प्रबंधक

प्रबंधक (अंग्रेज़ी: Administrators) जिन्हन लोगन के एड्मिन चाहे सिस्ऑप (सिस्टम चलावे वाला) भी कहल जाला, विकिपीडिया पर अइसन सम्पादक सदस्य लोग हवे जिन्हन लोगन के विकिपीडिया सिस्टम क कुछ बहुत महत्व वाला आ बेइजाजत औज़ार चाहे बिसेस आदेश के इस्तेमाल कइले क अनुमति होला। उदाहरण खातिर प्रबंधक लोग कौनों पन्ना के मेटा सकत बाटे चाहे दोसरा केहू प्रयोगकर्ता के संपादन कइल से रोक सकत बा या फिर कौनों लेख क सुरक्षा स्तर बदल सकत बाटे।

प्रबंधक
ध्यान देईं की प्रबन्धक क निशान एगो झाडू हवे। मने कि ई लोग विकिपीडिया पर साफ़-सफाई क काम करे वाला हवे आ कौनों बिसेस व्यक्ति ना हवे। एकर इहो मतलब बा कि ई पद कौनों शोभा भर क चीज ना हवे बलुक सेवा भाव से काम करे खातिर हवे।

प्रबंधक पुरा तौर पर स्वयंसेवक या वालंटियर होला लोग आ विकिमीडिया संस्था क कर्मचारी ना होला लोग। एही से उनहन लोगन के अपनी अधिकार क प्रयोग करे खातिर मजबूर नइखे कइल जा सकत आ एह अधिकारन क प्रयोग ऊ लोग अपनी इच्छा से (जरूरत की अनुसार) करेला, साथे-साथ ऊ लोग अइसन अधिकारन क प्रयोग कौनों अइसन मामिला में नइखे कर सकत जहाँ ऊ लोग खुदे विवाद क हिस्सा होखे।

भोजपुरी विकिपीडिया पर आजकाल 2 गो प्रबन्धक बा लोग।

कौनो बहुत बड़ बात नइखे

विकिपीडिया की शुरूआती दिनन में हर सदस्ये एगो सिंगल गुप्तशब्द (पासवर्ड) क इस्तेमाल कइ के प्रबंधक की रुप में काम करे। ई पासवर्ड स्वतंत्र रूप से सौंप दिहल जात रहे। विकिपीडिया क आजकाल क ब्यवस्था नया एड्मिनशिप कोड संशोधन क नतीजा हवे जेवन सिंगल पासवर्ड की उपयोग से ई काम करे की जगह पर पुरा प्रासेस के भूमिका-आधारित पहुँच कंट्रोल (अंग्रेजी:role-based access control (RBAC)) कई दिहलस। एह नवकी कार्यप्रणालीमें व्यक्तिगत खातवे के कुछ इस्पेसल जरूरतन के पूरा के बिधा एगो या एगो से अधिका फ्लैग दिया जाला, जेवन ओह खाताधारक के समान्य सम्पादक लोगन से अलग कुछ अउरी औजारन क उपयोग करे क सुबिधान कइ देला।

इस परिवर्तनकाल के दौरान इस बात पर बल दिया गया था कि प्रबंधकों को एक विशेष उपसमूह में कभी नहीं विकसित करना चाहिए। बल्कि, प्रबंधकों को अन्य संपादकों की तरह समुदाय का एक हिस्सा होना चाहिए, इसके साथ ही जब ये संपादक के रूप में कार्य करें तो इन्हें कोई विशेष शक्तियाँ या विशेषाधिकार नहीं मिलने चाहिए। सदैव यह माना गया है कि प्रबन्धक समाज का कोई विशेष भाग न होकर उसी का सदस्य है। देखा जाये तो विकिपीडिया के अधिकतर प्रबन्धन के कार्य कोई भी कर सकता है, जिनके लिए किसी विशिष्ट तकनीकी उपकरणों की आवश्यकता नहीं होती जो प्रबंधकों को दिए गए हैं।

विकिपीडिया के संस्थापक जिमी वेल्स की अनुसार:

