महाजनपद

महाजनपद (महा माने बड़ भा बिसाल, जनपद माने पुराना भारतीय जन यानी खास समूह सभ के इलाका; संस्कृत: षोडश महाजनपद) पुराना जमाना में छठईं सदी से चउथी सदी ईसा पूर्ब के समय में, वर्तमान भारतीय उपमहादीप के इलाका में, सोरह गो राज भा गणतंत्र रहलें। इनहन में दू गो के गणतंत्र (मने आज के समय के रिपब्लिक) सभ नियर होखे के अनुमान लगावल गइल बा आ बाकी सगरो राजा के शासन वाला मने कि राजतंत्र बेवस्था वाला राज रहलें।

Mahajanapadas on map of India
महाजनपद सभ के लोकेशन देखावत नक्सा

कई बौद्ध ग्रंथ सभ में इनहन के बहुधा नाँव आवे ला आ ई बुद्धमहावीर के कुछ पहिले भा ओह लोग के समय के राजनीतिक बिभाजन रहल। 6वीं–5वीं सदी ईपू के भारतीय इतिहास में एगो मोड़ के बिंदु के रूप में देखल जाला आ सिंधु घाटी सभ्यता के पतन के बाद दोबारा पहिली बेर भारत के इलाका में बड़ शहर सभ के उदै एही काल में भइल मानल जाला।

पुरातत्व के नजरिया से, ई काल 'उत्तरी करिया पालिशदार बर्तन वाली संस्कृति' (नदर्न ब्लैक पॉलिश्ड वेयर कल्चर) के समय हवे।

लिस्ट

बौद्ध ग्रंथ अंगुत्तर निकाय, महावस्तु में जवना सोरह महाजनपद सब के नाँव आइल बा उनहन के लिस्ट नीचे दिहल जात बा:

  1. अंग
  2. अश्मक (भा अस्सक)
  3. अवंती
  4. चेदि
  5. गांधार
  6. काशी
  7. कांबोज
  8. कोसल
  9. कुरु
  10. मगध
  11. मल्ल
  12. मत्स्य (भा मछ)
  13. पांचाल
  14. शूरसेन (भा सूरसेन)
  15. वज्जि
  16. वत्स (भा वंश)

इहो देखल जाय

संदर्भ

Tags:

गणतंत्रप्राचीन भारत के रुपरेखाभारतीय उपमहादीपरिपब्लिकसंस्कृत

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

सारिकाआलिया भट्टद्रौपदी मुर्मूरावणओजोन परतजानवरमहासागरभारतीय राष्ट्रीय कांग्रेसकोसलविक्स.कॉमएचटीटीपी कुकीअमेजन (कंपनी)ताप्तीगौतम बुद्धप्राकृतिक पर्यावरणकृष्णदेव उपाध्यायआलूहिमाचल प्रदेशउत्तर प्रदेश के जिला सभ के लिस्टलिंगानुपातबाणभट्टतराईग्लोबल वॉर्मिंगएक्सएनएक्सएक्सगुट-निरपेक्ष आंदोलनबिंदुसारमनी प्लांटइंडोलॉजीभोजपुरी खानाअलेक्जेंडर कनिंघमजिबूतीकाशी विश्वनाथ मंदिरकेसरिया रंगअंटार्कटिकासचिन तेंदुलकरइत् संज्ञामार्केटिंगचिया सीड्सनाथबाबा मंदिरललित निबंधधाननारियलबरफनवंबरभेलीग्रेट लेक्सकिरिबातीनाटोगाँठ गोभीअलका याग्निकचारमीनाररासायनिक तत्वन के लिस्टजकार्तासंसाधन भूगोलउदित नारायणब्लॉगसतुआनबिसुवत रेखाऑस्ट्रियाकार्बनऊटीविकिपीडियापर्ल नदीगोलघरसंस्कृतिह्वांग होटाइम जोनयूनाइटेड अरब अमीरातगोरखनाथपठारडॉगी स्टाइल🡆 More