फॉन

फॉन (अंग्रेजी: foehn चाहे föhn, उच्चारण: फ'न) एक किसिम के सूखल, गरम आ कौनों पहाड़ के श्रेणी के ली-वर्ड साइड (जेहर हवा उतरे ले) वाला ढाल से उतरे वाली लोकल हवा हवे। ई इलाका बरखा छाया-क्षेत्र होखे ला आ हवा नीचे उतरे पर एडियाबेटिक प्रासेस से गरम होखे ले, एकर अधिकतर नमी पहाड़ के दुसरे ओर चढ़ाई के समय बरस चुकल होखे ला आ दुसरे ओर उतरत समय एकर आपेक्षिक नमी अउरी कम होखत जाले। एह तरीका से अइसन हवा सभ के तापमान में अउरी बढ़ती देखल जाला अगर विंड-वर्ड साइड (जेहर से हवा पहाड़ पर चढ़े ले) पर ओही ऊँचाई पर के हवा से तुलना कइल जाय। एह तरीका से नम ठंढा हवा के परबत के पार करे के बाद दुसरे साइड में उतरे पर गरम आ सूखल (कम नमी वाली) हवा में बदल जाए के प्रासेस के फॉन इफेक्ट कहल जाला।

फॉन
The causes of the foehn effect in the lee of mountains. Adapted from.
फॉन
Dissolving Fohn clouds over Cumbre Nueva (1400 m), La Palma

फॉन हवा सभ के तापमान में कुछे घंटा में 14 °C (25 °F) तक ले के बढ़त देखल जा सके ला। मुख्य रूप से एह हवा के बहाव के इलाका स्विट्जरलैंड, दक्खिनी जर्मनी आ ऑस्ट्रिया देसन के इलाका हवे जहाँ भूमध्य सागर से हो के आवे वाली हवा आल्प्स परबत के उत्तरी ढाल के सहारे नीचे उतरे लीं आ ई इलाका हवा के लीवर्ड साइड में पड़े ला। एही कारन एह इलाका में अपेक्षाकृत गरम जलवायु देखे के मिले ले।

एह किसिम के अउरियो लोकल हवा दुनियाँ में पावल जालीं जइसे कि उत्तर अमेरिका में रॉकी परबत से उतरे वाली चिनूक हवा, एंडीज परबत से उतर के अर्जेंटाइना में बहे वाली जोंडा हवा वगैरह।

फोटो गैलरी

इहो देखल जाय

नोट

Tags:

फॉन फोटो गैलरीफॉन इहो देखल जायफॉन नोटफॉन संदर्भफॉन बाहरी कड़ीफॉनअंग्रेजीलोकल हवा सभ के लिस्ट

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

छतरपुर मंदिरमनोरंजनआरामहाराष्ट्र के जिला सभ के लिस्ट2006अमेजन नदीलैंडस्केप इकोलॉजीअमरीश पुरी8 मार्चमलेशियाकुसुमी जंगलहजारी प्रसाद द्विवेदीसतावरजॉर्डनऔरंगजेबनेशनल पार्कओजोनकाशी विश्वनाथ मंदिर1857 के बिद्रोह1909गौतम बुद्ध नगर जिलामार्क ज़करबर्गकलमअकबरक्रेटर लेककोविड-19मानव प्रजातिप्रियंका गांधीदामोदर नदीवानखेड़े स्टेडियमवैदिक कालभागीरथीनार्वेगोंडवाना लैंडतेलंगानायूनेस्को1960मध्य प्रदेशबिहार बोर्डकंचनपुर जिलाबिदेसिया (तमासा)हरप्रसाद दास जैन कॉलेज, आराहैदराबादताज महल होटलकैमूर बनजीव अभयारण्यबाबरमोंटीनीग्रोहांगकांगदेव आनंदमहाराष्ट्रमिया खलीफाअरवल जिलाअगिनचट्टानभरतनाट्यमगाजीपुर जिलाधुआँबुध (ग्रह)पुनीत राजकुमारमाउंट एल्ब्रसशिवमजाओप्पो इलेक्ट्रानिक्ससेक्स पोजीशनमकर संक्रांतिराहुल गांधीप्रियंका चोपड़ागुलाबरजनीश1958मणिपुरी भाषारबींद्रनाथ टैगोरमहाकाल मंदिरपाकिस्तान के भूगोल🡆 More