हिंद महासागर: महासागर

हिंद महासागर बिस्व क तीसरा सबसे बड़हन महासागर ह जे लगभग 70,560,000 किमी2 (7.595×1014 वर्ग फु) क्षेत्रफल पर बिस्तार लिहले बा आ धरती के पूरा पानी वाली सतह के लगभग 20% हिस्सा कभर करे ला। एकरे पच्छिम ओर अफ्रीका, उत्तर ओर एशिया आ पूरुब ओर ऑस्ट्रेलिया महादीप बाड़ें आ दक्खिन में दक्खिनी महासागर, या फिर अगर ओकरा के अलगा से महासागर महासागर न मानल जाय, तब अंटार्कटिका महादीप बाटे। एकर नाँव भारत के नाँव (हिंद) के नाँव पर रखल गइल हवे आ अइसन एकलौता महासागर बा जेकर नाँव कौनों देस के नाँव प रखल गइल होखे। अरब सागर आ बंगाल क खाड़ी एही हिंद महासागरे क हिस्सा हउवें।

भूबिज्ञान

हिंद महासागर: महासागर 
गहिराईमाप देखावत चित्र

हिंद महासागर दुनिया के बाकी महासागर सभ के तुलना में सभसे नाया हवे। एह महासागर में एक्टिव महासागरी कटक (रिज) बाड़ें जिनहन के सहारे प्लेट सभ के सरकाव होखे ला। रोडरिगीस ट्रिपल प्वाइंट आ बिचला भारतीय रिज, कास्बर्ग रिज वगैरह एह में प्रमुख बाड़ीं। अफिरकी प्लेट आ इंडो-ऑस्ट्रेलियाई प्लेट एक दुसरे से फरका हटे लीं तहाँ कास्बर्ग रिज हवे; दक्खिन-पच्छिमी इंडियन रिज के सहारे अफिरकी प्लेट आ अंटार्कटिका प्लेट के बिलगाव होला आ बिचली रिज अरब सागर से हो के लाल सागर ले आ आगे भूमध्य सागर तक ले चल जाले।

किनारे के देस आ राज्यक्षेत्र

महादीप सभ के बाहरी किनारा पर कई ठे छोटहन दीप पावल जालें। पूरा तरीका से समुंद्र से घेराइल, दीपीय देस, भी एह महासागर में बाड़ें। लगभग घड़ी के सुई के दिसा में गिनावल जाय तब राज्य (देस) आ राज्यक्षेत्र (टेरिटरी) सभ के बिबरन नीचे बा:

अफिरका

एशिया

ऑस्ट्रेलेशिया

दक्खिनी हिंद महासागर

  • हिंद महासागर: महासागर  हर्ड दीप आ मैकडोनाल्ड दीप (AUS)
  • हिंद महासागर: महासागर  फ्रांसीसी दक्खिनी आ अंटार्कटिक जमीन (FRA)
  • हिंद महासागर: महासागर  प्रिंस एडवर्ड दीप (RSA)

Tags:

अफ्रीकाअरब सागरएशियाऑस्ट्रेलियाबंगाल क खाड़ी

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

लक्समबर्गपनामा नहरइटलीब्रायलर मुर्गाक्रिस्टियानो रोनाल्डोबरफनर्मदा नदीसिरफलअबीरपुर्तगालराष्ट्रीय गीतएशियादक्खिन पुरुब एशियाभैरो बाबाज्योतिर्लिंगपंजाबी भाषाकैमरूनकर्क रेखासर्वनामओजोन कटाव आ ओजोन छेदभारत के नेशनल पार्क सभ के लिस्टहिमाचल प्रदेशहिन्दुस्तान (अखबार)शिवाजीभारतीय लोक संगीततारक मेहता का उल्टा चश्माकंपनी बागदामोदर नदीमहानंदा नदीलार्ड कार्नवालिसमाइकल जैक्सनआयरलैंड रिपब्लिकरामायण के पात्र सभ के लिस्टआदमीमिशनरी पोजीशनपबजीयाहू!हेमा मालिनीफूलन देवीमौर्य साम्राज्यनारियलअकबरट्रांस हिमालयगोदावरी नदीबेसनएक्सवीडियोजपुराना नैनी पुलबांग्लादेशमोजाम्बिकवेनेजुएलाबिहार में प्रशासनमहाभियोगसदाबहारआसारामधनगढीदिल्लीबनारस कैंट रेलवे स्टेशनभाग्यश्रीप्रयाग प्रशस्तिगंगा नदीअरुणाचल प्रदेशलद्दाखनीतीश कुमारढोढ़ीताना भगत आंदोलन🡆 More