एशिया: पुर्बी गोलार्ध में स्थित महादीप

एशिया (/ˈeɪʒə, ˈeɪʃə/ ( सुनल जाय)) धरती के सभसे बड़हन आ सभसे ढेर जनसंख्या वाला महादीप हऽ, मुख्य रूप से उत्तरी आ पूरबी गोलार्धन में पड़े ला, यूरोप के साथे मिल के दुनो के यूरेशिया कहल जाला आ अफिरका के साथे मिला के बनल क्षेत्र एफ्रो-एशिया के नाँव से जानल जाला। एशिया के कुल क्षेत्र बिस्तार 44,579,000 वर्ग किलोमीटर (17,212,000 वर्ग मील) बा जे पृथ्वी के कुल जमीनी हिस्सा के लगभग 30% हिस्सा बा आ पूरा धरती के सतह के क्षेत्रफल के 8.7% बाटे। ई महादीप, बहुत पुराना समय से मानवीय जनसंख्या के निवास अस्थान रहल बा, आ दुनिया के कई गो सुरुआती सभ्यता सभ के जनमभूँइ हवे। ई महादीप खाली अपना बड़हन बिस्तार आ ढेर खा जनसंख्ये खातिर ना जानल जाला बलुक इहाँ कई गो बहुत घन बसल इलाका भी बाने आ कई गो बिसाल इलाका जहाँ बहुत बिरल जनसंख्या बसाव बाटे। एशिया के कुल जनसंख्या लगभग 4.4 बिलियन बाटे।

एशिया
ग्लोब पर एशिया
क्षेत्रफल44,579,000 किमी2 (17,212,000 वर्ग मील)
जनसंख्या4,164,252,000 (नंबर 1)
जनघनत्व87/किमी2 (225/वर्ग मील)
निवासी-नाँवएशियाई
देस सभ48 यूएन सदस्य 6 अन्य
निर्भर राज्यक्षेत्र
गैर-यूएन राज्य
इंटरनेट टीएलडी.asia
बड़हन शहरएशिया के प्रमुख शहर
एशिया के शहरन के लिस्ट

एकरा बिसाल साइज आ बिस्तार के अउरी इहाँ मौजूद बिबिधता के धियान में राखल जाय तब एशिया के संकल्पना (कांसेप्ट) — मने कि एगो नाँव जे पुराना जमाना से चलन में बा — वास्तव में मानव भूगोल के संकल्पना ढेर बुझाला, न कि भौतिक भूगोल के। एशिया अपना भूगोलीय क्षेत्र सभ के स्तर पर जातीय समूह, संस्कृति, पर्यावरण, अर्थब्यवस्था, इतिहासी संबंध आ शासन के सिस्टम सभ के मामिला में बहुते बिबिधता वाला महादीप ह। इहाँ के जलवायु में भी बहुते भारी बिबिधता बा, जहाँ एक ओर मध्य पूरब के इलाका बा जे गरमी में खूब गरम प्रदेश हो जाला तहाँ महादीपीय जलवायु के नमूना के रूप में साइबेरिया भी बा जहाँ जाड़ा में तापमान बहुते नीचे गिर जाला।

भूगोल आ जलवायु

एशिया: पुर्बी गोलार्ध में स्थित महादीप 
हिमालय परबत में दुनिया के कई गो सभसे ऊँच परबत चोटी बाड़ी सऽ।

एशिया पृथ्वी के सभसे बड़हन महादीप हवे। पृथ्वी के सतह के 8.8% भाग (या कुल जमीनी हिस्सा के 30% भाग) पर एकर बिस्तार बा, आ एकर लगभग 62,800 किलोमीटर (39,022 मील) के समुंद्री तटरेखा (कोस्टलाइन) सगरी महादीपन में सभसे लमहर बा। एशिया के परिभाषा दिहल जाला कि ई यूरेशिया के अइसन हिस्सा हवे जे यूराल परबत के पूरब में बा। वास्तव में ई परंपरागत सीमा हवे, एशिया यूरेशिया के कुल इलाका के पाँच हिस्सा में से चार हिस्सा भर के इलाका हऽ आ यूराल परबत आ स्वज नहर के पूरब आ काला सागर, काकेशस परबर आ कैस्पियन सागर के दक्खिन के हिस्सा एशिया महादीप मानल जाला। एकरे पूरुब में प्रशांत महासागर, दक्खिन में हिंद महासागर आ उत्तर में आर्कटिक महासागर बा। एह महादीप में कुल 48 देस बाने, इनहन में से तीन गो (रूस, कजाकिस्तान आ तुर्की) के कुछ जमीनी हिस्सा यूरोप महादीप में भी पड़े ला।

फोटो गैलरी


संदर्भ

Tags:

En-us-Asia.oggचित्र:En-us-Asia.oggधरतीमदद:IPA/Englishमहादीप

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

भोजपुरी खानापीपरिधानइसरोकोसी नदीमिया खलीफाआंध्र प्रदेशकृष्णदेव उपाध्यायभागलपुर जिलाजमानियाशहररावणफ्लोरिडासमाजमनोज तिवारीमाउंट एवरेस्टहिंदी भाषागुरुद्वारा शीशगंज साहिबभाग्यश्रीकाल्डेरागुट-निरपेक्ष आंदोलनसकल घरेलू उत्पादवियतनामभारतीय राज्यन के वर्तमान गवर्नर लोगन के लिस्टसनातनीबुर (बहुअर्थी)हिंदू पतराताजमहलईसा मसीहबकरीदमकर रेखाकर्क रेखाआदित्यनाथकोष (जीवविज्ञान)लालू प्रसाद यादवजॉर्डनरिसर्च मेथोडोलॉजीगायकीचंद्रयान-3कृष्ण बिहारी मिश्रगंगा नदीपर्यटक आकर्षणऔरतनेपालतुलसीदासमाहेश्वर सूत्रऑपरेटिंग सिस्टमपोर्नोग्राफीरैडिसन ब्लूदिल्लीइलाहाबादमोजाम्बिकऔरंगजेबझारखंडइंग्लैंडपवन सिंहभतुआमहानंदा नदीपर्यावरणगोपालगंज जिलाक्रिस गेलसंत रविदास नगर जिलानागवासुकी मंदिर, इलाहाबादनीदरलैंडमलाइका अरोड़ा खानजमुनाकुचिपुड़ीविकिमीडिया फाउंडेशनवृंदावनअवधमैदानहाजीपुरकलम🡆 More