वासिल सेमेनोविच स्टेफनिक (14 मई 1871 – 7 दिसंबर 1936) यूक्रेनी के एगो परभावशाली आधुनिकतावादी लेखक आ राजनीतिक कार्यकर्ता रहलें। ऊ 1908 से 1918 ले ऑस्ट्रिया के संसद के सदस्य रहलें।
वासिल स्टेफनिक Василь Стефаник | |
---|---|
जनम | वासिल सेमेनोविच स्टेफनिक मई 14, 1871 रूसिव, गैलिसिया, ऑस्ट्रो-हंगरी |
निधन | दिसंबर 7, 1936 रूसिव, स्टैनिस्लाव प्रांत, पोलैंड | (उमिर 65)
पेशा | गद्य लेखक और राजनीतिक कार्यकर्ता |
भाषा | यूक्रेनी, पोलिश, जर्मन |
राष्ट्रियता | ऑस्ट्रो-हंगेरियन साम्राज्य, पोलैंड |
महतारी संस्था | क्राको विश्वविद्यालय |
समय | युवा पोलैंड |
बिधा | इक्सप्रेस्सियुनिज़म |
प्रमुख रचना | स्टोन क्रॉस(1900) |
वासिल स्टेफनिक के जनम 14 मई 1871 के रुसिव गाँव में एगो सम्पन्न खेतिहर के परिवार में भइल रहे। उनकर जनम पोकुटिया के एगो ऐतिहासिक क्षेत्र में भइल रहे, जवन तब आस्ट्रिया-हंगरी के हिस्सा रहे| आज ई कोलोमिया रायओन, इवानो-फ्रैंकिव्स्क ओब्लास्ट के हिस्सा बा। उनकर मऊगत 7 दिसंबर 1936 के ओही रुसिव (जौन ओह समय पोलैंड के हिस्सा रहे) गाँव में भइल।
स्टेफनिक के पहिले के शिक्षा स्नियाटिन सिटी स्कूल में भइल। बाद में उ कोलोमिया आ ड्रोहोबिच के पोलिश जिमनासिया (यूरोप में उच्च श्रेणी के पाठशाला के कहल जाला) में पढ़ाई कइले। एगो क्रांतिकारी समूह में भागीदारी के चलते उनुका के कोलोमिया व्यायामशाला से निकाल दिहल गईल। आखिरी में ऊ ड्रोहोबिच जिमनैजियम से स्नातक भइलें, आ 1892 में क्राको विश्वविद्यालय में दाखिला लिहलें।
स्टेफनिक के "ब्लू बुक" के यूक्रेन में 1966 में "द मेपल लीव्स" के नाँव से फेर से प्रकाशित कइल गइल आ एकर संस्करण माइखाइलो तुरोव्स्की के हथ से भव्य रूप से सचित्र कइल गइल बा।
"ब्लू बुक" से तीन कहानी लियोनिड ओसिका के 1968 में बनल प्रतिष्ठित यूक्रेनी फिल्म " द स्टोन क्रॉस " के आधार रहे।
स्टीफनिक कनाडा में यूक्रेनी आप्रवासी लोग के भाग्य से भारी चिंतित रहले आ बार- बार अपना कई गो लेखन में ओहि लोग के जिक्र करत रहले| इन्कर एगो कहानी, द स्टोन क्रॉस (कामिनी ख्रेस्ट), (बाद में एकरा के फिलिम बनावल गइल) स्टेफनिक के पैतृक गाँव रुसिव से एगो आप्रवासी के बिदाई के सरगर्मी देवे वाला बिबरन हवे। जवना आदमी पर ई आधारित बा ओकर मऊगत 1911, हिलियार्ड, अल्बर्टा में भइल रहे।
वासिल स्टेफनिक के याद में जवन स्मारक बनावल गइल रहे ऊ यूक्रेनी सांस्कृतिक धरोहर गाँव में स्थित बा, एडमॉन्टन, अल्बर्टा के पूरब में। उ एगो मूर्ति ह जवन यूक्रेन के ओर से एसोसिएशन ऑफ यूनाइटेड यूक्रेनियन कनाडाई के उपहार रहे। ई मूर्ति डब्ल्यू स्कोलोजड्रा से कहि के 1971 में वासिल स्टेफनिक के 100वीं बरसी के मौका पर बनावल गइल रहे।
This article uses material from the Wikipedia भोजपुरी article वासिल स्टेफनिक (के बारे में भोजपुरी में), which is released under the Creative Commons Attribution-ShareAlike 3.0 license ("CC BY-SA 3.0"); additional terms may apply (view authors). सामग्री CC BY-SA 4.0 की तहत उपलब्ध बा जबले कि अलगा से बतावल न गइल होखे। Images, videos and audio are available under their respective licenses.
®Wikipedia is a registered trademark of the Wiki Foundation, Inc. Wiki भोजपुरी (DUHOCTRUNGQUOC.VN) is an independent company and has no affiliation with Wiki Foundation.