नोवा स्कोशिया: कनाडा के प्रोविंस

नोवा स्कोशिया चाहे नोवा स्कोश्या (अंग्रेजी: Nova Scotia, /ˌnoʊvə ˈskoʊʃə/ NOH-və SKOH-shə) (फ्रेंच: Nouvelle-Écosse) कनाडा के तेरह गो प्रांत आ राज्यक्षेत्र सब में से एगो प्रांत बाटे। ई प्रांत पूरबी कनाडा में पड़े ला आ कनाडा के तीन ठे समुंद्री प्रांत (मारिटाइम प्रोविंस) सब से से, आ चार गो अटलांटिक प्रोविंस सब में से एक हवे। एकरे नाँव नोवा स्कोश्या के शाब्दिक अरथ हवे नया स्कॉटलैंड आ इहाँ के अधिकतर आबादी अंग्रेजी मूल-भाषा वाली हवे। 2021 के अनुमान अनुसार एहिजे कुल आबादी 1 मिलियन (10 लाख) चहुँप चुकल बा। ई कनाडा के अटलांटिक प्रोविंस सभ में सभसे बेसी आबादी वाला प्रोविंस हवे। देस के लेवल पर देखल जाय तब ई दुसरा सभसे घन बसल आ दुसरा सभसे छोट रकबा वाला प्रांत हवे।

एह में मुख्य रूप से केप ब्रेटन दीप आ अउरी लगभग 3,800 दीप सामिल बाड़ें। नोवा स्कोश्या के प्रायदीप कनाडा के मुख्य जमीन से एगो पातर खन चिन्येटो थलजोड़ से जुड़ल बाटे जहाँ न्यू ब्रूंस्विक के साथे एकर सीमा साझा होखे ले। एह प्रांत के सीमा पर पच्छिम में फंडी के खाड़ी आ मेइन के खाड़ी बाड़ीं जबकि दक्खिन आ पूरुब में अटलांटिक महासागर बाटे। एकरे आ प्रिंस एडवर्ड दीप आ न्यूफाउंडलैंड के बीचा में नार्थम्बरलैंड आ कैबोट जलजोड़ बाड़ें।

नोवा स्कोश्या के राजधानी हैलीफैक्स हवे जहाँ एह प्रांत के लगभग 45 परसेंट आबादी निवास करे ले। हैलीफैक्स कनाडा के तेरहवाँ सभसे बेसी आबादी वाला सेंसस-मेट्रो हवे, अटलांटिक कनाडा के सभसे बड़हन शहर हऽ, आ वैंकूवर के बाद ई कनाडा के दुसरा सभसे बड़ समुंद्र तीरे के शहर (कोस्टल सिटी) हवे।

संदर्भ

Tags:

अंग्रेजीकनाडाकनाडा के प्रांत आ राज्यक्षेत्रकनाडा के प्रांत आ राज्यक्षेत्र सभ के रकबा अनुसार लिस्टफ्रांसीसी भाषामदद:IPA/Englishमदद:Pronunciation respelling key

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

इसरोसिरफलअजातशत्रुबैजंतीलंदनकाररोमटेम्स नदीतापमानबेलफास्टविडाल डि ला ब्लाशहिमालयहुगली नदीउत्तर प्रदेश के मंडल सभ के लिस्टसमुद्रगुप्तसुषमा स्वराजजानकारीभोजपुरी लोकगीतमार्केटिंगभरतनाट्यमब्लॉग2012ऋषिकेशअरब सागरदुधवा नेशनल पार्कबर्लिनउरुग्वेवाल्मीकि नेशनल पार्कचिनाब रेल ब्रिजयाहू!महादीपएचटीटीपी कुकीभूगोलडॉगी स्टाइलपिरेनीज परबतभारतीय जनता पार्टीमोबाइल एप1980प्राकृतिक पर्यावरणमध्य प्रदेशबुर्ज खलीफाहिंदी भाषाप्रोटेस्टेंटिस़्ममहावीर जयंती2023झंडालाहौरसारनाथझेलम नदीदिल्लीकांगो नदीराष्ट्रीय जनतांत्रिक गठबंधनमैनारामनाथ कोविंदराष्ट्रीय गीतहवाई फोटोग्राफीकैस्पियन सागरमगधभतुआअंग्रेजीअंतरा बिस्वासनिर्मला सीतारमनग्लोबमैंडारिन बत्तखडेन्यूब नदीतिरहुत प्रमंडलहिंदू धर्म1944राजाजी नेशनल पार्कभारतीय राज्यन के वर्तमान मुख्यमंत्री लोग के लिस्टआम आदमी पार्टी🡆 More