Sm7

हटावे लायक   • लेख हचर्चा  • रोक समीक्षा  • विलय अनुरोध  • मदद अनुरोध  • मदद अनुरोध (प्रबंधक) 

Joined 19 नवंबर 2012
प्रबंधक डैशबोर्ड

प्रयोगकर्ता जानकारी
Sm7ई प्रयोगकर्ता भोजपुरी विकिपीडिया पर
प्रबंधक बाड़ें। (जांचीं)
Indiaई प्रयोगकर्ता
विकिप्रोजेक्ट भारत के सदस्य बाड़ें।
Sm7ई प्रयोगकर्ता विकिप्रोजेक्ट आधार लेख छँटाई के सदस्य बाड़ें।
Sm7 ई सदस्य विकिपीडिया पर

11 बरिस, 5 महीना

9 दिन से बाड़ें।
बैबेल प्रयोगकर्ता जानकारी
bho-N एह प्रयोगकर्ता के भोजपुरी भाषा के महतारी भाषा के रूप में ज्ञान बा।
hi-4 इस सदस्य को हिन्दी का लगभग मातृभाषा स्तर का ज्ञान है।
en-2 This user has intermediate knowledge of English.
sa-2 एषः सदस्यः माध्यमिक-संस्कृतेन लेखितुं शक्नोति ।
mai-1 ई प्रयोक्ताकेँ मैथिलीप्राथमिक ज्ञान अछि।
ur-1 یہ صارف اردو کا بنیادی علم رکھتا ہے۔
भाषा अनुसार प्रयोगकर्ता
Sm7

नमस्कार !

हमार नाँव SM7 बा आ हम नवंबर 2012 से विकिपीडिया पर बानी। इहाँ हम भोजपुरी, हिंदी अउरी अंग्रेजी में लेख लिखके योगदान करत बानी।

भोजपुरी विकिपीडिया पर हम लगभग हर बिसय से जुड़ल लेख बनावे में काम कइलें बानी। जब हम इहाँ सदस्य के रूप में आपन खाता खोललीं ओह समय इहाँ कुल लेख संख्या 2,500 के आसपास रहल। एही से हमार इहाँ ढेर योगदान आधार लेख बनावे में रहल बा जेवना से कि लेख के संख्या में बढ़ती होखे। अइसन लेख बहुत छोट बाने आ ओह शीर्षक पर लेख के बिस्तार करे खातिर आधार के काम करिहें आ हमके ई पूरा उमीद बा की जब इहाँ सदस्य लोगन के संख्या बढ़ी त अइसन लेखवन में बहुत सुधार होई। एकरी अलावा हम खुद भी अब लेखवन के बिस्तार दे के बढ़ावे की ओर ढेर धियान दिहल चाहत बानी। साथे-साथ आधार लेख भी बनावत रहब।

हमार सबसे ढेर पसंदीदा बिसय भूगोलपर्यावरण से जुड़ल चीज होला। बाकी अउरी तमाम तरह की बिसय सभ पर भी लेख बनवले बानी आ आगे भी ई काम चालू रही।

हमार इहे इच्छा बा की भोजपुरी विकिपीडिया में खूब बढ़न्ती होखे आ ज्यादा से ज्यादा लोग इहाँ आ के आपन योगदान करे।


Sm7

    हमार विकि इतिहास

हम खाता भले बहुत पहिले बना लिहले रहलीं बाकी शुरू-शुरू में कौनो बहुत ढेर संपादन ना करीं आ बहुत सक्रिय सदस्य ना रहलीं। हमरा के बहुत कुछ चीज समझ में भी ना आवे की कइसे कइल जाय। समस्या ई रहे की के से पूछल जाय? इहाँ भोजपुरी विकि पर सदस्य लोगन के एकदम्मे अभाव रहे आ कई-कई दिन बीत जाय केहू भोजपुरी भाषा के आदमी इहाँ संपादन न करे। बस कुछ ऑटोमेटिक होखे वाला संपादन आ कुछ स्टीवर्ड लोग के संपादन जे उत्पात हटावे। ओह समय इहाँ कुल लेखवन के गिनती लगभग 2,500 से कुछ अधिक रहल होई। हमार बनावल पहिला लेख पर्यावरण पर रहे। एकरी बाद पृथ्वी, भोजपुरी लोकगीत का अइसने कई बिसय पर लेख बनावे शुरू कइलीं। बाकी कबो लगातार सक्रिय न रहलीं।

अप्रैल 2014 में हम इहाँ एगो लेख बनावे शुरू कइलीं सारनाथ की बारे में। एही की बाद से हमार इहाँ सक्रियता बढ़े शुरू भइल। एही समय हम हिंदी विकिपीडिया से जुड़ गइलीं आ उहाँ भी कुछ हाथ अजमावे शुरू कइलीं। वजह ई रहे कि उहाँ भी सारनाथ वाला लेख त ठीक-ठाक रहे बाकी कुशीनगर पर बनल लेख में कुछ सुधार के गुंजाइश बुझाइल। एकरी बाद हम हिंदी विकि पर भूगोल से जुड़ल लेख बनावे आ सुधारे लगलीं। ओहीजा से हमके बहुत कुछ सीखे के मिलल काहें से की उहाँ सक्रिय सदस्य लोगन से पूछ के सीखल जा सकत रहे।