हम ई कहल चाहत बानी कि सिस्-ओप बनल *कौनों बहुत बड़ बात नइखे*।

हमार ई मानल बा कि हम ओह लोगन के ई अधिकार देइब जे कुछ समय से इहाँ सक्रिय बा। हम प्रबंधक शब्द की हउवा के खतम कइल चाहत बानी। ई त खाली तकनीकी बात बा कि केहू के इहाँ के कुछ मुख्य तकनीकी काम करे खातिर चुनल गइल, सब लोगन के ना।

हम नइखीं चाहत की केहू ई सोचे की प्रबंधक के पद कौनों बिसेस तमगा हवे।

कहले के मतलब ई की प्रबंधक के कुछ ख़ास तकनीकी काम करे के जिम्मेवारी दिहल गइल बा जेवना से विकिपीडिया के बढ़ोत्तरी होखे आ सभ काम काज ठीक से चलत रहे।

प्रबन्धक लोगन के सूची

प्रबंधकन की सूची खातिर प्रबंधक सूची देखल जाय।

ई लिस्ट भोजपुरी विकिपीडिया पर हाल की दिनन में सक्रिय रहे वाला प्रबन्धक लोगन क सूची हवे। कौनों परकार क मदद आ सहायता खातिर सदस्य लोग इन्हन लोगन से संपर्क कइ सकत बा। केहू भी प्रबन्धक जब सक्रिय होखे तब एह सूची में आपन नाँव जोड़ दे।

प्रबंधक अधिकार खातिर निवेदन

प्रबन्धक के पद खातिर आपन निवेदन इहँवा कइल जाय सकत बाटे। प्रबन्धक पद के नियम आ जिम्मेवारी खातिर विकिपीडिया:प्रबंधक नियम अउरी जिम्मेवारी देखल जा सकत बाटे। प्रबंधक लोगन के अधिकार देखे बदे विशेष:ListGroupRights देखल जाय।

प्रबंधक सूचानापट

धियान रखीं की ऊपर बतावल प्रबंधक सूचानापट प्रबंधकीय कामकाज खातिर बा आ इहाँ अइसने सनेसा आ अनुरोध करीं जेवना में प्रबंधक के धियान देवे लायक बात होखे।

संदर्भ

Tags:

प्रबंधक प्रबन्धक लोगन के सूचीप्रबंधक अधिकार खातिर निवेदनप्रबंधक सूचानापटप्रबंधक संदर्भप्रबंधक

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

अरावलीबराबर गुफासभतिरहुत प्रमंडलअक्षांशबिहार के प्रमंडल सभ के लिस्टआयरलैंड रिपब्लिकमहाभियोगहवा क्वालिटी इंडेक्सब्रह्माप्रियंका गांधीजगन्नाथ मंदिर, पुरीभारतीय जनता पार्टीफूलन देवीराजघाट पुलशिवरैदासभंटाअल्बर्ट आइंस्टीनजायसीगोवाकलकत्ताअनुष्का शर्माश्रीदेवीसहस्त्रबाहुमाधुरी दीक्षितनेनुआझारखंडअल्जीरियाअंग्रेजीवियतनामअक्षय कुमारभोजपुरीविकिमीडिया फाउंडेशनमिया खलीफाबांग्लादेशयूरेथ्राझरनाअमरनाथ गुफा मंदिरसत्यमेव जयतेकंप्यूटरकोलोसियमविटामिनहिमाचल प्रदेशबिहारवीरेन्द्रनगरमहावीर जयंतीमादा जननांगरसगुल्लाजन गण मनगिरिडीह जिलानाटोकेसरिया रंगसुंदरलाल बहुगुणाइंडस्ट्रीभरत शर्माकंपनी बागलाओसनीतीश कुमारभारतीय नेवीगुरुद्वारा शीशगंज साहिबमहुआ टीवीचायसैफ अली खानमेहराबविद्यापतिउर्दूदवाईलद्दाखज्योतिकाबाबा नागार्जुनरानी चटर्जीहिंदी पट्टीई मेल🡆 More