बटोहिया

बटोहिया (𑂥𑂗𑂷𑂯𑂱𑂨𑂰) चाहे सुंदर सुभूमी रघुवीर नारायण के लिखल एगो भोजपुरी पूरबी गीत बाटे।हेकरा 1911 मे लिखल गइल रहे आ ई बहुत परसिद्ध भइल। 1920 मे जार्ज ग्रियर्सन एह गीत के रेकार्ड कइले रहन। ढेर लोग हेकरा भोजपुरी के वंदे मातरम् कहेला। ई गीत पहिलका बेरा राघुवीर पत्र पुष्प नांव के किताब मे छपल रहे।

बटोहिया 
by रघुवीर नारायण
Original title𑂥𑂗𑂷𑂯𑂱𑂨𑂰
Written1911
First published inराघुवीर पत्र पुष्प
Languageभोजपुरी

एह गीत एगो गिरमिटिया मजुर एगो बटोही के भारत दिया बतावत बा, आ भारत के मने पारऽता।

नांव

बटोहिया सबद के मूल सबद बांट हटे जेकरा प्रयाय बा राहअंग्रेजी मे हेकरा वे चाहे पाथ कहल जाला। जे बांट प चलेला सेके बटोहि कहल जाला आ ई भोजपुरी के इया प्रत्यय से लाग के बटोहिया बनि जाला।

बोल

पहिलका दु अंतरा नीचे दिहले बा:

कैथी देवनागरी IAST transliteration

𑂮𑂳𑂁𑂠𑂩 𑂮𑂳𑂦𑂳𑂧𑂱 𑂦𑂆𑂨𑂰 𑂦𑂰𑂩𑂞 𑂍𑂵 𑂠𑂵𑂮𑂫𑂰 𑂮𑂵

𑂧𑂷𑂩𑂵 𑂣𑂹𑂩𑂰𑂢 𑂥𑂮𑂵 𑂯𑂱𑂧 𑂎𑂷𑂯 𑂩𑂵 𑂥𑂗𑂷𑂯𑂱𑂨𑂰

𑂉𑂍 𑂠𑂹𑂫𑂰𑂱𑂩 𑂐𑂵𑂩𑂵 𑂩𑂰𑂧𑂰 𑂯𑂱𑂧 𑂍𑂷𑂞𑂫𑂪𑂫𑂰 𑂮𑂵

𑂞𑂲𑂢 𑂠𑂹𑂫𑂰𑂱𑂩 𑂮𑂱𑂁𑂡𑂳 𑂐𑂯𑂩𑂰𑂫𑂵 𑂩𑂵 𑂥𑂗𑂷𑂯𑂱𑂨𑂰

𑂔𑂰𑂈 𑂔𑂰𑂈 𑂦𑂆𑂨𑂰 𑂥𑂗𑂷𑂯𑂲 𑂯𑂱𑂢𑂹𑂠 𑂠𑂵𑂎𑂱 𑂄𑂈

𑂔𑂯𑂫𑂰𑂀 𑂍𑂳𑂯𑂳𑂍𑂲 𑂍𑂷𑂆𑂪𑂲 𑂏𑂰𑂫𑂵 𑂩𑂵 𑂥𑂗𑂷𑂯𑂱𑂨𑂰

𑂣𑂫𑂢 𑂮𑂳𑂏𑂁𑂡 𑂧𑂁𑂠 𑂃𑂏𑂩 𑂒𑂁𑂠𑂢𑂫𑂰 𑂮𑂵

𑂍𑂧𑂰𑂢𑂲 𑂥𑂱𑂩𑂯 𑂩𑂰𑂏 𑂏𑂰𑂫𑂵 𑂩𑂵 𑂥𑂗𑂷𑂯𑂱𑂨𑂰

सुंदर सुभूमि भैया भारत के देसवा से

मोरे प्राण बसे हिम-खोह रे बटोहिया

एक द्वार घेरे रामा हिम-कोतवलवा से

तीन द्वार सिंधु घहरावे रे बटोहिया

जाऊ-जाऊ भैया रे बटोही हिंद देखी आउ

जहवां कुहुकी कोइली गावे रे बटोहिया

पवन सुगंध मंद अगर चंदनवां से

कामिनी बिरह-राग गावे रे बटोहिया

suṃdar subhumi bhaiyā bhārat ke deswā se
more prān base him khoh re baṭohiyā
eka dwāra ghere rāmā him kotwalwā se
tīn dwāra sindhu ghaharāwe re baṭohiyā
mātaram
vande mātaram

jau jau bhaiya baṭohī hiṃd dekhi aau
jahawā kuhukī koilī gāwe re baṭohīyā
pawana sugaṃdh maṃd agara caṃdanawā se
kāminī biraha rāg gāwe re baṭohiya

(Bhojpuri)

सनर्भ

Tags:

जार्ज ग्रियर्सनभोजपुरीरघुवीर नारायणवंदे मातरम्

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

समासप्रयाग प्रशस्तिहुगली नदीढाकाभूगोल के रूपरेखाईसाई धर्महावड़ा ब्रिजतुंगभद्रा नदीसंत रविदास नगर जिलाभोजपुरी साहित्यभारत के अर्थब्यवस्थालंदनस्टीफन हॉकिंगशिवप्रोटीनमहात्मा गाँधीमैंडारिन बत्तखजर्मनीए. पी. जे. अब्दुल कलामगुलाबी सदाबहारकजाकिस्तानइटलीडॉगी स्टाइलअंतरा बिस्वासफिनलैंडबिहार दिवसवाट्सएपगुरुद्वारा शीशगंज साहिबग्लोबल वॉर्मिंगयूरोपियन यूनियनदामोदर नदीधरती के इतिहासगाँड़सीस्मी स्ट्रीटराजस्थानधम्मेक स्तूपरायचूर जिलाबराबर गुफासभपोलैंडयातायातस्तनप्रदेश संख्या 7मिठाईमाल्टासरसोनिर्मला सीतारमनआलिया भट्टमीथेन1973योगमाया मंदिररसड़ाकांगो नदीबिहार के अनुमंडल सभकंचनजंघाअमरकंटकअताउल्लाह ख़ानकैमूर जिलादिल्ली चिड़ियाघरजामा मस्जिद, दिल्लीमनी प्लांटबेलफास्टमगधरामभद्राचार्यपवन सिंहभाबरयूनाइटेड किंगडमनोटोकॉर्डचंडीगढ़पड़रौनाकार्बनइंडस्ट्रीअज्ञेयलखनिया दरीचीनगाँव🡆 More