ब्रूस विलिस

वाल्टर ब्रूस विलिस (Walter Bruce Willis; जनम 19 मार्च 1955) एगो अमेरिकी एक्टर, प्रोड्यूसर, आ गायक बाड़ें। विलिस जर्मन महतारी आ अमेरिकी पिता के संतान हवें जिनके जनम जर्मनी में भइल आ 1957 में इनके परिवार अमेरिका आ गइल। इनके कैरियर के सुरुआत ऑफ़-ब्राडवे स्टेज से 1970 के दशक में सुरू भइल। एकरे बाद इनके पहिचान आ परसिद्धि मिलल एगो हिट धारावाहिक मूनलाइटिंग (1985–89) में मुख्य किरदार निभावे से। एकरे बाद ई कई गो फिलिम सभ में अइलें आ इनका के एगो एक्शन हीरो मानल जाला एकर कारन इनके डाइ हार्ड फ्रेंचाइज (1988–2013) में जॉन मक्क्लेन के रोल आ अउरी कई फिलिम सभ में अइसने रोल कइल मानल जा सके ला।

ब्रूस विलिस
ब्रूस विलिस
2018 में विलिस
जनमवाल्टर ब्रूस विलिस
(1955-03-19) मार्च 19, 1955 (उमिर 69)
Idar-Oberstein, Rhineland-Palatinate, पच्छिमी जर्मनी
निवासलॉस एंजेलिस
राष्ट्रीयताअमेरिकी
महतारी संस्थामोंटक्लेयर स्टेट युनिवर्सिटी
पेशाएक्टर, प्रोड्यूसर, सिंगर
सक्रियता साल1979–अबतक
मूल शहरपेन ग्रूव्ज, न्यू जर्सी, अमेरिका
जीवनसाथी
डेमी मूर
(बि. 1987; तला. 2000)

एमा हेमिंग
(बि. 2009)
संतान5 जेह में रुमर विलिस सामिल बाड़ें

इनके एक्टिंग वाली अउरी फिलिम सभ में डेथ बिकम्स हर (1992), पल्प फिक्शन (1994), 12 मंकीज (1995), दि फिफ्थ एलिमेंट (1997), आर्मागेडॉन (1998), दि सिक्स्थ सेन्स (1999), अनब्रेकेबल (2000), सिन सिटी (2005), रेड (2010), मूनराइज किंगडम, दि ऍक्सपैंडेबल्स 2, आ लूपर (2012) बाड़ी सऽ। ब्राडवे में ई माइजरी नाँव के उपन्यास के एडाप्टेशन से आपन शुरूआत कइलें।

एगो संगीतकार के रूप में, दि रिटर्न ऑफ़ ब्रूनो नाँव के एल्बम, 1987 में रिलीज कइलें। एकरे बाद से ई दू गो अउरी सोलो एल्बम 1989 आ 2001 में निकाल चुकल बाड़ें।

विलिस के कई गो पुरस्कार आ सम्मान मिलल बाने जेह में से प्रमुख बाड़ें: गोल्डन ग्लोब अवार्ड, दू गो प्राइमटाइम एमी एवार्ड, आ दू गो पीपल्स च्वाइस अवार्ड। साल 2006 में ई हॉलीवुड वाक ऑफ़ फेम में एगो स्टार रिसीव कइने।

इहो देखल जाय

  • डाइ हार्ड (फ्रेंचाइज)

संदर्भ

Tags:

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

महात्मा गाँधीबर्लिनभागीरथीझंडाउत्तर प्रदेश के मंडल सभ के लिस्टलार्ड कार्नवालिसमार्क ज़करबर्गकुसुमी जंगलतेजपुरइलाम, नेपालमदर टेरेसाहवा प्रदूषणअरवल जिलाबुध (ग्रह)आग का दरियाजन गण मनगजपुरनाकमल हासनबिहार के भूगोलनाटोस्वीडनमोहनजोदड़ोचीनी भाषाकृष्णभूलेखजहाँगीरराजेंद्र प्रसादपंकज त्रिपाठीसंभोगबाघसिवानकर्क रेखापहाड़ीकलिंग युद्धभैरो बाबासंस्कृतिदिल्ली चिड़ियाघरस्टीफन हॉकिंगभारतीय संविधान के आमुखप्रयाग प्रशस्तिशिवरंजनीमहाराजगंज, बिहारनाथबाबा मंदिरअज्ञेयरबींद्रनाथ टैगोरपबजीनवका यमुना पुलहिंदी भाषाग्रहवाट्सएपफिजीचीनीनीलम गिरीलेसे-फेयरसैम मानेकशॉकंगना राणावतअंगूरदुसरा बिस्व जुद्धइस्लामी सुलेखजॉन अब्राहम (अभिनेता)आजमगढ़ मंडलगोरखपुर जिलारोमनेस्क कलाआदित्यनाथऔरतऑपरेटिंग सिस्टमगाजियाबाद जिलालोकसभारावणसचिन तेंदुलकरकैमूर श्रेणीज्याँ द्रेजसई नदीभोजपुरी लोकगीतट्रिपल एक्स (फिलिम सिरीज)कोलोसियमफ्लिपकार्ट🡆 More