दक्खिन अमेरिका के भूगोल

दक्खिन अमेरिका भूगोलीय हिसाब से नई दुनिया (दुनों अमेरिका महादीप) कऽ एगो महादीप हवे आ एकरे भूगोल में बिबिध प्रकार के क्षेत्र आ जलवायु वाला इलाका सामिल बाने। हालाँकि, दुनों अमेरिका महादीप पनामा थलजोड़ से जुड़ल हवें आ पनामा नहर से अलग होखे लें, ई दक्खिनी महादीप परंपरागत रूप से अलगा से एगो महादीप मानल जाला आ कभी-काल्ह के इनहन के एक्के सुपरमहादीप के रूप में भी देखल जाला आ अंग्रेजी में अमेरिकाज़ कहि के बोलावल जाला। राजनीतिक सीमा के आधार पर पनामा–कोलंबिया के बाडर के एह दुनों महादीप सभ के बीचा के बिभाजक मानल जाला।

दक्खिन अमेरिका के भूगोल
दक्खिन अमेरिका महादीप के उपग्रह से लिहल गइल आर्थोग्राफिक चित्र

दक्खिन अमेरिका के उत्तर अमेरिका से जुड़ाव करीबन 30 लाख बरिस पहिले, पनामा के थलजोड़ (इस्थमस ऑफ पनामा) के बने से भइल। एकरे बाद भइल भूबिग्यानी इतिहास के घटना के ग्रेट अमेरिकन इंटरचेंज के नाँव से जानल जाला। एंडीज, जे एगो नया आ अभिन ले हलचल से गुजरे वाला परबत श्रेणी बा, एह महादीप के पच्छिमी किनारे के रूप में स्थित बा; उत्तरी एंडीज के पुरुब ओर बिसाल इलाका बा जे भूमध्य रेखीय बरखा बन वाला इलाका हवे आ अमेजन बेसिन के नाँव से जानल जाला। एह महादीप पर पेटागोनिया के पठार आ अटाकामा के रेगिस्तान नियर सूखा इलाका भी बाने अउरी लानोज, कैंपोजपंपाज के घास के मैदान बाड़ें।

एह महादीप के अंतर्गत कई ठे दीपसभ भी आवे लें जे अलग-अलग देस सभ के द्वारा शासित बाड़ें सऽ। एकरे उत्तर में कैरिबीयन दीप सभ के आमतौर पर उत्तर अमेरिका के साथे शामिल कइल जाला। हालाँकि, एह सागर के किनारे मौजूद जवन देस सभ दक्खिन अमेरिका में बाड़ें उनहन में कोलंबिया, वेनेजुएला, गयाना, सूरीनाम, आ फ्रेंच गयाना सभ के कैरेबियन दक्खिन अमेरिका के उपनाँव से भी जानल जाला।

राजनीतिक इकाई सभ

रकबा आ जनसंख्या दुनों के हिसाब से ब्राजील देस एह महादीप के सभसे बड़हन देस बा। ओहिजे अर्जेंटीना इहाँ के सभसे ढेर शहरीकरण वाला देस बा। एह महादीप के उपबिभाग सभ में एंडीज परबत के सहारे एंडीयन स्टेट्स, कैरीबियन सागर के सहारे कैरीबियन स्टेट्स, आ दक्खिनी नोकदार हिस्सा में सदर्न कोन स्टेट्स के नाँव से भी जानल जाला। महादीप के देस आ राज्यक्षेत्र सभ के लिस्ट नीचे दिहल जा रहल बा:

