कुतुब मीनार

क़ुतुब मीनार भारत के राजधानी दिल्ली में एगो इतिहासी बिल्डिंग बाटे। ई यूनेस्को द्वारा बिस्व धरोहर स्थल के दर्जा वाली बिल्डिंग बा। कुताब मीनार, एगो मीनार हवे आ ई एगो लोहा के बनल विक्ट्री टावर (बिजय स्तंभ) के साथे कुतुब परिसर के हिस्सा हवे जे दिल्ली के सभसे पुरान किलेबंदी वाला शहर लाल कोट के जगह पर पड़े ला जेकर स्थापना तोमर राजपूत लोग कइले रहल। ई भारत के दक्खिन दिल्ली के मेहरौली इलाका में यूनेस्को के बिस्व धरोहर स्थल बाटे। ई शहर के सभसे ढेर घूमे वाला पर्यटन स्थल सभ में से एक हवे, एकर ज्यादातर हिस्सा 1199 से 1220 के बीच बनल।

Qutb Minar
कुतुब मीनार
Minar in Delhi, India
अक्षांस-देसांतर 77°11′07″E / 28.524355°N 77.185248°E / 28.524355; 77.185248
ऊँचाई72.5 मीटर (238 फीट)
आर्किटेक्चर इस्टाइलIslamic Architecture
प्रकारCultural
पैमाना4
शामिल1993 (17th session)
संदर्भ नं.233
Countryकुतुब मीनार भारत
ContinentAsia
ConstructionStarted in 1199 by Qutb-ud-din Aibak / completed in ~ 1220 by his son-in-law Iltutmish

एकर तुलना अफगानिस्तान के 62 मीटर के ऑल-ब्रिक (पूरा ईंटा से बनल) मीनार ऑफ जाम से कइल जा सकेला, जवन लगभग 1190 में बनल, जेकर निर्माण क़ुतुब के संभावित सुरुआत से एक दशक पहिले भइल। दुनों के सतह सभ के शिलालेख आ ज्यामितीय पैटर्न से बिस्तार से सजावल गइल बा। कुतुब मीनार में एगो फोंफर शाफ्ट बाटे जे हर स्टेज के ऊपरी हिस्सा में "बालकनी सभ के नीचे शानदार स्टेलेक्टाइट ब्रैकेटिंग" के साथे खुलता बाटे। आमतौर पर भारत में मीनार सभ के इस्तेमाल इतिहास में धीमा रहल बाटे आ अइसन मीनार अक्सर मुख्य मस्जिद से अलगा मौजूद बाड़ें।

संदर्भ

Tags:

दिल्लीबिस्व धरोहर स्थलयूनेस्को

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

पनामा नहरभावनासंसारकैनियनगूगलविश्व शांति स्तूपवुलर झीलवैनगंगा नदीरोमफ्लोरिडाअनारअप्लेशियन परबतनोटोकॉर्डलियो टालस्टायजंगलभौतिक भूगोलछठकंप्यूटरदुधवा टाइगर रिजर्वमजाअल्बानियासमाजविद्यापतिदांतेरूस के यूक्रेन पर हमला, 2022ए. पी. जे. अब्दुल कलामझंडादक्कन पठारसाइबर अपराधसेवसनी लियोनीखेसारी लाल यादवभीमराव आंबेडकरलोकतंत्रहावड़ा ब्रिजमौर्य कलाजैकी श्रॉफऑक्सीजनढोला-सदिया पुलदूरबीनअरावलीकील नहरडैनी डेनियल्ससिडनी ओपेरा हाउसभारत के परधानमंत्री1920एमनेस्टी इंटरनेशनलसिंधु घाटी सभ्यतापड़रौनाअगरतलारावणहिंदू धर्मदीपमहात्मा गाँधीफ्रांसीसी भाषासिवान जिलारामनाथ कोविंदसेंट पीटर्स बसिलिकाजबलपुरमैंडारिन बत्तखभारत रत्नअफ़ग़ानिस्तानरमजानएशिया के भूगोलप्रादेशिक भूगोलसियाचिन ग्लेशियरबुनीयलोस्टोन नेशनल पार्कजूही बब्बरप्रोटीनइलाहाबादवैशाली जिला1957🡆 More