आकासी बिजली

आकासी बिजली (अंग्रेजी: Lightning, लाइटनिंग) अचानक आ तेजी से होखे वाला इलेक्ट्रोस्टेटिक डिस्चार्ज हवे जे आकास (वायुमंडल) के एक हिस्सा से दुसरे हिस्सा ले चाहे वायुमंडल में मौजूद बादर से जमीन तक ले होखे ला। आमतौर पर ई बरखा वाला कपासी बादर सभ के साथे जुड़ल घटना हवे आ झंझावात (तूफान) के समय होखे ला।

आकाशीय बिजली
एगो झंझावात के दौरान बादर से जमीन तक गिरे वाली आकासी बिजली।

जब बादर में बर्फ के कण सभ ऊपर उठत घरी, लगभग जमल पानी (ग्रुपल) से टकरालें, उनहन में धनात्मक चार्ज आ जाला। इहे पाजिटिव चार्ज जब अचानक तेजी के साथे रिलीज होखे ला तब आकास में चमक भा चमकदार लकीर देखलाई पड़े ले जेकरा के आकासी बिजली कहल जाला। बहुधा एकरे साथे बादर के गरजले के घटना भी होखे ले; मने कि एह डिस्चार्ज के समय होखे वाला तेज आवाज।

कुछ आम चीज

टिपिकल बादर-से-जमीन वाली आकाशीय बिजली के चमक (फ्लैश) अपना चरम पर तब चहुँपे ला जब बिजली के बहाव करे वाला प्लाज्मा चैनल के निर्माण होला; ई प्लाज्मा चैनल बादर के भीतर आ ओकरे बाद जमीन तक ले 5 किमी (3.1 मील) से बेसी ऊँचाई वाला होला। अंतिम स्टेज में बिजली के डिस्चार्ज होखल एगो बहुते जटिल प्रक्रिया होखे ले। अपना चरम के दसा में, एगो टिपिकल झंझावत (थंडरस्टार्म) जमीन पर हर मिनट लगभग तीन या बेसी "वार" करे ला। आकासी बिजुरी पैदा तब होखे ले गरम हवा के राशि ठंढा हवा के राशि में मिक्स होखे ले, हालाँकि, अइसन घटना धूर के तूफ़ान, जंगल के आगि, ज्वालामुखी फाटे वगैरह के साथे भी हो सके ला। हरीकेन (उष्णकटिबंधी चक्रवात) सभ में बिजली के टिपिकल उत्पत्ति के अस्थान बरखा वाला इलाका होला जे इनहन के सेंटर के चारों ओर 160 किमी (99 मील) के दूरी पर होला।

आकासी बिजली के अध्ययन करे वाला बिज्ञान के फुलमिनोलॉजी (fulminology) कहल जाला आ आकाशी बिजली से डेराइल एस्ट्राफोबिया (astraphobia) कहाला।

संदर्भ

Tags:

अंग्रेजीवायुमंडल

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

क्राइम पेट्रोलमिशनरी पोजीशनअजीत डोभालसोनम कपूरओजोनगंगा जमुना सरस्वतीभोजपुरी संस्कृतिहिमाचल प्रदेशबबीना, उत्तर प्रदेशरजनीशआदमीकलकत्ता विश्वविद्यालययमनमनोहर लाल खट्टरआमिर खानदलितगुलाबी सदाबहारगोवाकिली पॉलगोरखपुर विश्वविद्यालयपोर्न फिलिमदीया और बाती हमनिर्मलीबिहार के भूगोलचौसा आमचट्टानभोजपुरी विकिपीडियासमुंद्र बिज्ञानलूसिफ़र (टीवी सीरीज)बाड़मेर जिलाहिल स्टेशनपबजीइंटरनेटमेघागंगा नदी बेसिनसुर्खेत जिलासावनखारा पानीमैरवाअंजना सिंहनोटोकॉर्डअवधी भाषाजानकारीविष्णुकृति सैननगंगा नदीसट्टाबनारस हिंदू विश्वविद्यालयमास्कोपोर्नोग्राफीकजरीदिल्लीभारतीय जनता पार्टीयोगब्राज़ीलइंदिरा गाँधीतुर्कीइलाहाबाद के संधिमहावीर जयंतीममता बनर्जीभागीरथीएक्सएनएक्सएक्सजीएसएलवीभिखारी ठाकुरअकबरमिकी माउसशिवइत् संज्ञाबड़हरिया (सामुदायिक विकास खंड)लार्ड कार्नवालिस🡆 More