कर्जन ब्रिज

कर्जन ब्रिज भारतीय राज्य उत्तर प्रदेश के इलाहाबाद शहर में गंगा नदी पर बनल पुल बा। शहर के उत्तरी हिस्सा में बनल ई रेल-कम-सड़क पुल इलाहबाद शहर के दूसरा सभसे पुरान पुल हवे जे इलाहाबाद-फैजाबाद रेलवे लाइन खाती बनावल गइल आ 1 जनवरी 1905 के एह पुल पर आवागमन के सुरुआत भइल। इलाहाबाद शहर के सभसे पुरान पुल जमुना ब्रिज (1865) आ जिला में सभसे पुराना पुल टोंस पुल हवे आ वर्तमान में ई तीनों पुल आधुनिक भारी यातायात खाती पुरान हो चुकल बाने। एह पुल पर रेल यातायात 1998 में बंद क दिहल गइल रहे आ एह पर से गुजरे वाली अंतिम ट्रेन गंगा-गोमती एक्सप्रेस रहल। हालाँकि, भारी बाहन आ चार पहिया सभ के आवाजाही मना बा, साइकिल-मोटरसाइकिल आ पैदल आवागमन एकरे सड़क मार्ग पर अभिन ले चालू बा आ ई शहर के स्काईवाक के रूप में भी जानल जाला।

कर्जन ब्रिज
कर्जन ब्रिज
पुल के निचला (रेल वाला तल्ला) के इलाहाबाद साइड में निकास
लोकेशन25°30′22″N 81°52′01″E / 25.506°N 81.867°E / 25.506; 81.867 81°52′01″E / 25.506°N 81.867°E / 25.506; 81.867
जगहइलाहाबाद, भारत
ऑफिशियल नाँवमोतीलाल नेहरू सेतु
बिसेसता
मटेरियलस्टील
चौड़ाई250
इतिहास
पूरा भइल1904
खोलल गइल1 जनवरी 1905
बंद भइल1998 (रेल आवागमन)
कर्जन ब्रिज
कर्जन ब्रिज के साइड व्यू। इलाहबाद के ओर से फाफा मऊ के ओर देखे पर, उत्तर मुँहे। दाहिने वाला कर्जन पुल हवे जबकि बाएँ नया सड़क पुल देखात बा।

हाल में ई पुल एकरा के बचावे खाती शहर के लोग द्वारा चलावल जा रहल अभियान खाती चर्चा में आइल बा। इलाहाबाद हाइकोर्ट के निर्देश के अनुसार एकरा मरम्मत के योजना भी रहल। जबकि रेलवे, जेकरे अधीन ई पुल बाटे, एह पुल के गिरावे के योजना बना रहल बा। समाचारन में आइल खबर के मोताबिक शहर के लोग एकर भारी बिरोध कइले बा। कई लोग के कहनाम बा कि ई पुल शहर आ देस के इतिहासी धरोहर हवे आ एकरा के संरक्षित करे के जरूरत बा। साल 2017 के दिपावली के मोका पर शहर के लोग एह पुल के बचावे खाती इह पर दिया मोमबत्ती बार के एकर सजावट भी कइल।

संदर्भ

Tags:

इलाहाबादउत्तर प्रदेशगंगापुराना नैनी पुल

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

हिन्दुस्तान (अखबार)तुलसीदासगोदावरी नदीढोला-सदिया पुलकैमूर बनजीव अभयारण्यसावनकल्पना पटवारीभारतीय लोक संगीतप्रियंका चोपड़ाबिहार के अनुमंडल सभभारत के आजादी आंदोलनजननी जन्मभूमिश्च स्वर्गादपि गरीयसीभारतीय संविधान के आमुखभारतीय संस्कृतिबराबर गुफासभभूमिका चावलागंगा मैया तोहें पियरी चढ़ैबोभारतीय मानक समयकमलनैनीटोकियोकैलिफोर्नियारोमदेहातमनी प्लांटविकिमीडिया फाउंडेशनबीबीसीकृति सैननशिंजो आबेकार्बनसेंटीमीटरभारतीय राज्यन के वर्तमान मुख्यमंत्री लोग के लिस्टघनत्वप्रीति जिंटाबिहार के प्रमंडल सभ के लिस्टढाकाअखिलेश यादवजॉर्ज एवरेस्टजाह्नवी कपूरग्लेशियरकिऊल जंक्शन रेलवे स्टेशनऑक्सीजनकुसुमी जंगलगोरखपुर जिलाहावड़ा ब्रिजझारखंडइजराइलजूलियस सीजरभूमध्य सागरकुंचिकल झरनादूरबीनइंग्लैंडपबजीभारवि7 अप्रैलसिकंदरपुरप्रेम चोपड़ाहवाई फोटोग्राफीकील नहरनाटो के सदस्य देशमहात्मा गाँधीदिपावलीगोरखपुर जंक्शन रेलवे स्टेशन2021रजनीकांतबिहार के संस्कृतिबनारससुर्खेत जिलाज्योतिकाजॉर्डनकाराकोरमकेसर के पौधाभाग्यश्रीअटल बिहारी वाजपेयीप्रियंका गांधी🡆 More