एकरी बाद से हम इहाँ धीरे-धीरे लगातार रोज कुछ न कुछ संपादन करे शुरू कइलीं आ इहाँ रेगुलर आ सक्रिय सदस्य बन गइलीं। बाकी तबो हम सीखत घरी बहुत सारा अइसन पन्ना बना दीं जेवना में कौनों के नावें गलत रखा जाव त कबो कुछ अउरी गलती हो जाव। केहू प्रबंधक न रहले कई कारन इन्हन के मेटावे के कौनो तरीका न रहे। फिर एक दिन हम प्रबंधक बने के तरीका खोजत खोजत मेटा पर आपन नामांकन कइ दिहलीं आ हमके तीन महीना खातिर टेम्परेरी अधिकार भी मिल गइल। अकेले पन्ना बनावत बिगाड़त इहाँ हमार संपादन चालू रहे। अचानक एक दिन इहाँ हमसे ढेर पुरान प्रयोगकर्ता नेपाब्वाय (Nepaboy) जी फिर से सक्रिय भइलें। ओ समय हमनी के इहाँ टेम्पलेट के जरूरत महसूस भइल काहें की ओह समय इहाँ ज्ञानसंदूक वाली टेम्पलेट में कुछ खराबी रहे। नेपाब्वाय जी हिंदी विकि कई प्रबंधक संजीव जी से मदद करे के आगरह कइलें आ एकरी बाद संजीव जी की बतवले अनुसार हम ई सब सुधार करे लगलीं काहें की बहुत सारा संपादन खाली प्रबंधके कइ सकत रहे लोग आ ततकाल में हम अकेले सक्रिय प्रबधंक रहलीं।

एकरी बाद त संजीव जी की मदद से इहाँ नया-नया चीज के अस्थापना आ पुराना बहुत सारा चीजन में सुधार के रस्ते खुल गइल। हम दुबारा प्रबंधक के टेम्परेरी अधिकार लिहलीं जवन छह महीना बदे मिलल। एह समय में हम इहाँ पहिली बेर हॉट-कैट के अस्थापना करे में सफल भइलीं जेवना में कदम-कदम पर संजीव जी एकहक गो स्टेप बता के हमार मदद कइलें। फिर हम ट्विंकल के अस्थापना करे के खुद से कोशिस कइलीं बाकी सफलता ना मिलल। संजीव जी कहलें की आप खुद से धीरे धीरे सीख लेइब। उनके बात ठीक निकलल हम हम बाद में जोड़-तोड़ कइ के आ जब एकदम समझ न आवे तब संजीव जी से पूछ के ई सब काम करे लगलीं।

वर्तमान समय में हमके इहाँ स्थाई प्रबंधक बानी आ हमार इहे बिचार बा की जेवन हमसे एह विकि खातिर हो सके आ हम जेतना समय निकाल पाईं इहाँ आपन योगदान चालू राखब।

आशा इहे बा की इहाँ भी अधिक-से-अधिक लोग जुड़ी आ इहाँ भी तेजी से काम होखे शुरू होई। अगर आप नया सदस्य बानी आ हमारा से कौनों भी प्रकार के मदद चाहत बानी त हमसे हमरा बातचीत पन्ना पर संदेस लिखीं। हम हर तरह से मदद करे के पूरा कोसिस करब। राउर बहुत स्वागत बाटे। आशा बा कि विकिपीडिया से जुड़े में आपके आनंद आई।

Sm7ई बहुते सहज बा!:
 • तटस्थ हो के सोचीं
 • बेकूफ मत बनीं
 • नियम से ऊपर उठ के सोचीं
हमार बातचीत पन्नाचौपालमददविकिपीडिया:प्रबंधक

Tags:

श्रेणी:तुरंत हटावे लायक पन्नाश्रेणी:रोक हटावे खातिर अनुरोधश्रेणी:विकिपीडियन जे लोग के प्रबंधक से मदद चाहत बाश्रेणी:विकिपीडियन जे लोग के मदद चाहत बाश्रेणी:विलय खातिर नामांकित लेखश्रेणी:हटावे खातिर लेख

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

नीलम गिरीसंगमखटियाबरफहनुमानईलॉन मस्कपूर्वांचल एक्सप्रेसवेअंटार्कटिकाताना भगत आंदोलनसमाजजामा मस्जिद, दिल्लीदिभारत के भूगोलरजनीकांतअनुकूलतम जनसंख्याकनाडाकियारा आडवानीमादा जननांगबनारससोन नदीरजनीशबियफेभोजपुरी संस्कृतिफागुननाटो के सदस्य देशगोवासिंधु जल समझौतालखनिया दरीकालीकोट जिलाविकिपीडियाचट्टानजानवरइंडीगोकृष्णदेव उपाध्यायकैलिफोर्नियाअल्जीरियाढोढ़ीबारहखड़ीक्विकरराजघाट पुलराजधानीजञनीकाला सागरताप्तीस्पेनमंगल ग्रहसेंट पीटर्सबर्गसंगमरमरनाइजीरियारैडिसन ब्लूअमेजन नदीबनारस कैंट रेलवे स्टेशनगुलाबी सदाबहाररसड़ाहवा क्वालिटी इंडेक्समहाराजगंज, बिहारभारत के नेशनल पार्क सभ के लिस्टछोटा भीमस्लमडॉग मिलियनायरमिस्रऊटीवेबसाइटकृष्णा सोबतीअलेक्जेंडर कनिंघमलाओसऑक्सीजनकंगना राणावतराजेंद्र प्रसादपर्यावरण भूगोलमुख्य पन्नाफिजी🡆 More