोपियन यूनियन में शामिल रहल जारी रखले के पक्ष में बाटे। एह रायशुमारी के रिजल्ट ईयू के छोड़ देवे के पक्ष में रहल, जवना खातिर 51.9% वोट मिलल आ 48.1% वोट ना छोड़े के पक्ष में रहल। वोट के परिणाम यूनाइटेड किंगडम के देसवन में बिभाजित रूप से रहल आ जहाँ इंग्लैंड आ वेल्स ईयू के छोड़े के पक्ष में मतदान कइलें ओहीजा स्कॉटलैंड आ उत्तरी आयरलैंड के लोग के बहुमत शामिल रहे के पक्ष में रहल।

यूनाइटेड किंगडम यूरोपियन यूनियन सदस्यता रायशुमारी
यूनाइटेड के यूरोपियन यूनियन के सदस्य रहे के चाहीं कि यूरोपियन यूनियन छोड़ देवे के चाहीं?
Locationयूनाइटेड किंगडम आ जिब्राल्टर
Date23 जून 2016
Results
Votes %
छोड़ल 17,410,742 51.89%
रहल 16,141,241 48.11%
Valid votes 33,551,983 99.92%
Invalid or blank votes 25,359 0.08%
Total votes 33,577,342 100.00%
Registered voters/turnout 46,501,241 72.21%
Results by वोट क्षेत्र
यूनाइटेड किंगडम यूरोपियन यूनियन सदस्यता रायशुमारी, 2016
  छोड़ल —   रहल
नक्सा पर, गहिरा रंग ढेर वोट के अंतर देखावत बाटे

1973 में ईईसी भा कॉमन मार्केट, जवन बाद में यूरोपियन यूनियन के नाँव से जान गइल, से जुड़े से पहिलहीं से ई बात यूनाइटेड किंगडम में बिबाद के बिसय रहल बाटे कि यूनाइटेड किंगडम के यूरोपीय यूनियन में शामिल होखे के चाहीं कि ना। ई पहिली रायशुमारी ना रहल बलुक एकरा पहिले 1975 में भी एक बेर एही मुद्दा पर रायशुमारी हो चुकल बाटे आ ओह समय 67 % वोटर लोग शामिल रहे के समर्थन कइले रहल।

प्रचारक आ तर्क

ब्रिटेन स्ट्रौंगर इन यूरोप नाँव के समूह शामिल रहे के पक्ष में प्रमुख चुनाव प्रचारक समूह रहल आ वोट लीव ईयू के छोड़ के अलग होखे के पक्ष में चुनाव प्राचार करे वाला ग्रुप रहल। एकरे अलावा कई राजनीतिक पार्टी, लेबर यूनियन, अखबार आ प्रभावशाली लोग पक्ष आ बिपक्ष में आपन सहमती जाहिर क चुकल रहल। जे लोग अलग होखे के पक्ष लेट रह ओह लोगन के ब्रेक्सिट (ब्रिटेनएक्जिट के मिला के) के नाँव से जानल जात रहल। ब्रेक्सिट लोग के तर्क ई रहल की ईयू में शामिल होखे से यूनाइटेड किंगडम के प्रभुसत्ता में कमी आवत बाटे। ओही जा शामिल रहले के वकालत करे वाला लोग के खनाम रहल की अइसन बड़ा संस्था के हिस्सा रहले से जवन फ़ायदा मिलत बाटे ऊ प्रभुसत्ता में अगर कौनों कमी भी आवत होखे तब के भरपाई कर देत बाटे आ ई ढेर फ़ायदा के चीज बाटे। छोड़ के अलग होखे के समर्थक लोग के तर्क रहल कि ईयू से अलग होख्ले के बाद यूनाइटेड किंगडम अपना इहाँ आवे वाला बाहरी प्रवासी लोग पर ढेर बढ़ियां से नियंत्रण रख पाई, आ एह से पब्लिक सर्विस, आवास सुबिधा आ नौकरी के अवसर पर दबाव में कमी होखी; एही के साथ ईयू के मेम्बरशिप के पइसा (कई मिलियन पाउंड) बची; यूनाइटेड किंगडम के आपन ब्यापार बानिज के समझौता खुद करे के अधिकार हो जाई; आ यूके के ईयू के बेमतलब के ब्यूरोक्रेसी से मुक्ति भी मिल जाई जवन बहुत महँगा पड़ रहल बाटे। जे लोग जुड़ल रहल चाहत रहल ऊ लोग के तर्क रहल कई ईयू के छोड़े के बाद यूके के संपन्नता में कमी आई; बिस्व परिदृश्य में यूके के महत्व कम होखी; कॉमन यूरोपियन अपराधी डेटाबेस के ना पहुँच होखे से राष्ट्रीय सुरक्षा के खतरा होखी; आ यूके आ ईयू के बीचे में ब्यापार-बानिज खातिर एक प्रकार के बाधा खड़ा हो जाई। बिसेस रूप से, एह लोग के तर्क रहल कई रोजगार में कमी आ नौकरी छूते जइसन समस्या पैदा होखी, निवेश में देरी होखी आ यूके के अर्थव्यवस्था के नोकसान होखी।