दक्खिन अमेरिका के भूगोल 
राज्यक्षेत्र के नाव,
झंडा के साथ
रकबा
(किमी²)
आबादी
(जुलाई 2009 अनु.)
जनसंख्या घनत्व
(प्रति किमी²)
राजधानी
दक्खिन अमेरिका के भूगोल  अर्जेंटीना 2,766,890 40,913,584 14.8 ब्यूनस आयर्स
दक्खिन अमेरिका के भूगोल  बोलीविया 1,098,580 9,775,246 8.9 ला पाज, सुक्रे
दक्खिन अमेरिका के भूगोल  ब्राजील 8,511,965 198,739,269 23.3 ब्रासीलिया
दक्खिन अमेरिका के भूगोल  चिली 756,950 16,601,707 21.9 सैंटियागो
दक्खिन अमेरिका के भूगोल  कोलंबिया 1,138,910 45,644,023 40.1 बोगोटा
दक्खिन अमेरिका के भूगोल  इक्वेडोर 283,560 14,573,101 51.4 क्विटो
दक्खिन अमेरिका के भूगोल  फाकलैंड दीप (यूके) 12,173 3,140 0.26 स्टैनली
दक्खिन अमेरिका के भूगोल  फ्रेंच गयाना (फ्रांस) 83,534 221,500 2.7 कायने
दक्खिन अमेरिका के भूगोल  गयाना 214,970 772,298 3.6 जार्जटाउन, गयाना
दक्खिन अमेरिका के भूगोल  पराग्वे 406,750 6,995,655 17.2 आसूंसियों
दक्खिन अमेरिका के भूगोल  पेरू 1,285,220 29,546,963 23.0 लीमा
दक्खिन अमेरिका के भूगोल  साउथ जार्जिया एंड
साउथ सैंडविच आइलैंड (यूके)
3,903 0 0 ग्राइट्विकेन
दक्खिन अमेरिका के भूगोल  सूरीनाम 163,270 481,267 2.9 पारमाराइबो
दक्खिन अमेरिका के भूगोल  उरुग्वे 176,220 3,494,382 19.8 मोंटेवीडियो
दक्खिन अमेरिका के भूगोल  वेनेजुएला 912,050 26,814,843 29.4 कराकास

नदी

  • अमेजन नदी: पानी के मात्रा के हिसाब से दुनियाँ के सभसे बड़ नदी हवे। एंडीज परबत से निकसे ले आ अटलांटिक महासागर में गिरे ले। अमेजन बेसिन के बरखा बन वाला क्षेत्र के रूप में जानल जाला।
  • पराग्वे नदी:
  • ओरिनिको नदी:
  • जापुरा नदी: एंडीज परबत से निकसे ले आ अमेजन नदी में बाएँ से मिले वाली सभसे बड़ (लमहर) नदी हवे।
  • पराना नदी:
  • साओफ्रांसिस्को नदी:
  • मैग्डलीना नदी:
  • रियो नीग्रो: अमेजन में बाएँ से मिले ले। नाँव के शाब्दिक अरथ हवे "काली नदी"।
  • पुरुश नदी: अमेजन के सहायिका नदी हवे आ एह में दाहिने से मिले वाली सभसे लमहर नदी हवे।
  • मदीरा नदी:
  • सलाडो नदी:
  • टोंकांटिस नदी:

संदर्भ

Tags:

महादीप

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

छोटा भीमऑक्सीजनगीतारवीना टंडनढोला-सदिया पुलयूनाइटेड किंगडमसमस्तीपुर जिलामैक्सिकोबाबरभोजपुरी लोकगीतअमेजन नदीरवीन्द्र कुमार 'राजू'राष्ट्रीय गीतक्लोरीनखारा पानीराहुल गांधीमंगरइलशिल्पा शेट्टीचौसा आमतेलंगानाजीएसएलवीभारत के राष्ट्रपतिइलाहाबादबबीना, उत्तर प्रदेशडोमसोनिया गांधीयोगहावड़ा ब्रिजअनुष्का शर्मालोकसभाइसरोभतुआब्रह्मांडगाँवदिल्ली चिड़ियाघरमादा जननांगबेरोजगारीचिंबोराजोपुरुषार्थब्राज़ीलउत्तर प्रदेश के जिला सभ के लिस्टगरेना फ्री फायरअन्ना हजारेएंजाइमकैलेंडरओजार्कसर्च इंजन ऑप्टिमाइजेशनबारहखड़ीतिरहुत प्रमंडलओजोन परतअल्लु अर्जुनमहाभारतफिलिपींसगैलेक्सीपरेश रावलमहाराष्ट्रगुलकंदपवन कल्याणबनारस कैंट रेलवे स्टेशनमीरा कुमारईसा मसीहनमामि गंगेजार्ज ग्रियर्सनअमरावती जिलाकृषि भूगोलझाँसी के रानीनेपाल के नगरपालिका सभ के लिस्टरासायनिक पदार्थगौतम बुद्धअनुकूलतम जनसंख्याद्रौपदी मुर्मूनाटो के सदस्य देशबाड़मेर जिलाकैनियनमंगल ग्रहसिवान अनुमंडल🡆 More