चारमीनार: हैदराबाद में एगो बिल्डिंग

चारमीनार भारत के हैदराबाद नगर मे एगो परसिद्ध भवन बा। एकर निर्माण 1591 मे भइल आ सऊँसे बिस्व मे ई हैदराबाद के चिन्हासी के रूप मे आ भारत के कुछू बहुते जानल-मानल बिल्डिंग सभ में गिनल जाए वाली बिल्डिंग बा। लमसम 400 बरिस से एकरे ऊपरी तल्ला प महजिद बा आ इहाँ कए तरह के मेला तिहुआरो मनावल जाला। ई हैदराबाद के सभसे ढेर देखल घूमल जाए वाला पर्यटक आकर्षण भी हवे।

चारमीनार
चारमीनार: हैदराबाद में एगो बिल्डिंग
बेसिक जानकारी
लोकेशनहैदराबाद, तेलंगाना, भारत
17°21′42″N 78°28′29″E / 17.36163°N 78.47467°E / 17.36163; 78.47467 78°28′29″E / 17.36163°N 78.47467°E / 17.36163; 78.47467
धर्म/मतइस्लाम
राज्यतेलंगाना
देसभारत
धरोहर पहिचानराष्ट्रिय महत्व के इस्मारक, UNESCO Tentative List
Architectural description
आर्किटेक्चरमीर मोमिन अस्तरवादी
आर्किटेक्चर इस्टाइलभारतीय-इस्लामी आर्किटेक्चर
Founderमुहम्मद क़ुली क़ुतुब शाह
बिसेस लच्छन
मिनारा4
मिनारा ऊँचाई48.7 मीटर (160 फीट)
मटेरियलग्रेनाइट, चूना पाथर, मोर्टार आ संगमरमर

चारमीनार मूसी नदी के पुरबी तीर पर बाटे आ एकरे लगे के इलाका भीड़भाड़ वाला बजार के इलाका हवे। एकरा पच्छिम ओर परसिद्ध लाड बजार बा जेकरा के चूड़ी बजार के नाँव से भी जानल जाला। एकरे दक्खिन-पच्छिम में मक्का महजिद बाटे।

हैदराबाद के कुतुबशाही बंस के शासक मुहम्मद कुली क़ुतुब शाह एह इमारत के बनववलें। ई इतिहासी धरोहर हवे। भारतीय आर्कियोलॉजिकल सर्वे के लिस्ट में ई भवन दर्ज बा आ ई एगो संरक्षित इमारत हवे।

फोटो गैलरी

प्रभाव

चारमीनार: हैदराबाद में एगो बिल्डिंग 
पाकिस्तान के कराची में चारमीनार के नकल। एह चौराहा के चारमीनार चौरंगी कहल जाला।

2007 में पाकिस्तान में रहे वाला हैदराबादी मुसलमान लोग कराची शहर के बहादुराबाद मोहल्ला में मेन चौक पर एह चारमीनार के एगो छोटहन नकल तइयार कइल। ई बिल्डिंग मूल चारमीनार के छोटहन आ कम सजावटी नकल हवे बाकी एगो बहुत सुघर बिल्डिंग हवे। एह चौराहा के चारमीनार चौरंगी कहल जाला। 2015 में छपल एगो रपट के मोताबिक ई यूके के एगो संस्था द्वारा जारी लिस्ट में दुनियाँ के छठवाँ सभसे खूबसूरत गोलचक्कर के रूप में चिन्हित कइल गइल रहल।

परसिद्ध चाकलेट बनावे वाली कंपनी लिंट (Lindt) के अडेलबर्ट बोशर एह बिल्डिंग के एगो छोट पैमाना पर मॉडल बनवलें जे 50 किलोग्राम चाकलेट से बनल रहे आ एकरा के बनावे में तीन दिन के समय लागल रहे। ई मॉडल हैदरबाद के वेस्टिन में 25 आ 26 सितंबर 2010 के नुमाइश खातिर रखल गइल रहे।

चामीनार एक्सप्रेस भारतीय रेल के एगो रेलगाड़ी हवे जे एही बिल्डिंग के नाँव पर नाँव वाली गाड़ी हवे, ई हैदराबाद आ मद्रास (चेन्नई) के बीचा में चले ले।

पुराना समय के हैदराबाद रियासत में चले वाला सिक्का आ रुपिया के नोट सभ पर भी चारमीनार के बिल्डिंग के चित्र छपल रहे जे सभ ओह समय में चलन में रहलें।

ई इमारत हैदराबाद शहर के पहिचान के दर्जा हासिल क चुकल बाटे आ तेलंगाना राज्य के भी। ई तेलंगाना राज्य के राजकीय निशान पर दर्ज कइल गइल बा जेह में ई काकतीय तोरण (वारंगल गेट) के बीचा में देखावल गइल हवे।


संदर्भ

Tags:

महजिदहैदराबाद

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

जगदीप धनखड़लद्दाखकंबोडियाघानाआम आदमी पार्टीकृष्णइस्तांबुलमहेंद्र सिंह धोनीसेक्समैरवाइंग्लैंडबिहार के प्रमंडल सभ के लिस्टहवाई फोटोग्राफीयूराल परबतसतावर1957पहाड़रोमानियागौतम बुद्धयामी गौतमभारत के अर्थब्यवस्थाहवा प्रदूषणकाजीरंगा नेशनल पार्कविवेकी रायटेलीफोनसनातनीभारतीय मानक समयभारतीय सिनेमापबजीअर्थक्रस्टमालाबार तटलिंगानुपातकैलिफोर्नियासलमान खानमलेशियावीर कुँवर सिंह विश्वविद्यालयमुर्गी पालनभोजपुरी क्षेत्रनंगा परबतभारत के राष्ट्रपतिड्वेन जॉनसनसाक्षी मलिकराजगीरसंकोश नदीजैकी श्रॉफपहाड़ीपानीभारत के नेशनल पार्क सभ के लिस्टचिल्का झीलस्टीफन हॉकिंगपटना हाईकोर्टअलकनंदानोम चोमस्कीहावड़ा ब्रिजअंतरा बिस्वासयांग्त्सी नदीक्रोएशियाखिचड़ीनाइजीरियाद्रौपदी मुर्मूअमरकंटकभाबरए आर रहमानविद्यापतिरानीगंजअरावलीदि टाइम्स ऑफ इंडियाए. ओ. ह्यूमआल्प्सझेलम नदीतियान शानआदि पराशक्तिस्ट्रॉम्बोलीपुराना किला, दिल्लीताना भगतमुनमुन सेनयोनी🡆 More