गोथिक कला मध्यकालीन यूरोप के कला के एगो इस्टाइल हवे जे उत्तरी फ्रांस के इलाका में तकरीबन 12वीं सदी में रोमनेस्क कला से जनमल आ पूरा पच्छिमी यूरोप आ मध्य आ पूरबी यूरोप के कुछ हिस्सन में फइल गइल; एकर सभसे बेसी परभाव गोथिक आर्किटेक्चर के रूप में देखे के मिले ला। 14वीं सदी में, ढेर सुघराव लिहले, इंटरनेशनल गोथिक कला के बिकास भइल जे 15वीं सदी ले जारी रहल। 16 सदी ले ई कला पर्भावशाली रहल जबतक ले कि रेनासां कला (पुनर्जागरण के जमाना के आर्ट) में ई समाहित ना भ गइल।
शुरूआती गोथिक कला के नमूना बिसाल आ भारी-भरकम आर्किटेक्चर रहल। ईसाई कला के प्रवृत्ति धर्मवादी रहे जेह में बाइबिल के पुराना आ नया टेस्टामेंट के कथा सभ के देखवल गइल। एही दौर में अपने आप सेकुलर कला (जे धर्म के परभाव से अलग रहल) के बिकास भी भइल।
ई कला-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
This article uses material from the Wikipedia भोजपुरी article गोथिक कला, which is released under the Creative Commons Attribution-ShareAlike 3.0 license ("CC BY-SA 3.0"); additional terms may apply (view authors). सामग्री CC BY-SA 4.0 की तहत उपलब्ध बा जबले कि अलगा से बतावल न गइल होखे। Images, videos and audio are available under their respective licenses.
®Wikipedia is a registered trademark of the Wiki Foundation, Inc. Wiki भोजपुरी (DUHOCTRUNGQUOC.VN) is an independent company and has no affiliation with Wiki Foundation.