कियारा आडवानी

आलिया आडवानी (जनम: 31 जुलाइ 1991) जीनकरा कियारा आडवानी नांव से जानल जाला एगो भारतीय फिल्म अभिनेत्री हई जे बॉलीवुड मे काम करेली। हीनकर पहिलका फिलिम फुगली रहे जे 2014 मे आइल रहे। हीनकरा एम॰ एस॰ धोनी: द अनटॉल्ड स्टोरी फिलिम से सफलता मिलल चालू भइल। ई कबिर सिंह आ भरत अने नेनु (तेलुगु) जईसन फिल्मन मे काम कइले बाड़ी।

कियारा आडवानी
कियारा आडवानी
कियारा आडवानी
जनमआलिया आडवानी
(1991-07-31) 31 जुलाई 1991 (उमिर 32)
मुंबई, महाराष्ट्र, भारत
राष्ट्रीयताभारतीय
पेशाअभिनेत्री
सक्रियता साल2014– अभीन ले

2018 मे आइल नेटफ्लिक्स के प्रोग्राम लस्ट स्टोरीज़ से इनकरा बहुते ख्याती भेंटाइल, आ एहिजे से इनकर कैरियर बदलल । ओकरा बाद ई तेलुगु फिल्म भरत अने नेनु (2018) आ कबिर सिंह लेखा फिलिम कइली।

जिनगी

ई जगदीप आडवानी के धीया हई, जे एगो सींधी हिंदू बेआपारी हवन। हीनकर असल नांव आलिया आडवानी हऽ बाकिर फुगली के आवे से पहिले ई आपन नांव कियारा आडवानी धऽ लेली। ई कहली की सलमान खान के कहला पर ई आपन नांव बदल दिहली काहे कि इंडस्ट्री मे पहिले से आलिया भट्ट रही। 2019 मे एगो साक्षातकार मे ई कहली की कियारा नांव अंजाना अंजानी फिलिम मे प्रियंका चोपड़ा के किरदार के इहे नांव रहे जेके देखिके ई आपन नांव कियारा धइली।

कैरियर

हिंदी आ तेलुगु फिल्मन से सुरुआत (2014-2018)

2014 मे फुग्ली फिलिम से ई आपन कैरियर चालू कइली। बॉलीवुड हँगामा के तरण आदर्श कहलें की "कियारा आडवानी तोहरा एकदम अंजान लागेली, आ उनका मे सुघरई आ काबिलियत के मिश्रण बा"।

कियारा आडवानी 
2018 मे कियारा आडवानी

2016 मे ई नीरज पांडे के भारतीय क्रिकट टीम के पूर्व कप्तान महेंद्र सिंह धोनी के जिनगी प बनावल फिल्म, एम॰ एस॰ धोनी: द अनटॉल्ड स्टोरी मे काम कइली। एह फिलिम मे सुशांत सिंह राजपूत धोनी के किरदार कइले रहन आ ई उनकर मेहरारू शाक्षी रावत के किरदार कइली। ई 2016 मे सभ से बेसि कमाई करे वला फिल्मन मे से एगो रहे। 2017 मे ई अब्बास मस्तान के फिलिम मशीन मे काम कइली बाकिर ऊ फिलिम बॉक्सऑफिस प ना चलल।

2018 मे ई नेटफ्लिक्स के बनावल मेहरारू लोग के काम वासना प आधारित फिल्म लस्ट स्टोरीज़ काम कइली आ एहिजे से ओटीटी प्लेटफॉर्म प पर्दापण कइली। एह मे करन जौहर के बनावल अंतिम खंड मे ई एगो नाया बियाहल मेहरारू के किरदार कइली जेकर मरद ओकरा काम सुख ना दे पावत रहे। तेलुगु मे इनकर पहिलका फिलिम भरत अने नेनु रहे, जेकरा मे एगो अइसन लइका के कथा रहे जे आंध्र प्रदेश के मुख्यमंत्री बनि जाता। 2018 मे ई हनी सिंह के गाना "उर्वशी" मे फीचर भइली।

2019 से अबही ले

बोयापती श्रीनिवास के तेलुगु एक्शन फिल्म विनय विदेयी रमा, 2019 मे आइल इनकर पहिलका फिलिम रहे।

संदर्भ

Tags:

कियारा आडवानी जिनगीकियारा आडवानी कैरियरकियारा आडवानी संदर्भकियारा आडवानी

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

हजारी प्रसाद द्विवेदीभाबरतोतापरी आमस्विट्जरलैंडदुर्गा पूजाCncकार्बनतेजस्वी यादवमंगरइलप्रेम चोपड़ाजवाहरलाल नेहरूभारत के जनगणना, 201126 अप्रैलविद्या बालननेपाल के जिला सब के लिस्टविश्वनाथ मंदिरउड़िसजगन्नाथ मंदिर, पुरीअनुच्छेद 370काल्डेरातीजसंगमअंगूरडॉगी स्टाइलगोरखपुर जिलाराज्य (प्रांत)अलीगढ़ मंडलपूर्वांचलप्रियंका चोपड़ाअवधमाओ त्से तुंगभोजपुरीसिकंदरपुरज्योतिर्लिंगहिंदू धर्महिंदुस्तान टाइम्सपर्यावरणहावड़ा ब्रिजसंप्रभु राज्यहवा प्रदूषणरावणस्वीडनमिर्जापुरपूर्वांचल एक्सप्रेसवेसमुद्रगुप्तअनामदास का पोथाआदि पराशक्तिसमाजजिम्बाब्वेगाँठ गोभीईसवी सनअजीत डोभालमधुबनी जिलामीता वशिष्ठभोजपुरी खानाबनजमीन उपयोगसतलजकैलेंडरहेरोडोटसदलितअंकगणितरोममहाराणा प्रतापसिरफलगुलदुम बुलबुलरोमानियाभोजपुरी संस्कृतिइरफ़ान ख़ानझारखंडदेवरिया सदर रेलवे इस्टेशनहैदराबादकैलिफोर्नियाभिखारी ठाकुरवेद🡆 More