सिडनी ओपेरा हाउस ऑस्ट्रेलिया के सिडनी शहर में समुंद्र के तीरे पर एगो कई-वेन्यू वाला पर्दर्शन कला केंद्र हवे। ई सिडनी बंदरगाह के तीरे बाटे आ एकर भवन दुनियाँ के कुछ सभसे मशहूर भवन सभ में गिनल जाला; अपने किसिम के अनोखा बिल्डिंग जेकरा के 20वीं सदी के आर्किटेक्चर के मास्टरपीस मानल जाला।
Sydney Opera House | |
---|---|
General information | |
Status | Complete |
Type | परफार्मिंग आर्ट सेंटर |
Architectural style | एक्सप्रेशनिस्ट |
Location | Bennelong Point, सिडनी |
Country | ऑस्ट्रेलिया |
Coordinates | 33°51′31″S 151°12′51″E / 33.85861°S 151.21417°E 151°12′51″E / 33.85861°S 151.21417°E |
Elevation | 4 मी (13 फीट) |
Opened | 20 अक्टूबर 1973 |
Client | न्यू साउथ वेल्स सरकार |
Owner | न्यू साउथ वेल्स सरकार |
Height | 65 मी (213 फीट) |
Dimensions | |
Other dimensions |
|
Technical details | |
Structural system | कंक्रीट फ्रेम & प्रीकास्ट कंक्रीट रिब्ड छत |
Design and construction | |
Architect | Jørn Utzon |
Structural engineer | Ove Arup & Partners |
Other information | |
Seating capacity |
|
Website | |
sydneyoperahouse | |
प्रकार | Cultural |
पैमाना | i |
तिथी | 2007 (31st session) |
रिफरेंस नं॰ | 166rev |
State Party | Australia |
Region | Oceania |
References | |
Coordinates |
डैनिश आर्किटेक्ट जोर्न उट्जोन के डिजाइन हवे आ ई ऑस्ट्रेलियाई आर्किटेक्ट लोगन के टीम द्वारा पूरा कइल गइल जेकर मुखिया पीटर हाल रहलें। ई बिल्डिंग 20 अक्टूबर 1973 के पब्लिक खाती खोलल गइल।
एह बिल्डिंग में कई गो वेन्यू बाड़ें जहाँ बिबिध किसिम के शो के आयोजन होखे ला। सगरी वेन्यू सभ के मिला के, हेइजे सालाना करीबन 1500 परफार्मेंस होखे लीं आ लगभग 12 लाख लोग दर्शक बने ला। परफार्मेंस दुनिया भर के बिबिध कलाकारन द्वारा कइल जालीं; हालाँकि, तीन गो रेजिडेंट स्थाई कंपनी भी बाड़ी जे इनहन के आयोजन करें लीं — ऑपेरा ऑस्ट्रेलिया, सिडनी थियेटर कंपनी आ सिडनी सिम्फनी ऑर्केस्ट्रा।
एकरे भीतर होखे वाला परफार्मेंस के अलावा ई बिल्डिंगवे खुद एगो बहुत महत्व के पर्यटन आकर्षण हवे आ सालाना लगभग 80 लाख लोग एकरा के देखे आवे ला आ साढ़े तीन लाख लोग बाकायदा गाइड लोग के साथे एकर भ्रमण करे ला।
28 जून 2007 के एकरा के यूनेस्को द्वारा बिस्व धरोहर में सामिल क लिहल गइल। ऑपेरा हाउस दुनियाँ के नवका सात आश्चर्य सभ के कैंपेन लिस्ट में भी शामिल रहल।
This article uses material from the Wikipedia भोजपुरी article सिडनी ओपेरा हाउस, which is released under the Creative Commons Attribution-ShareAlike 3.0 license ("CC BY-SA 3.0"); additional terms may apply (view authors). सामग्री CC BY-SA 4.0 की तहत उपलब्ध बा जबले कि अलगा से बतावल न गइल होखे। Images, videos and audio are available under their respective licenses.
®Wikipedia is a registered trademark of the Wiki Foundation, Inc. Wiki भोजपुरी (DUHOCTRUNGQUOC.VN) is an independent company and has no affiliation with Wiki Foundation.