रिजल्ट के बाद

रिजल्ट के तुरंत बाद फाइनेंस के बाजार में नकारात्मक रुख लउकल: शेयर के दाम अचानक अभूत गीर गइले, पौंड स्टर्लिंग के मूल्य में में भी गिरावट दर्ज कइल गइल (5–10% निर्णय के एक्के घंटा में)। सत्ताधारी कंजर्वेटिव पार्टी के भीतर भी एह पर तानातानी देखे के मिलल आ परधानमंत्री डेविड कैमरन घोषणा कइलें कि उनुकर पक्ष हार गइल बा एही से ऊ इस्थीपा दे दिहें। स्कॉटलैंड के सरकार एह रायशुमारी के परिणाम के आवे के बाद स्कॉटलैंड के यूनाइटेड किंगडम के हिस्सा रहले पर रायशुमारी के संकेत दिहले रहल, ऊ इहो घोषणा कइलस कि स्कौटलैंड सरकार भबिस्य में ईयू के साथ जुड़ल रहे के बारे में ईयू से बातचीत करी।"

नोट


संदर्भ

बाहरी कड़ी

Tags:

यूनाइटेड किंगडम यूरोपियन यूनियन सदस्यता रायशुमारी, 2016 प्रचारक आ तर्कयूनाइटेड किंगडम यूरोपियन यूनियन सदस्यता रायशुमारी, 2016 रिजल्ट के बादयूनाइटेड किंगडम यूरोपियन यूनियन सदस्यता रायशुमारी, 2016 नोटयूनाइटेड किंगडम यूरोपियन यूनियन सदस्यता रायशुमारी, 2016 संदर्भयूनाइटेड किंगडम यूरोपियन यूनियन सदस्यता रायशुमारी, 2016 अउरी पढ़े खातिरयूनाइटेड किंगडम यूरोपियन यूनियन सदस्यता रायशुमारी, 2016 बाहरी कड़ीयूनाइटेड किंगडम यूरोपियन यूनियन सदस्यता रायशुमारी, 2016उत्तरी आयरलैंडब्रेक्जिटयूरोपियन यूनियनस्कॉटलैंड

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

पवन सिंहझारखंडनवंबरमरी (हिल स्टेशन)गंगा नदी बेसिनबाबा नागार्जुनदिलभूटानरामनाथ कोविंद26 अप्रैलअमेजन (कंपनी)नौतन ब्लाक, सिवानयूरोपियन यूनियनपोर्न फिलिमआस्ट्रेलियाआसारामरबींद्रनाथ टैगोरपबजीबेरोजगारीवल्ड वाइड फंड फॉर नेचरबराबर गुफासभइरफ़ान ख़ानपर्ल नदीममता बनर्जीसुर्खेत जिलालोकसभानदिया के पार (1982)लिंक्डइनचंडीगढ़बनारस हिंदू विश्वविद्यालययूनाइटेड अरब अमीरातभारत रत्नबेसनमैथ्यू अर्नाल्डमायाकियारा आडवानीमौसम आ जलवायुगंगा नदीशारदा नदीगुप्त साम्राज्यइंस्टाग्रामआलूजमीनखानवाडेनमार्कसंभोगट्विटरसचिन तेंदुलकरमहात्मा गाँधी सेतुस्पून्स सेक्स पोजीशनमुख्य पन्नाqhl4hइंडीगोमेहराबइस्लामी सुलेखबाणभट्टकैलेंडरभोजपुरी खानादक्कन पठारधमेक स्तूपमहाराणा प्रतापसदाबहारविष्णुपद मंदिरनेपाल के नगरपालिका सभ के लिस्टक्राइम पेट्रोलज्ञानकोशपेयतुंगभद्रा नदीबाबा धामपर्यावरण भूगोलस्तननेपालकलकत्तामलाइका अरोड़ा खानमैकेंजी नदीमाउंट एटना🡆 More